हमरा देशवा के वीर जवान

October 12, 2021
कविता
0

रजनी रंजन

 

दे दिहले देशवा पर जान, हमरा देशवा के वीर महान
मनवा में देश प्रेम अँखिया में रोष भरी,चली दिहले सीना के तान

हो हमरा देशवा के वीर जवान

 

उ का जानें ओहीपार लोगवा, कब से लगइले बा घात हो
बात बे बात पे गोली दागे, सीमा सिहरे सारी रात हो
भारत माँ पर लाल नेछावर, होके रखलन मान हो
हमरा देशवा के वीर जवान

 

जब जब फोन के घंटी बाजे, धड़के जियरा हियरा काँपे

सुन के खबरिया पूत शहीद के, बूढी माँ हे राम के जापे

गोरी के चूड़ी ना बोले, ना रसघोले कान हो

हमरा देशवा के वीर जवान

 

सूनी गोद बा सूना अंगना, सूना सब संसार हो

सूनी अंखियां सूनी सेजरिया, छुटल सब सिंगार हो

आज दुलरूआ सुतल बारन, देके आपन बलिदान

हो हमरा देशवा के वीर जवान

 

 

सुन के खबरिया लाल के जान के, जियरा भइल दुई फाड़

तबहूँ मनवा गरब करत बा, झंडा ललन दिहले गाड़

जान गँवइले देश के खातिर, सभके बढा के सम्मान

हो हमरा देशवा के वीर जवान

 

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction