होठ प मुस्कान दबा के चले वाली हिरोइन हई आम्रपाली दुबे

January 23, 2021
सिनेमा
, , , , , , , , , , , , , , , , , , ,
0

लेखक- मनोज भावुक

हिरोइन त सुन्दरे होला लो. ना रहित लोग त हिरोइन के बनाइत बाकिर आम्रपाली दुबे कुछ बेसिए सुन्दर बाड़ी. इंडियन क्लासिक लुक बा, भरल-पूरल देह आ होठ प बुझाला जे मुस्कान थिरकता. आज उनकर जन्मदिन ह. जन्मदिन के बधाई.

जान जाईं कि छवे साल में छा गइल बाड़ी आम्रपाली दुबे. टॉप पर पहुंच गइल बाड़ी. दर्शकन के दिल में उतर गइल बाड़ी. आम्रपाली दुबे गोरखपुर उत्तर प्रदेश के रहे वाला हई. हिंदी सीरियल ‘रहना है पलकों की छाँव में’ से आपन करियर शुरू करे वाली आम्रपाली भोजपुरी में 2014 में निरहुआ हिन्दुस्तानी से डेब्यू कइली. एह फिल्म में उनके किरदार सोना काफी मशहूर भइल. एही फिल्म से आम्रपाली के जोड़ी निरहुआ के साथे अइसन बनल कि ओकरा बाद निरहुआ के अधिकतर फिल्म में आम्रपाली मुख्य भूमिका में दिखे लगली. आम्रपाली के करियर मात्र अभी 6-7 साल के भइल बा लेकिन ऊ आपन एगो अलग मुकाम बना लेले बाड़ी आ टॉप हीरोइन के रेस में आगे बाड़ी.

त जान जाईं कि आम्रपाली दुबे आज 34 साल के हो गइली. 11 जनवरी, 1987 के गोरखपुर में जनमल आम्रपाली आज भोजपुरी इंडस्ट्री के सबसे महंग एक्ट्रेस में से एक बाड़ी. उनका के भोजपुरी में यूट्यूब क्वीन के नाम से भी जानल जाला. काहे कि यूट्यूब पर चढ़ते उनकर गाना एगो नया रिकॉर्ड बना देला.

आम्रपाली के बाबूजी उनका के डॉक्टर बनावल चाहते रहलें लेकिन उनका भाग में त फ़िल्मी पर्दा प गर्दा उड़ावल लिखल रहे. उनकर बाबा मुंबई शिफ्ट हो गइल रहले लिहाज़ा पूरा परिवार संगे उ मुंबईये में रहत रहली. मुंबईये के भवन कॉलेज से पढ़ाईयो पूरा कइली हालाँकि पढ़ाई में उनकर ख़ास मन ना लागल आ कॉलेजिए टाइम से लगली ऑडिशन देवे.

‘रहना है पलकों की छाँव में’ सीरियल से उनका पहचान मिलल बाकिर ओकरा पहिले उ सात फेरे, मायका अउर मेरा नाम करेगी रोशन में भी अहम भूमिका निभा चुकल रहली. खैर, अब त भोजपुरी के होके रह गइल बाड़ी.

अब तक लगभग तीन दर्जन फिल्मन में अभिनय कर चुकल बाड़ी जवना में निरहुआ रिक्शावाला’, काशी अमरनाथ, ‘पटना से पाकिस्तान, मोकामा जीरो किलोमीटर, निरहुआ चलल ससुराल-2, निरहुआ चलल लंदन, निरहुआ हिन्दुस्तानी, निरहुआ हिन्दुस्तानी-2, निरहुआ हिन्दुस्तानी-3, राजा बाबू, राम लखन, जिगरवाला, आशिक आवारा, बम बम बोल रहा काशी, निरहुआ सटल रहे, सिपाही, बार्डर आ लागल रहा बताशा आदि प्रमुख बा.

फिल्मन के नाम देखीं. ढेर फिल्म में निरहुआ सटल बा. त जान जाईं कि लोग आँख मूँद के बिना पोस्टर देखले बता देला कि निरहुआ हीरो बा त हीरोइन आम्रपाली होइहें, 2014 के बाद से. ओकरा पहिले त लोग कहत रहे कि निरहू बाड़े त कहीं ना कहीं पाखी होइहें. पाखी माने पाखी हेगड़े. त कहे वाला त इहो कहेला कि आखिर आम्रपाली कवन मंतर मरली कि पाखी एकदम्मे से साइड हो गइली. खैर, फिल्म इंडस्ट्री में ई सब सामान्य बात बा.

ई साँच बा कि आम्रपाली भोजपुरिये के ना, निरहुओ के हिरोइन बाड़ी. नब्बे प्रतिशत फिल्म में निरहुआ उनकर हीरो बाड़न. ‘सत्या’, ‘दुल्हन गंगा पार के’, ‘मैंने उनको सजन चुन लिया’, ‘बागी भईल सजना हमार’ आ ‘लागल रहा बताशा’ जइसन कुछ फिल्मन में दिनेश लाल यादव निरहुआ उनका साथे नइखन. फिल्म ‘शेर सिंह’ में आम्रपाली पहिला बार अभिनेता पवन सिंह के साथ एगो पूरा किरदार में नजर आइल बाड़ी.

दरअसल भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज खातिर साल 2014 सफलता के साल रहे. एह साल लगभग 60 गो फिल्म प्रदर्शित भइल, ओही में दिनेश लाल यादव के निरहुआ हिन्दुस्तानी कामयाबी के झण्डा गाड़ देहलस. आदिशक्ती इंटरटेनमेंट के बैनर के ई फिल्म दर्शक के सिनेमाहाल तक खींच ले अइलस. एही फ़िल्म से आम्रपाली दुबे भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्री में एंट्री कइली. उनके क़िरदार सोना एगो शहर के अकड़ू अउरी चालू लइकी रहतिया जवन निरहुआ से बिआह अपना बाप के प्रॉपर्टी पावे खातिर करsतिया लेकिन ओकरा निरहुआ के गांव अइला के बाद प्यार हो जाता अउर उ निरहुआ के साथे रहे लागsतिया. बाद में जब असलियत पता चलता त बहुत बवाल होता. कॉमेडी के साथ परिवार के इर्द गिर्द बुनल ई फ़िल्म दर्शक के खूब पसंद आइल. एही फ़िल्म के सफलता रहे कि आम्रपाली दुबे अउरी निरहुआ के जोड़ी एतना हिट भइल कि आगे आवे वाला साल में अमूमन हर फिल्म में साथ लउके लागल लोग..आ बेर-बेर साथे लउकल कवनो गुनाह ना ह. अरे भाई जोड़ी हिट होता त केहू का करो

2015 में भोजपुरी फिल्मन के हिट करावे के एगो नया ट्रेंड चल पड़ल. ए ट्रेंड के नाम रहे भोजपुरी फिल्मन के पाकिस्तान कनेक्शन. माने कि जेंगा हिंदी में देशभक्ति फ़िल्म एगो टाइम में पाकिस्तान आ हिंदुस्तान के बीच के जंग, घुसपैठ, जासूसी अउरी अमन संदेश के केंद्र में रखके बने लागल, उहें कुछ भोजपुरी में भी शुरू भइल आ खूब चलल, चलते जाता.

एकर शुरुआत कइलें निर्माता अनंजय रघुराज अउरी लेखक निर्देशक संतोष मिश्रा. दुनो लोग निरहुआ के लीड में लेके एगो फ़िल्म बनावल लोग पटना से पाकिस्तान. निरहुआ के साथे एह फ़िल्म में आम्रपाली दुबे अउरी काजल राघवानी रहली. फ़िल्म के कहानी कबीर नाम के एगो युवक के रहे जवन आतंकवादी के मंदिर पर हमला नाकाम कर देता अउरी पाकिस्तान के अखबार में प्रमुखता से छपता. जब आतंकवादी गुट के सरगना ई देखता त उ कबीर के मारे के प्लानिंग करता. ओह प्लानिंग के तहत भइल बम विस्फोट में कबीर त बच जाता लेकिन ओकर प्रेमिका अउरी पूरा परिवार मर जाता. पहिले कबीर सरकार से मदद मांगता, जब नइखे मिलत त खुद बीड़ा उठा लेता अउरी पाकिस्तान में घुसके आतंकवाद से लड़ता. एही दरमयान ओकरा एगो पाकिस्तानी लड़की से प्यार भी हो जाता. इहे फ़िल्म के कहानी बा. एह कहानी में पाकिस्तानी लड़की शहनाज़ के रूप में आम्रपाली के अभिनय के खूब नोटिस कइल गइल.

निरहुआ के फ़िल्म राजा बाबू, मंजुल ठाकुर के निर्देशन में बनल बेहतरीन फ़िल्म रहे, बल्कि साल के सबसे सफल फ़िल्म में से एक रहे. एहू फिल्म में आम्रपाली के अभिनय सराहे लायक बा. ओही तरे मोकामा 0 किलोमीटर, निरहुआ चलल ससुराल 2, बेटा में भी आम्रपाली आपन प्रभाव छोडली.

निरहुआ हिंदुस्तानी काफी सफल फ़िल्म रहे. ओकर सीक्वल आइल अउरी उ भी खूब चलल अउर चलली आम्रपाली भी. फ़िल्म के देसी कनेक्ट के कारण लोग बहुत पसंद कइलस आ ई देसी कनेक्ट निरहुओ में बा, आम्रपालियो में. एही से ई फ़िल्म यूट्यूब पर सबसे ज्यादा बार देखल गइल.

प्रियंका चोपड़ा के प्रोडक्शन कंपनी पर्पल पेबल भोजपुरी फ़िल्म निर्माण में आइल अउरी फ़िल्म बनल काशी अमरनाथ. फ़िल्म के निर्देशक रहलें संतोष मिश्रा. काशी के रोल में रहलें निरहुआ. आम्रपाली एहू फिल्म में आपन छाप छोड़ली.

डायरेक्टर ब्रज भूषण के फिल्म आइल काजल, जवना में बस एगो आइटम सांग में आके फिल्म के हीट करा देले बाड़ी आम्रपाली.

आम्रपाली नृत्य में पारंगत बाड़ी. खूबसूरत आ मिलनसार बाड़ी. विनम्र आ व्यवहार कुशल बाड़ी. समय आ कमिटमेंट के पक्का बाड़ी. समय के राग आ नब्ज के उनका पहचान बा. एही से भोजपुरी सिनेमा के लगभग तीन दर्जन हिरोइन लोग में उ अगिला कतार में भी आगे खड़ा बाड़ी. उ अउर आगे जास, सफल होखस आ खुल के-खिल के मुस्कुरास ..जन्मदिन पर इहे शुभकामना बा.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार हैं.)          

 

 

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction