साउथ स्टार धनुष आ ऐश्वर्या रजनीकान्त के तलाक जइसन अउरो कई गो बा दर्दनाक कहानी

March 21, 2022
सिनेमा
0

मनोज भावुक

फिल्मी दुनिया में कुछ भी स्थायी नइखे, जइसे उ दुनिया कागज के बगइचा बा, ओसहीं उहाँ रहे वाला लोग भी कागज के फूल बा। जे में सुगंध से लेके सुंदरता तक सब नकली बा। जब कई कई साल पुरान रिश्ता के टूटल आदमी देखेला त दिल मसोस के रहि जाला। मन में टीस उठेला कि अइसन कइसे हो सकत बा। ई दुनू लोग त साथे बड़ा निम्मन से लउकत रहल ह लोग। हाल हीं में धनुष अउरी रजनीकान्त के बेटी ऐश्वर्या रजनीकान्त आपन 18 साल पुरान शादी के रिश्ता खतम करे के ऐलान कइल ह लोग आ ओकरा बादे से सभ प्रशंसक वर्ग में अउरी मीडिया में एही बात के चर्चा हो रहल बा।

फिल्मी दुनिया में अइसन पुरान पुरान रिश्ता टूटल कवनो नया बात नइखे। ई अक्सर होत रहेला। हालांकि एकर प्रतिशत हॉलीवुड में बहुत ज्यादा बा। उहाँ कब कवनो नामी चेहरा केहू के साथ गलबाहियाँ कर रहल बा, जिए मरे के बात कर रहल बा अउरी कब केहू अउरी के हाथ में हाथ डाल के घूमे लागेला, बुझइबे ना करेला। कम से कम भारत के सांस्कृतिक विरासत अउरी सामाजिक बनावट के लोग थोड़ा खेयाल भा लिहाज करेला, एही से जल्दी रिश्ता तूरे में हिचकिचाला। बाकिर जे तरे रिश्ता टूटे के आवृति बढ़ रहल बा, बुझाता भारत के भी इलीट भा अभिजात्य वर्ग कहाये वाला फिल्म इंडस्ट्री के लोग के हॉलीवुड से ढेरे प्रेरणा मिल गइल बा।

धनुष आ ऐश्वर्या रजनीकान्त के टूटल एतना पुरान रिश्ता के जइसन कुछ और फिल्मी रिश्ता के कहानी बा जवन कई साल सफलता से चलला के बाद टूट गइल। हालांकि अइसन बहुत साल पहिले से होत आ रहल बा। फिल्म के शुरुआती दौर में भी अइसन रिश्तन में टूट आ चुकल बा। धनुष साउथ के सुपरस्टार हवें। उ आपन करियर के शुरुआती दिन में रजनीकान्त के लइकी पर दिल हार गइलें आ उनका से बियाह कर लिहलें। दुनू जाना के लव स्टोरी भी बड़ा चर्चा के विषय रहे अउरी उ दुनू जाना के बीच के मधुर संबंध के अक्सर मीडिया अउरी लाइफस्टाइल पोर्टल उदाहरण के जइसन पेश करत आइल बा। एही के चलते जब दुनू जाना के बीच तलाक के खबर आइल बा त सभे शॉक में बा। धनुष के इंडस्ट्री में उनका अभिनय कला खातिर प्रतिष्ठा त बटले बा, उनके मेगास्टार रजनीकान्त के दामाद होखला के भी बड़ा इज्जत रहल बा। सभे एह कारण से भी उनके बड़ा मान देहले बा। ई बात बिल्कुल नकारे वाला नइखे कि धनुष के एगो बड़ प्रशंसक वर्ग उनके रजनीकान्त परिवार से जुड़ला के चलते भी चाहेला। जवन एह निर्णय के बाद उनका से जरूर नाखुश होई। अब एह ऐलान के धनुष के करियर पर कवनो विपरीत असर पड़ी कि ना पड़ी, ई भविष्य में पता चली।

अइसन ही एगो बिछुड़ाव साउथ के महान अउरी सहृदय अभिनेत्री सावित्री गणेशन के साथे भी भइल रहे। सावित्री के उतार चढ़ाव से भरल जिनगी पर एगो फिल्म भी बनल ‘महानती’(2019)। एह फिल्म के तीन गो राष्ट्रीय पुरस्कार भी मिलल। सावित्री तेलुगु आ तमिल के बहुत चर्चित अभिनेत्री रहली आ उनके नया पीढ़ी में भी बड़ा इज्जत रहल बा। उनके इंडस्ट्री में सबसे पहिले स्पॉट कइले रहलें साउथ के हीरो जेमिनी गणेशन। जेमिनी के चलते उनके फिल्मन में ब्रेक मिलल आ ओकरा बाद दुनू जाना अपना करियर के शुरुआती फिल्म साथ में कइल लोग। सावित्री के आँख आ हाव भाव के लोग एतना दीवाना रहे कि उ देखते देखते अपना टाइम के सुपरस्टार हीरोइन लोग के पीछे छोड़ के खुद सबसे बड़ अभिनेत्री बन गइली। उनके जेमिनी से प्यार हो गइल जबकि उ पहिले से शादीशुदा रहलें अउरी दू गो बेटी के बाप। दुनू जाना के बीच प्यार बढ़ल त बियाह कर लिहल लोग आ साथे रहे लागल लोग। बाद में सावित्री के दू गो संतान भी भइलें। सब कुछ बढ़िया चलत रहे तले एगो अइसन समय आइल जब जेमिनी गणेशन सावित्री के सफलता से असुरक्षित महसूस करे लगलें। उनके पहिले भी शादी में अफेयर रह चुकल रहे। सावित्री के साथ भी शादी के बादो अफेयर रुकल ना। ई एक बार सावित्री के पता चलल आ दुनू जाना के रिश्ता टूट गइल। ई रिश्ता 16 साल बाद टूटल रहे। एकरा बाद सावित्री बहुत बुरा तरे टूटली अउरी फेर कबो उभर ना पवली। उ शराब के लती हो गइली आ फेर सब धन दौलत बर्बाद हो गइल। 45 के उमिर में सवित्री गणेशन एह क्रूर दुनिया के छोड़ देहली।

अइसने एगो लमहर रिश्ता टूटल रितिक रोशन अउरी सूजैन के। दुनू जाना बचपन से एक दुसरा के जानत रहे लोग बाकिर जवान भइला पर एक दुसरा खातिर प्यार जवान भइल। फेर दुनू जाना 2000 में बियाह कर लिहल लोग। रितिक तबे फिल्मन में डैब्यू कइले रहलें। दुनू जाना के देहि से दूगो बेटा भी भइलsसन। बाकिर ई प्यार के रिश्ता 2013 में अपना अंजाम पर आ गइल अउरी दुनू जाना अलग होखे के घोषणा कइल लोग। 14 साल के रिश्ता खतम हो गइल। कारण पता चलल कि रितिक काइट्स के हीरोइन बारबरा मोरी के नजदीक हो गइल रहलें। एने सुजैन अर्जुन रामपाल के करीब होत रहली। खैर दुनू जाना अभियो एक दूसरा से संपर्क में बा लोग पूर्व पति पत्नी के रूप में। बाकिर शादी जइसन खूबसूरत रिश्ता खतम हो गइल।

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction