भारतीय सिनेमा में भगवान राम

May 22, 2021
सिनेमा
, , , , , , , , , , , , ,
0

मनोज भावुक

कोरोना काल में सबसे जादा कवनो टीवी सीरियल टीआरपी बटोरलस त उ बा रामायण आ महाभारत. 30-35 साल पहिले जब ई दुनों सीरियल आइल तब सबसे जादा टीवी बिकाइल. हमरा ईयाद बा चौथा-पांचवा में पढ़त रहनी. रोड प सन्नाटा छा जाव ए भाई जइसे लॉकडाउन में सन्नाटा छा जाला.

चइत महीना. चारो तरफ चइता में रामे राम गूँजेला ए रामा. रामजी के जनम के महिना ह. रामनवमी पर जन्मोत्सव होला. लोक में आ लोक गीत में राम त बसले बाड़े. मन भइल ह तनी सिनेमो में राम के देखल-समझल जाय. खोजल शुरू कइनी हं त अचरज में पड़ गइनी हं. पचास से बेसी फिलिम आ धारावाहिक बनल बा रामकथा पर.

राम पर 1917 में बनल पहिलका फिलिम लंका दहन

दादा साहेब फालके के नाम के नइखे जानत. राम पर पहिलका फिल्म उहे बनवले 1917 में. फिलिम के नाम बा ‘लंका दहन’. ई एगो मूक फिल्म ह. माने राम जी गूंग बाड़े….आ मजेदार बात ई बा कि एह में राम आ सीता के रोल एकही आदमी अन्ना सालुंके कइले बाड़न. फिल्म के जानकार लोग बतावेला कि भारतीय सिनेमा के पहिला डबल रोल फिलिम ‘लंका दहन’ में ही निभावल गइल बा.

चंद्रसेना’ 1931 में मराठी में आ 1935 में हिंदी में रिलीज भइल

1931 में प्रभात फिल्म्स मराठी भाषा में एगो फिलिम बनवलस ‘चंद्रसेना’. चंद्रसेना महिरावण के पत्नी रहली. महिरावण अउरी अहिरावण के मदद से रावण के बेटा इंद्रजीत राम लक्ष्मण के अपहरण करवा लेहलस. चंद्रसेना राम जी के भक्त रहली, एही से उ हनुमान जी के मदद कइली राम लक्ष्मण के पाताल लोक से निकलवावे में. एह फिलिम के वी शांताराम निर्देशित कइले. एह फिल्म में बढ़िया स्पेशल इफेक्ट के प्रयोग भइल बा, प्रोडक्शन कंपनी प्रभात फिल्म्स ओह बेरा नया तकनीक से फिल्म बनावे खातिर जानल जाव. 1935 में इहे फिल्म हिंदी में भी रिलीज भइल, ओही नाम से.

विजय भट्ट राम जी पर 12 साल में चार गो फिलिम बनवलें (19421954)

विजय भट्ट नाम के निर्माता-निर्देशक राम के ऊपर रचित वाल्मीकि रामायण से एतना प्रभावित भइलें कि उ चार गो फिल्म राम कथा के ऊपर बना देहले. उनके पहिला तीन गो फिल्म ट्रायोलॉजी में आइल. पहिला फिल्म रहे ‘भरत मिलाप’ जवन 1942 में आइल. एह में राम के रोल में प्रेम अदीब रहले आ सीता के रोल में शोभना समर्थ रहली. फिल्म के खूब लोकप्रियता मिलल. विजय भट्ट के फिल्मन के अबतक के राम पर बनल सिनेमा में सबसे उत्कृष्ट सिनेमा मानल जाला. विजय भट्ट के पोता विक्रम भट्ट आज के टाइम के मशहूर फिल्म निर्देशक बाड़ें. भरत मिलाप में राम के तीसरा भाई भरत के कहानी रहे जे राम के अनन्य भक्त रहलें आ राम के वनवास चल गइला के बाद उनसे एक बार मिले आइल रहलें.

भरत मिलाप के बाद फिल्म आइल 1943 में राम राज्य. जइसन कि नामे से पता लागत बा, ई फिल्म राम जी के आदर्श राज के इर्द गिर्द बनल रहे. फिल्म ओह साल के तीसरा सबसे ज्यादा कमाई करे वाला फिल्म बनल.

फेर साल 1946 में आइल, फिल्म राम बाण. रामबाण भी सफल भइल बाकिर ओकरा कुछ फिल्म- आलोचक लोग से कड़ा रिव्यू भी मिलल. फिल्म में राम के किरदार निभावे वाला कलाकार के डील डौल पर आ सीता के किरदार निभावे वाली अभिनेत्री के शारीरिक स्थिति पर प्रसिद्ध फिल्म आलोचक बाबूराव पटेल सवाल उठवलें आ ई सवाल ओह बेरा के मिडिया में खूब उछ्लल.

फेर लगभग 8 साल बाद आइल फिल्म रामायण (1954), जे में राम सीता के किरदार उहे अभिनेता निभवलें जे पिछला तीन गो में निभा चुकल रहलें मतलब राम के रोल में प्रेम अदीब आ सीता के रोल में शोभना समर्थ. ओह घरी ई जोड़ी ओइसहीं हिट भइल रहे जइसे अरुण गोविल आ दीपिका चिखलिया के जोड़ी रामानंद सागर के सुपर डुपर शो रामायण में राम सीता के रूप में हिट भइल रहे. इ फिल्म उत्तर रामायण काण्ड पर केंद्रित बा जवना में रामजी वनवास बिता के अयोध्या में अइनी आ जनता के दबाव में अपना गर्भवती पत्नी सीता के जंगल में भेज देहनी. ओही जी लव कुश के जन्म भइल आ पूरा कहानी ओही लोग पर केंद्रित बा.

एन टी रामा राव बनलें राम त फिल्म भइल सिल्वर जुबली (1958)

साल 1958 में तमिल भाषा में राम के सम्पूर्ण जीवन पर फिल्म बनल ‘सम्पूर्ण रामायण’. एह फिल्म में राम के रोल निभवलें साउथ के मेगा स्टार अउरी आंध्र प्रदेश के तीन बार के मुख्यमंत्री रहल एन टी रामा राव जिनके एन टी आर नाम से जानल जाला. ई फिल्म सिल्वर जुबली भइल आ 264 दिन ले पर्दा से उतरबे ना कइल. ई फिल्म 1960 में एही नाम से हिन्दी में डब भइल आ उत्तर भारत में खूब देखल गइल.

दक्षिण भारतीय भाषा में राम जी पर खूब फिल्म बनल 

तमिल भाषा के ‘सम्पूर्ण रामायण’ के बाद साल 1971 में तेलुगु भाषा में भी सम्पूर्ण रामायण नाम से ही फिल्म बनल जवन भगवान राम के जीवन गाथा देखवलस. एह फिल्म में राम के किरदार शोभन बाबू निभवलें. एकर निर्देशक बापू रहलें.

बापू के ही निर्देशन में साल 2011 में फिल्म बनल श्री राम राज्यम. एह फिल्म में नन्दमूरी बालकृष्ण राम के रोल निभवले बाड़ें, उ तेलुगु के सुपरस्टार हवें. फिल्म में सीता के रोल में नयनतारा बाड़ी जे दक्षिण के मशहूर हिरोइन हई. एह फिल्म के कहानी उत्तर रामायण कांड पर आधारित बा.

राम पर मल्टीस्टारर फिल्म बन रहल बा आदिपुरुष

एगो मल्टीस्टारर अउरी बड़ा बजट के फिल्म ‘आदिपुरुष’ बन रहल बा, जेकर निर्देशक बाड़ें ओम राउत. जे 2020 में मराठा योद्धा पर आधारित सुपरहिट फिल्म ताना जी बना चुकल बाड़ें. फिल्म आदिपुरुष में भगवान राम के किरदार प्रभास निभइहें आ सीता के रोल कीर्ति सैनन के मिलल बा. रावण के रोल में सैफ अली खान बाड़ें. ई फिल्म के निर्माण चल रहल बा अउरी 11 अगस्त 2022 में ई रिलीज होई. फिल्म हिन्दी अउरी तेलुगु में एके साथे शूट होई. एह में हॉलीवुड से वीएफएक्स टीम आई.

दंगल फ़ेम निर्देशक नितेश तिवारी राम पर तीन गो फिल्म के सीरीज लेके आ रहल बाड़े

हिन्दी फिल्म दंगल फ़ेम निर्देशक नितेश तिवारी आ रवि उदयवार रामायण पर तीन गो फिल्म के सीरीज बनावे वाला बा लोग, जवन 3डी में बनी. हालांकि 2019 के अनाउन्समेंट के बाद एह पर कवनो नया खबर नइखे आइल. एकर निर्माण हिंदी के अलावा तमिल आ तेलुगु में भी होई आ एकर निर्माता अल्लू अरविंद, नमिता मल्होत्रा आ मधु मेंटेना बा लोग.

भोजपुरी सिनेमा में राम नइखन

भोजपुरी भाषा में शायद राम के जीवन पर कवनो फिल्म नइखे बनल. हाँ राम के जीवन पर छोट-छोट वीडियो आ गाना एल्बम त खूब बा. भोजपुरी के लोक गीतन में राम हर जगह बाड़ें, सबसे अधिक रामलीला भोजपुरिये क्षेत्र में खेलल जाला बाकिर भोजपुरिया सिनेमा में राम के अनुपस्थिति अचरज में डालत बा.

रामकथा प आधारित बनल फिलिमन के एगो संक्षिप्त सूची –

  • लंका दहन (1917)
  • चंद्रसेना (1931)
  • रामायण (1954)
  • संपूर्ण रामायण (1958)
  • राम राज्य (1967)
  • संपूर्ण रामायण (1971)
  • सीता कल्याण (1976)
  • बजरंगबली (1976)
  • दसावतार
  • महिरावण
  • रावण (1984)
  • रामायणम् (1996)
  • भरत मिलाप (1942)
  • राम राज्य (1943)
  • . राम बाण (1946)
  • ब्रह्मर्षि विश्वामित्र
  • हनुमान पाताल विजय
  • हनुमान विजय
  • इंद्रजीत (सती सुलोचना)
  • कंचन सीता
  • लव-कुश
  • पादुका पट्टाभिशेखम्
  • रामजन्म
  • राम पादुका पूजन
  •  रामायणी
  • रुद्राक्ष
  • संपूर्ण रामायण (तीन खंड)
  •  सती अहिल्या
  • सीता-राम जन्म
  • सीता राम कल्याण
  • श्रीहनुमान चलिसा
  • श्रीराम भक्त हनुमान
  • श्रीराम राज्यम्

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction