भगवान छपरफार

March 21, 2022
आलेख
0

प्रकाश उदय

॥ सुनला प लागे कि सुनत जवन बानीं तवन केहू से कहियो कुछ सुनले कहीँ बानीं त अहोभाग, लागे कि सुनले जवन बानीं तवन एहू से सुनिए के मानीं, अबकियो, एजुगियो, त अहोअहोभाग… ॥

बादशाहूदीन बादशा के बादशाही में जहाँ कहऽ तहाँ, जतना कहऽ ततना, अमन कहऽ अमन, चैन कहऽ चैन। बादशाहूदीन बादशा जेके चाहें कि डेराय, का मजाल कि ऊ ना डेराय ; जेके चाहें कि ना डेराय, का मजाल कि ऊ डेराय।

त एक दिन के बात कि बादशाहूदीन बादशा के मन में आइल कि अहेर करे जाईं। कहला के कवन कहे, चहला के देर, कि मंत्री-संत्री सब तइयार, फौज-फाटा सब तइयार। बादशा से पुछाइल कि नया जंगल बनावल जाय, नया जनावर जुटावल जाय कि पुरनके से काम चलावल जाय ? बादशा अपना एक अँगुरी में धइलन कि नया जंगल बनावल जाय, नया जनावर जुटावल जाय, एक अँगुरी में धइलन कि पुरनके से काम चलावल जाय आ जिन्ह पुछले रहन कि नया जंगल बनावल जाय, नया जनावर जुटावल जाय कि पुरनके से काम चलावल जाय, उनुके के अँगुरी धरवलन। ऊ आँख मून के जवन अँगुरी धइलन, तवना से पता चलल कि नया जंगल बनावल जाय, नया जनावर जुटावल जाय।

त मंत्री-संत्री कहलन कि ठीक बा सरकार, दस-बिस साल देल जाय, दस-बिस लाख दियावल जाय, कि नया बनावल जाय, नया जुटावल जाय। बादशा अपना खजाना में झँकले त दस-बिस लाख त एहू सनूक में, ओहू सनूक में, दस-बिस साल ना एह सनूक में ना ओह सनूक में। त बादशा ओह दस-बिस-साल-लगवइया, दस-बिस-लाख-लगवइया अँगुरी के धरवइया के दस-बिस कोड़ा के सजाय तजबीज कइले आ अबकी जब अँगुरी धरवले त बताऽ के कि कवना अँगुरी में नया बनावल जाय, नया जुटावल जाय, कवना अँगुरी में पुरनके से काम चलावल जाय। त आँख खोल के अबकी जवन अँगुरी धरवइया धइलन तवना से पता चलल कि पुरनके से काम चलावल जाय। बादशा अबकी उनुका के दस-बिस लाख के इनाम-इकराम तजबिजले आ अहेर करे चल दिहले, बिना ई बतवले कि पहिले कवन दिआय, दस-बिस कोड़ा के सजाय, कि दस-बिस लाख के इनाम-इकराम। देनिहार कहले कि पहिले दस में बीस जोड़ के सजाय देब, तब बीस में से दस घटाऽ के इनाम। लेनिहार कहले कि पहिले दस में बीस जोड़ के इनाम लेब, तब बीस में से दस घटाऽ के सजाय। देनिहार कहले कि फोकट में ? लेनिहार कहले कि अँइसे कइसे कि फोकट में, हमार कवनो ईमान-धरम नइखे ?! दूनो जना अपना-अपना फेंटा में से आपन-आपन ईमान आ आपन-आपन धरम निकलले आ मोल-भाव में लगले।

ओने अहेर में, राजा आगा-आगा, फौज-फाटा पाछा-पाछा, जंगल के जनावर सब आड़ा-अलोता। एक दिन बीतल, दुसरको दिन बीतल, तिसरको बीतल। तरकस में धइल-धइल तीरलोग लागल मुर्छाय, मियान में धइल-धइल तरुआरलोग लागल मुर्चाय। ई मुर्चाइल जब खुदा मियाँ से ना सहाइल त आड़ा-अलोता लुकाइल एगो हरिना के हर लेले मति। नया-नया जवान भइल हरिना चौकड़िया मारे खातिर लागल छेरिआय। बाप-मतारी समझवले, भालू-बाघ से डँटववले, ना मानल, बीच राह में मारे लागल चौकड़िया। बादशा के नजर परल, घोड़ा धउराऽ देले। बादशा के बरोबरी भला फौज-फाटा कइसे करी, जतने राजा पीछा करत जायँ, ततने फौज-फाटा पिछुआइल जाय। कोस भर गइले राजा, तले मामा सियार के सलाह से, दोसर एगो हरिना अपना के दहिने लउकाऽ देलस। दहिनवारा के पाछा कोस भ धउरले राजा, तले तीसर एगो हरिना अपना के बाँए लउकाऽ देलस, बँयवारा के पाछा राजा कोस भ धउरले तले चउथा एगो दहिने, ओकरा देने कोस भ धउरले तले पँचवा एगो बाँए। त धउरत-धावत घोड़ा मने-मने कहले कि परवरदिगार ! भूले से, भटके से, कवनो जो पछिला जनम में, हम रहुँईं बादशा आ ई रहुए घोड़ा, त आज, एकरा के, जतना मन ओतना भगावे द, हमरा के भागे द, बाकिर, ना रहे पहिले जो अइसन, त भूले से, भटके से, कवनो जो अगिला जनम में, हम होईं बादशा आ ई होय घोड़ा, त अपने तू रहिहऽ भा हो जइहऽ गायब, बाकिर, भगावे भ, भागे भ जंगल त कम-से-कम, रखिहऽ तू कायम !

बादशा पसेने-पसेन, घोड़ा फेने-फेन। फौज-फाटा के कहीं अता-पता ना। हरिना — पहिलको, दुसरको, तिसरको, चउथको, पँचवो — हेन्ने गइले कि होन्ने गइले, का पता केन्ने गइले ! अब त बदशहवो से, घोड़वो से, भूख कहे कि हम्हीं हतब, पियास कहे कि हम्हीं ! रस्ता कहे कि हम मिलबे ना करब। बाकिर जब केहू ना, कुछुओ ना आवे काम, तब जे कामे आवे ऊहे अल्लाह, ऊहे भगवान। ऊ बाघ बन के अइले आ रस्ता देखइले। ओहर बाघ लउकले, एहर घोड़ा बिदक के चलले भाग। एह भगला में बादशा के बड़ी बेइज्ती रहे, बाकिर एक त कि केहू एह भगला के देखवइया ना, दोसरे कि बादशा अपने त भागत ना रहन, भागत त रहे घोड़ा, आ तिसरे कि भगला में राह-रस्ता मिलत गइल आप से आप, आ चउथे आ पँचवे कि भूख बिलाऽ गइल, पियास हेराऽ गइल।

भला भइल कि ए भगला में जंगल छूट गइल। जब दुचार कोस छूट गइल त घोड़ा के भहराइल बादशा देखले, बादशा के भहराइल घोड़ा देखले, तीसर केहू ना देखल। जले बेहोश रहल गइल तले बेहोश रहल लोग, जब ना रहल गइल त आपन भूख-पियास के लेले-देले ठाढ़ भइल लोग। ठाढ़ भइला के बाद जले घोड़ा चरत रहले, बादशा हहरत रहले। हहरत-डहात, मने-मने कहले कि परवरदिगार ! भूले से, भटके से, कवनो जो पछिला जनम में, हम रहुँईं घोड़ा आ ई रहुए बादशा, त आज, एकरा के, जतना मन ओतना चरे द, हमरा के हहरे द, बाकिर, ना रहे पहिले जो अइसन, त भूले से, भटके से, कवनो जो अगिला जनम में, हम होईं घोड़ा आ ई होय बादशा, त अपने तू रहिहऽ भा हो जइहऽ गायब, बाकिर, चरे भ, हहरे भ हरियरी त कम-से-कम, रखिहऽ तू कायम !

त जवन परवरदिगार घोड़ा के घास लहववले ऊहे परवरदिगार बादशा के देखवले कि दूर दक्खिन देने धुँआ उठत बा। केहू त मिली उहाँ, ईहे सोचत, आ केहू त मिले उहाँ, ईहे मनावत बादशा जब उहँवा पहुँचले त पवले कि एगो खेत बा, खेत के आर बा, खेत में सुस्तात दुगो बैल बा आ आर प सुस्तात एगो बंदा हरवाह बा। घइला में पानी बा आ खाय के तइयारी बा आ चिलम प चढ़े खातिर आग धुँआत बा। पानी देखते पियास बुझाइल कि बादशा के उठाऽ के पटक दी, रोटी देखते भूख बुझाइल कि सँउसे बादशाही गटक ली। चहले कि माँगीं त माँगे ना आइल, चहले कि हाथ पसारीं त हाथो पसारे ना आइल। बादशा के पहिला बेर बुझाइल कि मदरसा के उस्तादलोग उनुका के जवन पढ़ावल, जवन सिखावल तवन सब कुछ अनेर, कूड़ा के ढेर। घोड़वा देखलस त हींक भ हँसल हिनहिनाऽ के कि कइसन कुपातर करमहीन बदशहवा ई सरवा कि एकरा माँगहूँ के लूर ना, हाथो पसारे के सहूर ना। अघाइल घोड़ा के हिनहिनात हँसी भुखाइल बादशा के सहले ना सहाइल। मारे खीस के एँड़ी से मूँड़ी ले कँपकँपात, मारे पित्त के भितरी से बहरी ले पितपितात, जनाइल जे पछाड़ खा के, पिछवड़िए, अब गिरले, तब गिरले, तले अइसन बड़का अगमजानी ऊ बंदा हरवाह कि धउरल आ गिरत बादशा के अँकवारी में ध के खेत के आर प बइठाऽ देलस। बइठाऽ के, अइसन बड़का बैद ऊ बंदा हरवाह, कि ना नाड़ी प अँगुरी धइलस ना लिलार प तरहत्थी, आ बिना कुछ बतवले बूझ गइल कि बेरमिता के कवन बेरामी, आ तवना बेरामी के कँउची दवाई। अधध सेर के दूगो बजरा के रोटी में से एगो उठवलस आ चुटकी भ नून में से चुटकी भ नून आ आठ परत पियाज में से चार परत पियाज के साथे बेरमिता बेचारा के हाथ में दवाई के पहिला खोराक बनाऽ के धइ देलस कि ए बाबू खा ल, राम चहिहें त राम हो जाई — मुँह में रखते, चहु त परते, कंठ से उतरते। बादशा के उस्तादलोग में से केहू ना सिखवले रहे रोटी के हाथ प राख के, नून में बोर के, पियाज के दाँते से काट के खाय के, बाकिर का, कि खइले त खवाऽ गइल,  मेटा में मुँह लगा के जब पियले पानी त पियाऽ गइल, आ इहाँ तक कि दवाई के दोसरका खोराक त बिना बैद बंदा हरवाह के दिहले, अपने से उठाऽ के अइसन चापुर-चापुर चबा के खाय उनुका आ गइल कि ओह चपर-चपर-चापुर-चपुरहट के सुन के बंदा हरवाह त बंदा हरवाह, घोड़वो के मिजाज गनगनाऽ गइल।

बजरा के अधध सेर के एक-प-एक दू-दू गो सँउसे-सँउसे रोटी खइला आ मेटा भर पानी घेंटा भर पियला के बाद बादशा देह झार के ठाढ़ भइले, सके भर मुँह बा के ढेंकरले आ ढेंकरले त अपना एह ढेंकरला में उनुका साज-संगीत के सकल सुर-ताल-झनकार एक्के साथे सुनाइल। तवना के बाद जब भर नजर दुनिया-संसार-ओर तकले त पवले कि ई एगो नवके दुनिया, नवके संसार। चहचह-महमह-गहगह। बाकिर, एही झोंक में जब ऊ बंदा हरवाह के देखले त पवले कि ऊ त माथे हाथ हाथे गाल ध के बइठल बाड़े। पुछले कि ए भाई, का बात, कवन अइसन आफत, कवन अइसन बीपत, हमरा से बतावऽ, हम बादशाहूदीन बादशाह, चाहीं त पल में पहाड़ दीं ढाह, चाहीं त पल में पहाड़ करीं खाढ़। त कहले बंदा हरवाह कि भुक्खड़ तुनाहीं, दुन्नो-के-दुन्नो हमार रोटी भकोस गइलऽ, एक्को कवर हमरा खाती छोड़लऽ ना, अब गोहट के मारी, तोहार बाप कि मतारी ? त बादशा निकलले तरकस से तीर, मियान से तलवार, कि तू हमार पकिया इयार, बतावऽ कहँवा बा गोहट, तीर से मार के, तलवार से गुरिएगुरी काट के, पोरसा भर जमीन में गाड़े खातिर बानीं तइयार…। बंदा हरवाह हरान-हलकान कि ना आँख के देखल ना कान के सुनल अइसन कवनो बुड़बक-बउराह कि गोहट मारे खातिर तीर-तलवार लेके ठाढ़ ! सोचले कि ना एकर पगलेटई छोड़ाइब त एकरा बाप-मतारी के कवन मुँह देखाइब ! त कहले कि हे हो, हई नौटंकी के लाल-पियर कपड़ा उतारऽ, हा ल अँगौछी, करिहाँव में बान्हऽ, तीर-तलवार के फेंकऽ फरदाँवा, कुदारी उठावऽ आ हमरा पाछा-पाछा आवऽ…।

बादशा जब अचकन-पचकन जोड़ा-जामा जिरह-बखतर उतरले त जनले कि उघार देह के छू के जवन बहेला, तवन एगो दोसरे बयार। हहरल हियाव, हींक भ एह आ-हा-हा छुअहा बयार में नहइले। खाली गोड़े फिल्ली भर पाँकी-पानी में उतरले त अपना दरबार के गुलगुल गलइचा के मने-मने गाँज भ गरियवले। बंदा हरवाह पहिले त अपने गोहट मार के बतवले कि हँइसे, आ हँइसे ना हँइसे, तब कुदारी थम्हवले कि ल, लाग जा, गोड़ बचाऽ के, हाथ बढ़ा के…।

बादशा पहिला छेव मरले त छप से सुनाइल। अचंभा में पर गइले कि अइसन बाजा त आज ले देखलीं ना, अइसन बाजल त आज ले सुनलीं ना। त तन-मन दूनो लगाऽ के लगले बजावे। लगले बजावे त आर प बइठल बंदा हरवाह लगले गावे। सात दिन असहीं गावत-बजावत बीतल। बादशा अपना के हर-हेंगा खुरुपी-कुदार सब प अजमवले, सातो दिन दिन-दिन भ पसेने नहइले, साँझ-बिहान हचक के खइले आ अतना सराह के खइले ऊ अपना भउजाई के हाथ के बनावल कि उनुका के उनुकर भउजाई, बंदा बो हरवाहिन, सातो दिन एक रोटी अधिके खियवली, अपना सवांग से। आ तवना के बाद, खरहरे खटिया प सुतले त हाय हो राम, एक्के सुतान अनगुत्ते उठान !

बाकिर का, कि घोड़ा हलकान। सातो दिन पाँचो बखत घोड़ा के एक्के कहनाम कि या अल्लाह, भला कि हमरे के घोड़ा बनवलऽ, बदशहवे के बनवलऽ बदशाह ! सातो दिन पाँचो बखत घोड़ा के एक्के कहनाम कि परवरदिगार, जइसे बदशहवा के, हमरो के सरवा ई बंदा हरवहवा, अद-बद के हर में, हेंगवाही में कहियो मत नाधे !

घोड़वा देखलस कि बदशहवा के खेती-किसानी के सवख बढ़ियाइले जाता, बढ़ियाइले जाता बजरा के रोटी आ नीमक-पियाज से नाता, गहिराइले जाता बंदा-बादशाव के इयारी, त लागल साँझे-बिहाने दुपहरिए-अधरतिए हिनहिनाय। बादशा के बाकिर, ऊ हिनहिनाइल, ना साँझे-बिहाने सुनाइल, ना दुपहरिए-अधरतिए सुनाइल। ना सुनाइल, त सतवाँ दिने होत बिहाने जवन हिनहिनान घोड़ा हिनहिनइले तवना में उनुकर आपन हिनहिनाइले ना रहे खाली, ईहो रहे कि गोतिया-देयाद के हाथे बदशहवा के राज-पाट अब लुटाइल कि तब लुटाइल, ईहो रहे कि अलनिया बेगम हेन्ने ढिमिलाइल, फलनिया बेगम होन्ने ढिमिलाइल, कि मंत्री-संत्री सभकर ईमान अब बिकाइल कि तब बिकाइल !

त अबकी के हिनहिनाइल बादशा के कान से करेजा ले हेल के सुनाइल। कहले कि भाई हो बंदा हरवाह, इयारन के इयार, अब त हम रहे ना पाइब, जाइब। बंदा कहले कि भैवा रे, बोलवला से त आइल ना रहले त रोकला प रुकबे तें कइसे ! हम के आवे वाला के आइल रोके वाला, जाए वाला के जाइल रोके वाला ! अतने रहे कि रह-सह के जइते त बाल-बच्चन खातिर चूरा-चाउर कुछ लेले जइते…। ईहे बा कि ई कुल्ह त अइसन चीझ कि देह-जांगर जहँवे चलइबे तहँवे पइबे। कहले कि नाम तोर बादशा, से त ठीक, बाकिर ई ना कि नामे के नीचे जँताऽ जाय मनई। ई का कि नाम धराइल बा बादशा त अन-मन उन्हनिए-अस घूमल जाय घोड़ा प चढ़ के, फेंटा में बन्हले तलवार, पीठ प तरकस, हाथ में धनुही ! हमार बात मनबे, आ अरियात-बरियात में किराया प चलइबे ई घोड़ा, ई तीर-तरुआर, ई जोड़ा-जामा, त हमरा त बुझाता कि एहू से खाय भ कमइबे…।

बादशा मूँड़ी गोत के सब सिखवन सुनले। जात-जात कहले कि तब्बो ए साथी, कब्बो जो कवनो सकेता में परिहऽ त दिल्ली-ओर अइहऽ, केहू से पूछ लीहऽ नाँव, नून के सैरियत चुकावे के इचिको जो पून हम पाइब त माथे चढ़ाइब…। हँसले सुन के बंदा हरवाह कि मितवा, बुझाता कि नाम के घून तोरा भितरे ले घूस के बइठल बा, ना त तेहीं बताव कि नून त आइल बा समन्दर से, कवन कहीं कि हमरा अंदर से ! त सैरियत चुकावल जे चाहे से लंका-दुअरिका ले जाय, चुकावे। हमरा त पास, एह सात दिन के संगत प, तोरा खातिर बस एक्के गो चीझ — दुलार। लेबे त ले, आ जो। त कहले बादशा कि दे दें। त बंदा हरवाह उनुका पीठ प घोंय-घोंय धइले दुइ हाथ, ध के ऊहो डबडबइले, धरवाऽ के बादशाहो डबडबइले। घोड़ा बाकिर मउज में आ गइले। सोचले कि बदशहवा के पीठ प दुचार घोंय अवरू जब हो जाय, तब्बे अब इहँवा से आगे बढ़े डेग। खुदा मियां के घरे ना देर ना अन्हेर। बंदा हरवाह के हाथ-हरमुठाह के अगिला घोंय घोड़वा के अपने पीठ प आइल, आ दुसरका आइत, एकरा पहिलहिंए ऊ सामकरन घोड़, आन्ही से ले लिहले होड़…।

दिन बीतल दिने भ में, महीना के बीतत महीना भ लागल, साल भ लागल साल के बीते में, आ साले भ में ओह साल के बितला साल भ हो गइल। एकरा बादो, ना दिन आपन बीतल छोड़लस, ना महीना आपन, ना साल आपन। बाकिर, ना जानीं कि कतना दिन, कतना महीना, कतना साल के बाद एगो अइसन साल आइल जवना साल असाढ़-सावन त बरिसल भादो ना बरिसल। तवन साल बीतत-बीतत बीतल। अगिला साल असाढ़ त बरिसल, सावन-भादो ना बरिसल। तवन साल बितावत-बितावत बीतल। अगिला साल बाकिर, ना असाढ़-सावन बरिसल, ना सावन-भादो बरिसल। तवना साल दिन बीते तब त महीना बीते, महीना बीते तब त साल बीते ! बंदा हरवाह बैलन के खूँटा से खोल देले कि मनइन के त अपना घर-परिवार से बन्हाऽ के मुँअही के बा, तोनहन के त कम से कम, मूँए खातिर त कम से कम, छुट्टा मैदान मिले ! जात-जात बाकिर, दहिनवारा बैल कहले बँयवारा के सह पा के, कि बंदा बउराह, अपना इयरवा बदशहवा के भुला गइलऽ का कि का कहले रहे… कहले रहे कि कब्बो जो कवनो सकेता में परिहऽ त दिल्ली-ओर अइहऽ, केहू से पूछ लीहऽ नाँव, नून के सैरियत चुकावे के इचिको जे पून हम पाइब त माथे चढ़ाइब…।

त कहले बंदा हरवाह कि ई ऊ कहले रहे त हम का कहले रहीं तवन भुलाऽ गइल का ! त कहली बंदा बो हरवाहिन कि खेतिहर खातिर त, की त खेत, ना त मैदान। त देस के खेत में त एसों कुछ बा ना, त जा, दिल्ली के मैदाने में जा। त कनमनइले बंदा हरवाह कि जइसन बेचारा ऊ बादशा, तइसने त होई ओकर दिल्ली आ दिल्ली के मैदान ! जोड़ा-जामा कस के, तीर-तरुआर में फँस के, बहुरुपिया-अस सज के, आ घोड़ा प चढ़ के, दू रोटी खातिर देस-देस मारल फिरल जवन ऊ बेचारा बादशा, सेकरा दुआर प, केहू बतावे कि वाजिब बा का, एह अकाल-दुकाल में, हमरा-अस आन-अनगँइया के जा गिरल ? त कहली बंदा बो कि ऊ आके गिरल रहे का ? त कहले कि ना। त कहली कि आन के मान के खेत में खटल रहे का ? त कहले कि ना। त कहली कि ऊ ना गिरल त तू काहे गिरबऽ ! ऊ ना मनलस जब आन-अनगँइया, त तू काहे मनबऽ ! ओकरा खटत लाज ना त तहरा खटत लाज का ! जहाँ खटत होई खट लिहऽ, जहाँ थाके-थहराय तहाँ सम्हरिहऽ, जहाँ थकिहऽ थहरइहऽ तहाँ सम्हारे त सम्हारे दिहऽ। इहँवा त ‘ना’ बा, उहँवा, के जाने होखे कुछ ‘हाँ’, त होखे भा ना, बाकिर होखी, एतने के असरा में जा। आ हमरो के असरा धराऽ के तू जा। जा, कि बालू-ह-जानि-के-झँउरि-मरे-हरिना, तवना से नीमन कि पानी-ह-मानि-के-धउरि-मरे-हरिना… !

बाकिर का, कि बंदा हरवाह जब जतरा प चलले, बंदा हरवाहिन के रोआई, बुझाइल कि ओरियइले ना ओराई। सुनले त बंदा चउकठ ले जा के लवट अइले। त बंदा बो के फेरू से परल समझावे कि हो सँइया, बालू-ह-जानि-के-झँउरि-मरे-हरिना, तवना से नीमन कि पानी-ह-मानि-के-धउरि-मरे-हरिना… ! त कहले कि सहात नइखे बाकिर, तहार रोआई, त कइसे जाईं ! त कहली कि जइसे हमरा खातिर, ओसहीं तोहरो खातिर, रोआई, नाहिंए सहइला के दवाई। त रो ल, बाकिर का, कि खेत-ओर पीठ करऽ, कुरुखेत मुँहे हो ल। त बंदा हरवाह खेत-ओर पीठ कइले, कुरुखेत मुँहे हो गइले।

अब जब चल देले बंदा हरवाह, आ चलते रहले त आज भा हप्ता दस दिन बाद, जहाँ पहुँचे के रहे तहाँ कहियो-ना-कहियो त पहुँचहीं के रहे। त कहिया पहुँचले, ई त पता ना, बाकिर जहिया पहुँचले, तय बात कि तहिया पहुँचले। पहुँचले त हप्ता दस दिन त चिहाते-सिहात बीतल। बाकिर, केहू कतना दिन चिहाई, कतना सिहाई ! खाली चिहइला-सिहइला से कहिया ले पेट पटाई ! बाकिर, ईहो कवनो कम चिहाय लायक थोरे कि पेट पोसाय में खास कवनो दिक्कत ना दिल्ली में, जेकर बोझा उठा दें, ऊहे कुछ-ना-कुछ धराऽ दे। बाकिर, बंदा हरवाह के एक दुख ईहो कि उनुकर भरलो रहे पेट, आ ऊ कहबो करें कि कुछ चाहीं ना, तब्बो, जेकर बोझा उठावें ऊ जबर्दस्ती कुछ-ना-कुछ पकड़ाऽ दे। केहू मनबे ना करे कि केहू केहू के बोझा असहूँ उठावेला, उठवला खातिर अलगा से कुछऊ ना चाहेला, जवन पावे के होला, ओही उठवला में पा लेला। कहियो कहबो कइले केहू से कि भइया रे, हमरा कुछ चाहीं ना बदला में…। सुनले त भइया-रे सकपकइले कि भला अँइसे कइसे कि कुछ चाहीं ना बदला में ! त बतवले बंदा कि बात बस अतनवे कि सकेता में देखलीं हा तहरा के, त देख के रहाइल ना हमरा से। सुनते ऊ भइया-रे उठावल बोझा पटक के भड़क गइले कि तोरा बेमतलब के मदद के जरूर-से-जरूर भितरिया कवनो मतलब बा, कुछ-ना-कुछ साजिश बा एम्मन, कवनो-ना-कवनो खटजंतर बा ! का बा बता दे, ना जो बतइबे त थाना पहुँचाइब, उल्टा लटकवाइब, डंटा से पुछवाइब। बंदा हरवाह हलकान कि कइसन कुदेश ई दिल्ली ! कि कइसन बउराह बदशहवा कि आन बसल इहँवा, अइसन कुजगहा ! बाकिर का, कि आज त बदशहवे बचवलस बंदा हरवाह के जान। दूनो हाथ दसो नोह जोड़ के बतवले कि हे हे हे हे भइया-रे, हमरा बेमतलब ए मदद के, एक इहे मतलब, कि बदला में रुपया ना, पइसा ना, हमरा के हमरा बिछुड़ल संघतिया से कसहूँ मिलवा दे। पुछले कि का नाँव तोहरा संघतिया के ? बंदा बतवले कि बादशा। सुनले त अवरू तनतनाऽ गइले भइया-रे कि का रे, हम थाना के ले लिहलीं नाँव, त बदला में तें हम के एक्के बे बादशा के देबे भौकाल ?! फटहा धोती आ लटहा बबड़ी के अइसन ! अतना !! अतहत औकात !!! बंदा बतवले कि ना-ना-ना भइया-रे, बादशा त बस ओकर नाँव ह, ऊ त बेचारा बस नाटक-नौटंकी के सवखल इन्सान, बजरा के रोटी पियाज खाती ललचत आ हरवाही-हेंगवाही-कुदरवाही में निकहा फरहर…।

भला अइसन कवन बादशा… भइया-रे लगले इयाद पारे। उठ के परले इयाद, बइठ के परले इयाद। ओठंग के परले इयाद त परल इयाद कि हो-ना-हो, फलनवा के पूत चिलनवा…। ऊहे नौटंकी के अइसन रसिया कि बापो से बोले त बोले कि ‘हे बाप’, माइयो के ‘हे माई’ कह के बोलावे। ऊहे कि एक बात एक डेग अगवढ़ बढ़ के बोले, त एक बात बोले पिछवड़ हट के, ऊहे कि हाथ से बतावत, मुँह से बतियावे। ऊहे कि एक बे बादशा बन के उतरल नौटंकी में त अतना जमल, अतना जमवलस कि तहिए से बाश्शा-बाश्शा लागल कहाय। कहीं ऊहे त ना ? त भइल कि कवन ठेकान ! त भइया-रे बंदा के हाथ धइले, धइले-धइले बाश्शा किहाँ पहुँचइले। बाश्शा के देख के बंदा जब मुँह बिजुकवले कि कहाँ हमार बादशा सजीला-गठीला आ कहाँ ई बाश्शा मरगिल्ला, त बाश्शा अँइसे कि जइसे गिड़गिड़ाऽ के कहले कि तनी आगा-पाछा होके निरेखऽ, तनी दहिने-बाएँ होके देखऽ, के जाने हमहीं होखीं, ना जादे अधिका त थोरहूँ-थोर ! बंदा बात मनले, आगे-पीछे होके देखले, दहिने-बाएँ होके निरेखले आ बतवले कि ना हो, तू त ऊ केनियो से इचिको भ हइए ना हउअ, ना अधिका ना थोर। सुन के ई बाश्शा, अइसन जब बित्ता भर मुँह लटकइले कि जइसे कि टूट गइल उनुकर पुरान कवनो आशा, गुनावन में पर गइले बंदा हरवाह, कि कइसन ई कइलीं अनजानल-अनचाहल अपराध। त हँसले ठठाऽ के अचक्के में बाश्शा कि धत् मर्दे, हमरा खातिर त का आस आ का निरास — सब-के-सब निछुने नाटक ! तू बाकिर मत होखऽ इचिको हलकान, बादशा इयार तहार जो ना भेंटइले, त बूझऽ जे नया एगो बन गइले बाश्शा इयार। जवन रूख-सूख खाइब तवन तोह के खियाइब आ तोहरा के तोहरा बादशा इयार से मिलवाइब।

शुरू भइल जोहाई। बंदा के बतवला मोताबिक, लागल जोहाय कि कवन अइसन बादशा कि जवना किहें आपन, निज के, लाम-लहकार बरियार एगो घोड़ा। जोह पहुँचल तीन गो इकवान किहाँ, दू गो साईस किहाँ। एगो त अइसन बादशा भेंटइले जिनिका किहाँ एगो घोड़ा के के कहो, सैंतीस गो गदहा प ईंटा ढोआय। कहले कि भले हम ना निकलनीं तोहार वाला बादशा, बाकिर चाहऽ त दू गदहा ले ल, आजे से लदनी में लाग जा, अधिका अपने कमाऽ, तनिका हमके कमवावऽ। त कहले कि काहे ना कमाइब, काहे ना कमवाइब, बाकिर तब जब अपना हम भाई बदशहवा के पा जाइब। कहबऽ त ओकरो के लिवा आइब, जवन घोड़ा धउरावे में माहिर, सोचऽ कि कइसे ना होई ऊ गदहा चलावे के काबिल !

बंदा के बतवला मोताबिक जब लागल जोहाय कि कवन अइसन बादशा कि जवना के जोड़ा-जामा लाल पियर हरियर लहरदार, त जोह जाके  धोबघाट पहुँचल, जहाँ धोबी के एगो, एगो लरिका नादान, अमीर-उमरा कवनो गाहक के, रंग-बिरंग कवनो कपड़ा जो पावे, त जले अपने ना हबेखे दुचार दिन, दुचार दिन अपने ना पहिरे, पहिर के जले दुचार हितई घूम-टहर ना आवे, तले टरकावे कि अभी त धोआइले नइखे, अभी दरकचात बा, अभी पसरात बा, लोहा दियात बा, तहियावल अभी बाकी बा। तवन लरिका नादान, जले पहिरले रहले अनकर रंग-बिरंग, तले त अड़ल रहले कि हमहीं तहार ऊ बादशा इयार, बाकिर जब बंदा हरवाह ना पतियइले त नाहिंए पतियइले, त अनकर रंग-बिरंग उतार के, असल आपन बदरँग ऊ अइले पहिर के, आ कहले कि भले हम ना भइलीं तहार ऊ असली बादशा इयार, बाकिर हमरा किहाँ बाटे, उनुका से तहरा भेंटाय के पक्का उपाय, कहऽ त बताईं। त भइल कि बताईं। त कहले कि तब्बे बताइब जब तीन रेख खींच के किरिया खइबऽ कि हमार अनकर रंग-बिरंग पहिरला के बात केहू अउर से कबो ना बतइबऽ। त तीन रेख खींच के किरिया खइले कि केहू पूछी ना, त बताइब का ! तब जाके बतवले ऊ लरिका नदान ऊ पक्का उपाय। कि किला मैदान में आजे साँझ के निकली बादशा बहादुर के जलूस। फतह के सलाना तिउहार। सँउसे दिल्ली उपट परी देखे। किला के दुआर प उँचास प तू हो जइहऽ ठाढ़। सभ देखी बादशा बहादुर के, तू देखनिहारन के देखत रहिहऽ मूँह। तहार इयार, होइहें इहँवा त अइहें जरूर। की त तूहीं लेबऽ चीन्ह, ना त ऊहे लीहें चीन्ह।

आ ना अइहें, तब ? त भइल कि अँइसे कइसे कि अइबे ना करिहें, जब सभे आई त ऊहे भला कइसे कि घरे रहे पइहें ! काहे आई सभे भाई, जे आवल चाही सेही आई, कि जे ना चाहत होई सेहू आई ? त भइल कि पहिले के बात रहित त भले केहू आइत केहू ना आइत, बाकिर अब अइसन नइखे। पहिलवा, ईहे बादशाहूदीन बदशहवा, अतना बद, अइसन बदेल कि अझेल। जतने जिद्दी ओतने जाहिल ओतने जालिम। अपने में गाफिल। जेने ताके तेने तबाही, केहू ना चाहे कि केहू प एकर, कवनो बिध परे परिछाहीं। बाकिर का, कि एक बे अहेर में गइल त हप्ता भ रहल नपत्ता। बहुरल त दोसरे हो के। दोसरा के दुख में दुखात, दोसरा के सुख में समात। जतना खात ओकरा से जादे खियावत, जतना जीयत ओकरा से जादे जियावत। त केहू ना चाहत रहे जवना बदशहवा के नजर तर आवल, आज के हवाल कि केहू ना चाहे ओही बदशहवा से नजर हटावल। त आई, सब आई ओकरा जलूस में, जे पाँव पैदल, सेहू जब आई, त तहरा इयार के त घोड़ा बा भाई, कइसे ना आई !

त भइल कि भला कहऽ कइसे ना आई ! जलूस से पहर भर पहिलवे पहुँच के, किला मैदान के दुआर प उँचास प हो गइले ठाढ़ बंदा हरवाह। जेने देखऽ तेने  मुँड़िए-मूँड़ी। पैदल हैदल गैदल। कहीं नाच, कहीं गाना, कहीं नारा, कहीं जैकारा। सँउसे दिल्ली सबके छोड़ के अपना बदशहवा प नजर गड़वले, अकेले एगो बंदा हरवाह कि ओही बदशहवा के छोड़ के सबके प नजर गड़वले। एक-से-एक देह-मुँह लउकल, एगो ऊहे ना लउकल, जवन लउकित त होइत कि हँ हो, कुछ लउके लायक लउकल ! बंदा चाहत त ना रहन, बाकिर उनुका बिना चहले लागल सोचाय कि कहीं झूठ त ना कहले रहे इयरवा कि दिल्ली के बानीं बसिन्दा ! लागल सोचाय त के जाने अपने से मूँद लेले आँख, कि अँखिए लागल मुँदाय कि केहू से कहियो कहे-बदे खातिर हो जाय कि जब अँखिया मुँदाइल रहे, तबे बुला ऊ आइल रहे। तले किला मैदान में घुड़दउड़ के बेरा-बखत आ गइल। गरदा उड़ल आ असमान तकले छा गइल। बाश्शा के चिंता कि गरदा के अइसन उड़ान में कइसे भला लउकी हमरा इयरवा के ओकर इयरवा ! धोबपूत फरके फिकिरियाइल कि अँइसे धुरियाई त त धूर में मिल जाई हमार बतावल ई उपाय, कवना मुँहे कहब कि केहू से कहिहऽ मत अनकर रंगा-बिरंगा पहिरला के बात ! बंदा के बाकिर, मने-मने तोख कि ईहो त हो सकेला भाई कि एही धुरखेल के चलते ना हमरा लउकल इयरवा ना इयरवा के हम !

ओने सामकरन घोड़ा, घुड़दउड़ के पहिलके चक्कर में उँचास के पास से होके जब गुजरले त उनुका ना बुझाइल कि ई गोहट-अस मरला के छप-छप-अस कहाँ से सुनाइल। दुसरका चक्कर में पीठ प बइठल सवरवा दे’ देखले जब, तनी कन्खियाऽ के, त जनले कि के जाने केने से ओकरो कुछ बजरा के रोटी पियाज अस सुँघाइल। बाकिर का, कि एही सुना-सूँघी में, एक त कि बादशा के, दोसरे कि सामकरन घोड़ा, बुझाइल जब, कि बाकी कुल्ह घोड़न से बाँस भ से अधिके पिछुआइल, त अरजा से परजा ले सभे फिकिरियाइल। बाकिर का, कि तिसरका चक्कर में जसहीं उँचास के पास से गुजरल, घोड़वा के अपना पिठाँस प, हाथ हरमुठाह के घोंय-अस आइल जनाइल आ अगिला घोंय आइत, एकरा पहिलहिंए ऊ सामकरन घोड़ आन्ही से ले लिहले होड़। अइसन, कि घुड़दउड़ में जीत के धूहा जब छू के पीछा मुँहे तकले, त सात बाँस पाछा ले, ना कवनो घोड़ा लउकले, ना घोड़वाह। बाकिर का, कि घोड़ा उहाँ रुकले ना जीत के जसन मनावे, रुकले ऊ किला मैदान के दुआर प। ओही उँचास प। रुकले ऊ पहिले कि पहिले हिनहिनइले कि पीठ प से उनुका कूद गइले पहिले सवार, के बतावे कि कूद के धउरले पहिले कि बान्ह के अँकवारी में बंदा हरवाह के उठवले पहिले कि पहिले बाजल ढोल कि बाजल नगाड़ा आ शुरू भइल फतह के सलाना तिउहार के जसन जगराता !

बंदा हरवाह के एकाध दिन त ईहे ना बुझाइल कि भइल का, का होता, कि आगे का होई ! इयरवा भेंटाइल, से त भेंटाइल, बाकिर हतहत दरबार, हजार लोग आगा, हजार लोग पाछा, हाथी के झुमेल आ घोड़ा अनठेल, हतहत गो महल अठमहला, हतहत गो फाटक … जानत त रहले कि इयरवा हमार नौटंकी के सवखीन, बाकिर, बुझाइल ना उनुका कि आखिर, कतहत ई नाटक, कि कतना एह नाटक के पसरल पसारा ! कि के-के बा, का-का बा नाटक के भितरा आ के बाटे, का बाटे नाटक से बहरा ! कि बहरी एगो हमहीं, कि केहू अउरी !

बइठे के सिंघासन दियाइल त जे सिंघासन लेके आइल ओकरा के पहिले त बंदा बहुते समझवले कि भाई, एह नाटक में हम नइखीं शामिल, हम नइखीं एकर, केनियो से कवनो किरदार, बाकिर, ना केहू मानल त का करिते, ओही प मार के अल्थी आ पार के पल्थी बइठ रहले। बगल के सिंघासन प बादशा जब आके बइठले ओलर के, पलर के, त बलु पुछबो कइले कि तहार तबियत त नइखे न खराब ? बतइबो कइले कि तुलसी-गिलोय के काढ़ा त कुल्ही बेरामी में रामबाण। त जइतऽ आ काढ़ा के पहिले अजमइतऽ त अइतऽ, बइठितऽ…। सुन के, बादशा मुसुकइले त जरूर, बाकिर तवना के बाद, जल्दी-से-जल्दी,  ऊहो अपना सिंघासन प, ओसहीं, तन के बइठ रहले, मार के अल्थी, पार के पल्थी। आ देख के, उनुकर ई बइठल, सँउसे दरबार, देखले बंदा हरवाह कि अँइसे चिहाइल जइसे नाटक में ना, सचहूँ चिहाइल !

खाय बइठले जब बंदा हरवाह, त थारी के साथे बहत्तर गो कटोरी तिहत्तर गो तहतरी। सोचले कि जनाता कि गाँव भ से थोरे-थोरे माँग के आइल बा। केहू बरी देले बा केहू बजका। केहू बारा-फुलौरा। केहू भात केहू दाल केहू चोखा। केहू चटनी आ केहू अँचार। केहू नेनुआ के तियना, केहू करइला के भरवाँ। दिलदार कवनो इहाँ ले, कि देले बा खीर, कवनो रबड़ी देले बा, त कवनो मलाई, कवनो मिठाई। दिल्ली में, कवन ठेकान कि ईहो कुल्ह मिलत होखे बोझा के उठवाई ! सोचले कि आखिर कतनन के बोझा उठावेला बेचारा बदशहवा कि बदला में, भलहीं तनकिए-तनी बाकिर हतनवा-हतना पावेला ! कि नाटक-नौटंकी के ह ई कमाई ! कि खेला के बाद चदरा पसराऽ गइल आ पा भ, छटाक भ, जेकरा चुहानी में जवन रहे आ गइल ! सोचले बंदा, कि बलु बदशहवा, खेती किसानी से कमाइत त जवने पाइत, भरखर पाइत ! सितुहा भ खीर खा के खखनित ना, जवन खाइत थरिया भ खाइत, अघाइत ! बाकिर का, कि जवना कटोरी से उठा के ऊ खइले तवन जब फेरू से भर के रखाइल, आ फेरू खइले त फेरू से भर के रखाइल, त तवना के माने कुछऊ ना उनुका बुझाइल। बाकिर का, कि बूझत-बूझत आ बुझात-बुझात जब बुझाइल कि नाँवे के ना ह, सचहूँ के बादशा ह उनुकर इयार, त अपना ए बादशा इयार प बड़ी बिगड़ले बंदा हरवाह। हींक भ डँटले कि काहे तें बात ई छुपवले, बादशा होके, काहें तें अपना के हमरा से अतना डँटववले, कि काहे तें एक त कि अपना के, दुसरे कि हमरा से रे-तें करववले ! काहे बेचारा हरवाह प चढ़वले तें बादशा से अपना कुदारी चलववला के पाप, हर में, हेंगा में, बैलन के साथे नधववला के पाप ! अइसन खिसियइले कि हप्ता दिन लाग गइल बादशा के उनुका मनावे में। बाकिर, तवना के बाद, महिनवन लागल बंदा हरवाह के, बादशा के मनावे में कि भाई हमके जाए द। एक त कि तू, तहार अमला, खरिको खरकावे भ खटे हमके देत नइखे, दोसरे कि तहरा एह दिल्ली दरबार में हाथी बा, घोड़ा बा, खेत नइखे। एक्को हाथे करे कुछ चल दीं त हजार मुँहे अरे-अरे, हजार हाथे धरे-धरे…। लोटकियो भ पानी, अपना से अपने उठावे के, केनियो से कवनो सवाँस ना, आ अँइसे, बइठल-बइठल, हमरा से भाई, खइले खवात ना, घोंटले घोंटात ना…।

बादशा बाकिर, काहें के जे मानें। बंदा आज माँगें बिदाई बादशा काल्ह प टार दें। बंदा जतने उबियायँ ततने उनुकर सेवा-टहल बढ़िआय आ जतने उनुकर सेवा-टहल बढ़िआय ततने ऊ उबियायँ। अंत दाँव, बादशा के सबसे पुरान एगो टकसब-ना-तहरा-टकसवले टहलुआ से  पुछले उपाय कि सोच के बतावऽ कि कवन अइसन बेरा, कवन अइसन बखत, जब बादशा से जवन मँगाय तवना से ना ऊ ना करे पायँ। त टकसब-ना-तहरा-टकसवले टहलुआ सात दिन सोच के बतवले कि नमाज के बाद। त बंदा घात में लगले। रोज सँपर के, नमाज के आस-पास जुट जायँ कि ओने ऊ आपन नमाज फरिआवें आ एने ई सोझा आवें, आपन अरदास सुनावें कि ढेर भइल, जाए द हमरा के अब हमरा गाँवे। बाकिर का, कि देखें जब लागें नमाज त देखते रह जायँ। भुला जायँ सोझा आवल, आपन अरदास सुनावल। एक दिन बाकिर, सँपर के पुछले कि का हो, ई का करेलऽ, काहे करेलऽ, केकरा से का कहेलऽ ? त बतवले बादशा कि भाई, जेकर ई खलक-खुदाई, सातो दीप नवो खंड जेकरा परताप के दोहाई, ओकरे से माँगींले हाथ पसार के, मुलुक के खैर। आ आपनो। कि केहू से केहू ना राखे ना माने कुछ बैर। आ हमहूँ। कि कमी मत रहे केहू के कवनो, कि गमी मत रहे, कतहूँ, केहू के, कवनो। आ हमरो। कि बनल रहे बरकत, बरसत रहे रहमत। कि हथिसार हाथी-हाथी रहे, घुड़साल घोड़ा-घोड़ा रहे, कि चानी के गोदाम चानी-चानी रहे, सोना के सनूक सोना-सोना रहे। त पुछले बंदा कि रोज माँगेलऽ हाथ पसार के ? कहले बादशा कि काहे ना, रोज माँगींले हाथ पसार के। पुछले कि माँगत मुँह ना दुखाय, मन ना लजाय ? कहले कि उनुका से माँगत मुँह ना दुखाय, मन ना लजाय। पुछले कि काल्हो मँगबऽ ? कहले कि काहे ना, काल्हो माँगब। त कहले बंदा कि काल्ह तब हमहूँ माँगब। त कहले बादशा कि काहे ना, तूहूँ मँगिहऽ। कहले कि मँगला प मिल जाई ? कहले कि मन से मँगबऽ त काहे ना मिल जाई !

काल्ह, काल्ह से आज भइल। बादशा तय कइले कि नमाज पढ़ब, पढ़ला के बाद में आस्ते से पूछब इयार से कि हम त हो भाई, रोज जवन माँगींले, मँगलीं हा, आपन बतावऽ कि कहले रहऽ माँगब, त का-का तू मँगलऽ हा, आ जवन-जवन कहिहें कि मँगलीं हा, तवन-तवन उनुका के की त देब, ना त दियवाइब। बाकिर, बंदा से पुछिते, एकरा पहिलहिंए, बंदा बता दिहले कि का उनुका चाहीं। छुट्टी। जाय के इजाजत। कहले कि सुनले हम बानीं कि नमाज के बाद, जे जवन माँगेला, दे दे ल, त माँग देलीं, दे द। त कहले बादशा कि कहले त रहलऽ कि हम जिनसे माँगींले उनुका से माँगब…। त कहले बंदा कि ना भाई, ई त तू सुनलऽ, कहले त रहलीं हम अतने कि माँगब। त मँगलीं। त कहले बादशा कि ठीक बा कि मँगलऽ, बाकिर बतावऽ कि उनुका से मँगबऽ त का मँगबऽ ? त कहले कि उनुका से माँगब त उनुके से माँगब, उनुके बताइब, ओसहीं, जइसे कि तोह से जवन मँगलीं, तोह के बतवलीं। आ उनुका से माँगब, त तूहीं बतावऽ कि इहाँ काहे माँगब, दे दीहें इहँवे त लादे के तूल, लदवावे के तूल, गाँवे ले ढो के पहुँचावे के तूल ! त माँगब, बाकिर अपना गाँवे जा के, भउजी से तहरा बतियाऽ के। बादशा बड़ी कुनमुनइले बाकिर का करिते, कहले कि ठीक बा, जा, बाकिर जवन तहरा चाहीं, जवन-जवन, जतना, हमके बता द, हम तवन-तवन, ततना मँगवा दीं, घरे पहुँचवा दीं। कहले बंदा कि काहे के अतना हलकानी में परबऽ, हमरा जवन चाहीं, हम गाँवे अपना जा के, जेकरा से माँगेलऽ ओकरे से माँग लेब, ऊहे पहुँचा दीहें, सीधे। कतनो कहले बादशा कि अन ले ल, धन ले ल, जर ल, जमीन ल, बाकिर बंदा, काहे के जे मानें ! एक्के रट कि काहे तू देबऽ, ऊहे जब दीहें !

कहले बादशा कि घोड़ा ले ल, त कहले बंदा कि बे मर्दे, गिर-पर जाइब। कहले कि अच्छा त एक्का से जा, त कहले कि महिनवन तहरा महल में बइठल-बइठल बात-पित्त-कफ तीनो बढ़ियाइल बा, पैदल जाइब त कुछ त पचाइब। सुनले त बादशा मने-मने कुछ तय कइले, अपना दरबारी लोग से जाके कुछ-कुछ बतियइले आ आके बतवले कि ठीक बा, जा, बाकिर जे बा दरबार में, सबका से मिल के अँकवार। कहले बंदा कि भाई, सबकर अँकवार के त हमरो दरकार !

गाँवे जाय के चाव में, बंदा के ई ना बुझाइल कि जेकरा के दिहले अँकवार, ऊ उनुका झोरा में, बगली में, इहाँ ले कि पगड़ी में, कुछ-ना-कुछ रख देल, चुप्पे, चुपचाप। मिलत गइले अँकवारी आ होत गइले भारी। ईहो ना कि बंदा एह भारी भइलका के जनबे ना कइले, जनले, बाकिर अगली के, बगली के, झोरा के, पगड़ी के — कुल्हिनी के भारी भइलका के मनवे के भारी भइलका ऊ जनले।

बादशा कहले कि फेरू अइहऽ, आ कहले कि फाँफर पाइब त हमहूँ आइब, बंदा कहले कि काहे ना आइब, आ कहले कि अइहऽ जरूर। साथी के देत अँकवारी जब जादहीं कुछ भारी भइल मन त कहले तनी हँस के कि अबकी बे बजरा के रोटी आ नीमक-पियाज थरिया में तोह के खियाइब, सहूर से, आ तूहूँ तनी खइहऽ त ओही सहूर से, ई ना कि हूर के ! सुन के जब ऊहो मुसुकइले, त कुछ त ईहो, कुछ ऊहो हलुकइले। बाकिर, चार डेग चल के पिछवड़िए, रस्ता प सोझ जब भइले त पइले कि ईहो बगली भारी आ ऊहो बगली भारी आ कपार प के पगड़ी अउरियो भारी। झोरा त अतना ना भारी कि जवना कान्हे लटकल तवना के हड़री बुझाइल कि अब-तब में चटकल। छू-छा के देखले त सोना के असर्फी ! कहँवा हलुकाईं ? त पहिले त धोबघाट गइले आ पगड़ी के सकल असर्फी धोबी के पूत के हाथ में धइले कि हा ल, लाल-पियर-हरियर, जइसन मन, आपन तू अपने से कीन ल धोती-मिर्जई। धोबी के पूत अचकचइले कि ई बाकिर बहुतो से जादे से ढेर तनी अधिका…। ईहे बात कहले बादशा नाँव के सब-सब साईस-इकवान। त कहले बंदा कि जेकर बादशा नाँव, ओकरा से जवन-जवन पवलीं, तवन-तवन, ओकरा के जवना-जवना बादशा के नाँव से जोह के पवलीं, तवना-तवना बादशा के नाँव तक ना जो पहुँचाइब त के हम होइब आ के हम कहाइब ! एक त ई, आ दोसरे ई कि ई मत जानऽ कि पवलऽ, जानऽ ई कि हमके हलुकवलऽ, बीच राह थाकि के थउसे से बँचवलऽ। बाकिर का, कि जवना बादशा के सैंतीस गो गदहा से ईंटा ढोआय, तवन तनी अड़ गइले। कहले कि कइसे खाली तूहीं हलुकइबऽ, हम ना हलुकाइब ? अवरू कुछ ना, त एगो गदहा तू ले जा, अवरू कुछ ना, त गाँवे ले बइठल त जइबऽ…। त कहले बंदा कि बे मर्दे, पैदल जाइब त बात-पित्त-कफ कुछ पचाइब। त आइल जबाब कि पचइहऽ, जब पच जाय, तब्बे बइठिहऽ। त कहले बंदा कि बे मर्दे, गदहा प बइठे हमरा ना आवे, गिर-पर जाइब। त आइल जबाब कि तहरा बइठे ना आवेला त का भइल, हमरा गदहवा के बइठावे त आवेला न ! आ मान ल कि गिरबऽ, त कवन कहीं कि पाँच हाथ के घोड़ा प से गिरबऽ, सरपट के चाल प से गिरबऽ ! गिरबऽ त दू हाथ के गदहा प से गिरबऽ, दुलुकी के चाल प से गिरबऽ, उठ जइहऽ, धूर-गरद झार लिहऽ, झूर लिहऽ, गिरल केहू देखल त ना, तनी घूर लिहऽ…। अब का कहिते बंदा, का करिते बंदा ! अतने कहले कि भाई, तहार गदहा, तहरे के चीन्ही, अनजान के पाई त दुलतिए से बतियाई। त गदहा के मालिक गदहा से उनुकर नीके तरी अरचो-परचो करवा दिहले, पीठ-पोंछ सुहुरवाऽ दिहले आ पगहा धराऽ दिहले। गदहा प बइठिए के बंदा, बाश्शा किहाँ गइले, झोरा सहित्ते बाकी के कुल्ही असर्फी उनुका हवाले कइले कि आपन समियाना तनवइहऽ, आपन पर्दा लगवइहऽ, आपन नाटक अपने बनइहऽ आ खेलिहऽ, खेलवइहऽ। कहले बाश्शा कि नाटक त अपने बनाइब, बाकिर बनाइब तहरा प। हमरा प ?! काहे ना, आ नाँव रही बंदा-बादशाह ! त कहले बंदा कि हद बा, भला कतना तू जानेलऽ हमरा के, कतना तू जानेलऽ हमरा इयार के ? त कहले बाश्शा कि तहरा के जानब तहरा साथे-साथे गाँवे ले, घर तकले चल के, आ तहरा इयार के, रस्ता भर तोहरा से पूछ-बतियाऽ के। बंदा कहले कि भाई, जब अपने से कहलऽ कि जाइब, त आपन घर अछइत कवना मुँहे कह दीं कि ना लेके जाइब, बाकिर, दाँव एगो चलले, कि गदहा त एक्के बा। त हँसले बाश्शा कि हमरो के गिन ल आ अपनो के गिन ल त गदहा के गिनती त तीन बा ! त बूझ गइले बंदा, कि बात बतियावे में दिल्ली के केहू ना उनइस, सब-के-सब बीस बा, तीस बा।

बोलत-बतियावत,  उनुकर सुनत आ आपन सुनावत, आज किदो काल्ह किदो हप्ता दिन बाद, पहुँचल लोग गाँव के गैंड़ा, त सुनले रहन बंदा कि जेकर सगरो सकान, गाँव के गैंड़ा सेकरो गोड़ थकान, त पता ना कि सचहूँ कि सुनलका के राखे खाती मान, जानल एगो पाकड़ के पेड़ झँखाड़ त बइठले, बाश्शा के बइठवले, घरी-छन सुस्ताय कि थकान दुराय। त एगो त गाँव नगिचइला से हरखल, दोसरे, देखले कि खेतन में कादो-कींच पुरहर, त बरखल-भुलाइल-अभी-नइखन-भगवान — एह भरोसा से उलसल हुलसल, कहले बंदा कि ए भाई बाश्शा, कुछ छू देबे अइसन सुनइतऽ, कुछ कढ़इतऽ, कुछ गइतऽ ! बाश्शा जब लिहले अलाप, कहिए से पाछ धइले  आवत, दूइ बैलगाड़ी, थथमले आ थम गइले। गड़िवान लोग उतरले आ अलाप में अलाप मिलावत ओहिजे जम गइले। जम गइले त जम गइल महफिल। गवनई के अइसन उठल लहर-प-लहर कि बुझाइल जइसे अपने मने साज सज गइल, बाज बज गइल। एक सुर त अँइसे कि जइसे कि पाकड़ प से उतरल आ दसो दिसाईं पसर गइल, आ ताकधिनाधिनधिन त कहँवा से आइल, ना केहू जानल ना केकरो जनाइल। इहो ना बुझाइल कि एही में आज, कब आके बीत गइल साँझ ! त भइल कि का भइल, एहिजे फुटेहरी अब लागे, चोखा सनाय। फुटेहरी लगावल लोग, चोखा सानल लोग। हींक भ पावल लोग। सूतत के बेर पुछले बंदा कि केकर ई गाड़ी, त बतवले जा गड़िवान, कि बाड़े एगो भाई भगवान सिंघ उनुके ई गाड़ी। के हवे भाई, ई भाई भगवान सिंघ, त कहले जा कि के जाने, दिल्ली के बादशा बहादुर के बुला कुछ लागेले। उनुकर कुछ लागेले, त तय जानऽ भाई कि हमरो कुछ भाई भगवान सिंघ लागेले — बंदा अगराऽ के बतवले आ पुछले कि गाड़ी में कँउची लदाइल, त बतवले गड़िवान कि ललसा के कलसा। पुछले कि कहँवा ले जाई, त बतवले कि ई त जानस भगवाने सिंघ भाई…।

ठीक अधरात, के जाने पाकड़ प का खड़खड़ाइल कि अचक्के अचकचाऽ के उठ के बइठ गइले बाश्शा निनिआइल। बंदा जब करवट फेर के कहले कि अहो अभी सुत्तऽ, त सुनले जब ‘सुत्तऽ’, तब जाके नीन उनुकर नीके तरी टूटल। टूटल आ दूनो नैन खूलल त पहिले त लागल टकटक्की तब छूटल कँपकँप्पी। लगले बंदा के झोर के जगावे कि उट्ठऽ हो, का भइल, होता का, देखऽ, निरेखऽ, बुझाय त बूझऽ, आ बूझ के हमरो के तनिका बुझावऽ। बंदा देखले कि दूर, डगरल अस चलल जाता दुन्नो-के-दुन्नो बैलगाड़ी आ भीरी, मुँड़तारी-गोड़तारी, एगो आ दूगो आ तीन, चार… चउदह गो साज के राखल बा कलसा। एगो के खोल के पेहान, झाँक के देखले जा भितरा त हीरा आ  मोती आ सोना आ चानी के गहना आ गुरिया, असर्फी-तसर्फी… ! देखले त देख के, ई अलगे जहुअइले, ऊ अलगे भकुअइले।

जे जहुआइल बा, जहुआए दीं, जे भकुआइल बा, भकुआए दीं। सातो भाई चोरवन के सोचीं कि उन्हनी के कतना सत्पिसानी… !

एक भाई के पता लागल कि बादशा के, खेतिहर एगो आइल बा साथी, कवना दो गाँव-गिराँव के, त जा के दुसरका भाई के बतवले। तिसरका भाई कहले कि हो-ना-हो बिदाई में ई खेतिहरवा अपना औकात से अधिके कुछ पाई। चउथकू कहले कि जवने पाई, दाँव लगा के चोराऽ लिहल जाई। पँचऊँ कहले कि एकर, भा केहू के, अबहीं, भा कबहीं — सबकुछ चोरावे के बात कबो सोचिहऽ मत। पुछाइल कि काहे, त छठऊँ कहले कि सबकुछ  चोरइबऽ त सोचऽ कि जेकर चोरइबऽ ऊ आगे अब कइसे कुछ करी-कमाई,  कइसे कुछ सँची-जोगाई, आ ना कुछ करी-कमाई, ना कुछ सँची-जोगाई त सोचऽ कि आगे, हमनिए के, भा केहुए, केहुओ के, कइसे में कुछुओ चोराऽ पावे पाई ? अँइसे त भाई, दुनिया-संसार से चोरी-चकारी के रेवाजे उठ जाई ! त सतऊँ बिगड़ गइले कि आगे जवन होई तवना के सोच के बुड़बक ऊ होई जे अबहिंए से रोई। सुन के पँचऊँ आ छठऊँ भड़क गइले। भड़क गइले त एह लोग के भड़कला प पहिलकू-दुसरकू कुछ अधिके भड़क गइले। बाता-बाती से बात चलल, चलत-चलत मारा-मारी ले जा पहुँचल। तिसरकू-चउथकू कहले कि हमन के का कइल जाई ? त भइल कि जब झगड़ा बढ़ियाई त छोड़ावल जाई। झगड़ा बढ़ियाइल। केहू के भुभुन फूटल, केहू के नाक ; केहू के लोल, केहू के लिलार। जे झगड़ा छोड़ावे आइल ओकर तनी जादे फूटल, तनी जादे फाटल, बाकिर, सबकर जब कुछ-ना-कुछ फूट गइल, फाट गइल, त नीमन बात ई भइल कि झगड़ा फरियाऽ गइल। झगड़ा फरियाइल कि रजवा के साथी खेतिहरवा, अस-मन-जनिहऽ जे हमनी के भाई, कि बिदाई में जवन ऊ पाई, तवना में, दीन के दुहाई, ईमान के कमाई, कि आठ गो बखरा लगा लिहल जाई, एकए गो सातो हमन भाई के, त एगो ए भाई खेतिहरवो के, कि आगहूँ कुछ करी कुछ कमाई, कुछ सँची कुछ जोगाई आ अगिलकी पीढ़ी के चोर बिरादर के, भाई-भैवद्धी के कामे कुछ आई।

त चोर बिरादर के भाई-भैवद्धी के सातो भाई लागल लोग जोह में कि राज-रजवाड़ा से कहिया खेतिहरवा के होई बिदाई। एगो दूबर दरबान के कुछ  घूस-घास दियाइल त ऊ सीधे खेतिहरवे से भेंट करवा देलस कि हम का बताईं, इनहीं से पूछ ल कि कहिया होई इनिकर बिदाई। खेतिहर कहले कि काल्ह। चोर लोग काल्ह के कइल तइयारी बाकिर तइयारी के मोसल्लम खर्चा अकारथ गइल, बिदाई ना भइल। ना भइल त दूबर दरबान के फेरू कुछ घूस-घास दियाइल। त दूबर दरबनऊ फेरू से सीधे खेतिहरवे से भेंट करवा देले कि हम का बताईं, इनहीं से पूछ ल कि कहिया होई इनिकर  बिदाई। खेतिहर फेरू कहले कि काल्ह। चोरऊ कहले कि बे मरदे, तू त काल्हो कहले रहऽ कि काल्ह, लाज नइखे लागत, खेतिहर होके झूठ कढ़ावत ? त हँसले खेतिहर भाई, बंदा हरवाह, बादशा के इयार, कि भाई, हमार ई ना हउए बात, हम त कहलीं कि जाइब हम आज, ई त बादशा के बात कि जइहऽ तू काल्ह। चोरऊ सोचले कि जब बादशा के बात, त होइबे करी साँच। चोर लोग फेरू कइल काल्ह के तइयारी, बाकिर तइयारी के मोसल्लम खर्चा अकारथ गइल, बिदाई ना भइल। फेरू दियाइल कुछ घूस-घास। फेरू पुछाइल। फेरू ऊहे जबाब कि काल्ह। त भइल कि लाज नइखे लागत, बादशा के झुट्ठा बनावत, कहाँ भइल बिदाई तहार आज ? त कहले कि हमहूँ त ईहे कहलीं बादशा से कि कइसन तू राजा-बादशाह कि काल्ह तू कहलऽ कि काल्ह, आ कहियो के सप्फा पलट गइलऽ आज ? त कहले हा बादशा कि हम त भाई, जवन काल्ह कहलीं, तवने कहत बानीं आज, कि काल्ह। जब कहबे ना कइलीं कि आज हम करब बिदाई त कइसे करीं आजे बिदाई ! बिदाई होई काल्ह !

महिनवन बीतल चोरवन के, घूस-घास खियावत आ काल्ह के तइयारी सँपरावत। जमा-पूँजी लागल ओरिआय त सातो भाई बेबात के बात प झगरि जायँ, ई उनके रगरि जाय, ऊ इनके रगरि जाय। एह रगरा-रगरी के बिच्चे एक दिन के बात कि पता चलल कि आज नमाज के बाद अपना बादशा इयार से बंदा इयार कुछ मँगिहें। चोर लोग सोचल कि आज मँगिहें त काल्ह गाड़ी पर लदाई, परसों होई बिदाई। तले पता चलल कि आजे हो गइल बिदाई। त बिना कवनो सुबहित तइयारी के, सातो भाई धावा-धाई लागल लोग पाछा, त पावल कि ना हाथी ना घोड़ा, ना बोरी ना बोरा, पैदल पाँव दिल्ली के गली में सरसरसर चलल जाता, के ? त छछात जे बादशा के जिगरी इयार, से ! तीन भाई कहले कि बुला बादशा बैमनवा कुछ देलस ना, तीन भाई कहले कि बुला बंदा बउरहवा कुछ लेलस ना। बाकिर, एह बात पर छवो भाई झगरिते एकरा पहिलहिंए सतवाँ भाई बतवले कि एकरा अगलो के बगली में बाटे तरमाल, एकरा बगलो के बगली में बाटे तरमाल, पगड़ियो में बाटे भरपूर, आ झोरवा में त कुछ कहहीं के ना ! एह बात प सातो भाई के हुँकारी के आवत-आवत, बाकिर, बंदा पहुँच गइले धोबघाट। उहाँ, करेजा प ध के हाथ, सातो भाई देखल कि कइसे उन्हनी के हिस्सा के सँउसे  एक बगली माल, खेतिहर के जात, बंदा हरवाह, बम्मड़-बउराह, धोबी के पूत के सँउपलस, आ जइसे भइलहिंए ना होखे कुछ, अँइसे, मूँड़ी उठवलस आ चल दिहलस ! त पाँच भाई पाछा लगले, दू भाई रुकले कि हमनी के धोबी के पूत के नीके तरी मूँड़ के आइब जा, आपन हिस्सा वसूल के। कोशिश कइल लोग, बाकिर धोबी के पूत के धोए के आदत, दुन्नो भाई चोरवन के दुन्नो हाथे धो के, फींच-फचकार के गार के पसार देले। बाप-बाप करत भागल लोग त रस्ता में एक भाई मिलले कि इकवनवा सरवा पैने-पैना मरलस हा, एगो दुसरका भाई मिलले कि हमरा के त सइसवा ना, ओकर कुकुरा भँभोरलस हा। जिनका सैंतिस गो गदहा से ईंटा ढोआय, उनका किहाँ बाकिर,  बकियवा तीनो भाई, बड़ा गौं से, सोच-समझ के घात लगावल, केकरो भनक तक ना लागल आ बंदा के दीहल मोसल्लम असर्फी के गठरी उठावल आ चलत-चलत चल आइल लोग बिना कवनो आफत-अफदरा के घर से बीस हाथ बहरा ले। बहरा आ के देखल लोग कि आ-हा-हा, चारो ओर गदहे-गदहा…! सोचल लोग कि गदहे प बइठ के जो भाग चलीं जा त भगला के भागल आ तिन-तिन गो गदहा के आमद अलावा ! जब फान के गदहा प बइठल लोग त गदहन के रोस ई ना कि ई बइठल लोग, रोस मलिकवा प कि कइसन ई सरवा मलिकवा, कि बिना कवनो अरचो-परचो के, बिना कवनो पीठ-पोंछ-सुहुरावन के, तीन तिरछोलन के, अचके में हमनी के उपरे, अँइसे हुमच के अचक्के बइठवलस ! मय गदहा मिल के मलिकवा के मय खीस तीनो एह चोर चल्हाँकन प उतारल, दुलतिए-दुलत्ती बड़ी देर ले बतियावल। बात अभी बाकिए रहे तले तीनो जना जान आ असर्फी के गठरी, दुन्नो के छोड़ के, भगाय भ भागल। चाहल लोग जरूर, सातो-के-सातो भाई, कि ना कुछ आउर, त बाश्शा किहाँ जवन असर्फी के झोरा धराइल, तवने हथियावल जाय,  बाकिर सातो भाई मानल कि ए घरी, गरम-गरम दूध में हर्दी पकावल कुछुओ से जादे जरूरी। त पकावल लोग, मिल-जुल के पीयल लोग, जेकरा से अपना हाथे ना पीयल गइल ओकरो के मिल-बेवहर के पियावल लोग। पी-पा के बइठल लोग त भइल कि सब त गइल, अब का ? सातो भाई सन्मत कि जवन कुछ पवलस ई बंदा बउरहवा, सब कुछ त इहँवे लुटववलस, त का अब पिछुअवला में फैदा ? सातो भाई सन्मत कि बाँचल कुछ हइए ना, त ना अब पिछुअवला में फैदा। बाकिर, सातो के मन में कि जब डिठार में अतना ई पवलस खेतिहरवा, त चुपका त के जाने कतना ई पवले होई ! सातो भाई सोचले कि जब उपरे-उपर अतना लुटवलस त सोचे के बात कि भितरे-भितर कतना जुटवलस ! त सातो भाई सन्मत कि जब अतना दिन लागल गइल पाछ त अँइसे, अचक्के में छोड़ दिहल बहुते बेजाँय।

त लागल लोग बंदा आ बाश्शा आ बंदा आ बाश्शा के गदहा के पाछा। कहँरत आ भचकत, लँगड़ात आ भहरात। लागल लोग त तवन बात जानल लोग जवन बात ना बंदा के जानल, ना बाश्शा के जानल आ मोह-माया से दूर आ अपने में चूर, गदहवा के, जानल त का, न-जानल त का ! जानल लोग कि बंदा आ बाश्शा आ बंदा आ बाश्शा के गदहा जेने-जेने तेने-तेने, कबो अगाड़ी आ अक्सर पिछाड़ी, दूइ बैलगाड़ी। झाँक-झूँक के जानल लोग कि दुनो बैलगाड़ी में सत-सत गो कलसा। कलसा में का बा आ कतना बा — ई, चाहल त बहुते, बाकी जाने ना पावल लोग। जतने मरखाह लखात रहन गाड़ी के बैल, ओतने गड़िवान। सातो भाई सोचले, आपन-आपन घाव सुहुरावत, कि ठीक नइखे खतरा उठावल, जतरा में बनल रहल जाई, त कब्बो-ना-कब्बो त मोका-मोनासिब अपने से चल के इहँवा ले आई ! आइल। गाँव के गैंड़ा, पाकड़ के पेड़ झँखाड़ के नीचे, बाश्शा जब लिहले आलाप। बैलगाड़ी, दुन्नो, जब थथमल आ थम गइल, गड़िवान जब गाड़ी प से कूद के उतरले आ अलाप में अलाप मिलवले। तब तीन भाई पहिला बैलगाड़ी में, तीन भाई दुसरका बैलगाड़ी में घुसले। एक भाई पाकड़ प चढ़  गइले कि खतरा बतइहें। तले अइसन आइल गवनई के लहर-प-लहर कि एक भाई पाकड़ के पेड़ के उपरे से राग-में-राग मिलवले आ गाड़ी के भितरे से तीनो-तीनो भाई सातो-सातो कलसा के, कहाँ ले कि खोल के देखिते, त सब कुछ भुलाऽ के लगले बजावे, एँड़ी से मूँड़ी ले हिल-हिल के लगले धउरावे ताकधिनाधिनधिन। साज बुझाइल जइसे आप-से-आप सज गइल, आप-से-आप बज गइल बाज। अभाग बाकिर अइसन कि ओने गवनई  खतमाइल ना कि एने गड़िवान लोग फुटेहरी-चोखा के टंट-घंट में लागल आ सतुआ-पिसान के इन्तजाम खातिर एह गाड़ी से ओह गाड़ी ले अइसन शुरू भइल आवाजाही कि चोर लोग कसहूँ-कसहूँ गाड़ी से निकल के पाकड़ के पेड़ झँखाड़ प चढ़ के जइसे-तइसे जान बचावल। अब लागल ताका-ताकी कि कब पंच सूते कि कलसा लोग के खोल के देखाय आ तरमाल भेंटाय त चोराऽ के चल दिहल जाय। ऊ बेरा-घरी अइबे ना कइल। बंदा आ बादशा त सुतले निरभेद बाकिर गड़िवानन के त अँखिए ना लागल। भइल अधरात त आपने गाड़ी से आपने कलसा, चोर-अस उतार के आस्ते, धइलन स बंदा के मुँड़तारी-गोड़तारी आ बैलन के घंटी उतार के हाँक ले गइलन स खाली गाड़ी। चोर लोग के त ढेर देर ले बुझइबे ना कइल कि गड़िवानन के एह कारस्तानी प चिहाईं जा कि चल के कलसा चोराईं जा। एही दोपापाही में देर भइल तले छोटका भाई के साँप एगो लउकल, पाकड़ के डाढ़ से लपटाइल, बाँचे खाती आसन बदलले त पतई से डहँगी ले अइसन खड़खड़ाइल कि  अचक्के अचकचाऽ के उठ के बइठ गइले बाश्शा निनिआइल। बंदा जब करवट फेर के कहले कि अहो अभी सुत्तऽ, त सुनले जब ‘सुत्तऽ’, तब जाके नीन उनुकर नीके तरी टूटल। टूटल आ दूनो नैन खूलल त पहिले त लागल टकटक्की तब छूटल कँपकप्पी।  लगले बंदा के झोर के जगावे कि उट्ठऽ हो, का भइल, होता का, देखऽ, निरेखऽ, बुझाय त बूझऽ, आ बूझ के हमरो के तनिका बुझावऽ। बंदा देखले कि दूर, डगरल अस चलल जाता दुन्नो-के-दुन्नो बैलगाड़ी आ भीरी, एक, दू, तीन, चार… चउदह गो राखल बा कलसा। एगो कलसा के पेहान उठवले जा त हाय राम, हीरा आ मोती,  सोना आ चानी ! देख के, ई, अलगे जहुअइले, ऊ, अलगे भकुअइले। जहुअइनी-भकुअइनी जब छूटल त बाश्शा कहले कि भाई, बादशा के मँगला प जवन भेंटल, देखऽ, बिधि के बिधान, कि तहरा तवन भेंटल बेमँगले, बिना कवनो हाथ पसरले। अब जोड़ के हाथ आ मूँद के आँख, मने-मने सरधा से एक बेर सुमिरऽ कि कइसे भगवान सिंघ भाई के भेजल दूगो फरिस्ता लो’ आइल, अपने त संगे-संगे गावल, आ अलोप फरिस्तन तक से अपना, गवावल-बजवावल, संगे-संगे कइल लोग खियान-पियान आ बिरत रात में ललसा के कलसा उतार के आस्ते से, बिना कुछ कहले, बिना कवनो लदले एहसान, निकल गइले लोग, पाकड़ के डाढ़-पात खड़खड़ाऽ के, जगाऽ के। आ सुमिरन के बाद, आवऽ, दुचार गो कलसा तू उठावऽ, दुचार गो हम, बकियवा गदहा प लदाय आ घरे चलल जाय। बंदा कहले कि घरे त चलल जाय, बाकिर अतना कुल्ह लाद के काहे ? जवन भगवान इहाँ ले पहुँचइले तवने भगवान घरे लेके अइहें…! बाश्शा बेचारू अथोर समझवले कि अपना हिस्सा के काम त भाई भगवान सँपरइले, थरिया परोस के धइ देले सोझा, आगे के काम खनिहार के, कि कवर उठावे, चबावे, भला ऊहो भगवाने सँपरावें ? त कहले बंदा कि से त ठीक बा, बाकिर परोसल थरिया सोझा त धराय ! अब एकर का माने कि बइठल बानीं दलान में आ खाय खातिर थारी धराइल सीवान में ! अनसाऽ गइले बाश्शा कि बुड़बकदास, दलान में रहितऽ त दलान में दिहिते, जब बड़ले तू बाड़ऽ सीवान में सुत्तल, त सीवाने में न दीहें बेचारू भगवान ! एगो तोहरे काम त नइखे न उनुका, अउरियो त बा उनुका दुनिया जहान ! त हँसले बंदा कि देखस आपन दुनिया-जहान, केहू छेंकले बा, बाकिर, ईहो त जानस कि बंदा के बसगित ना पाकड़ के पेड़ त, ना खेत के मेंड़ प। छावल-छुअल घर हइन उनुका आ लीपल आ पोतल दुआर !

तब्बो, अपना से बाश्शा बहुते समझवले, बाकिर का, कि एन्ने ऊ जतने समझइले, ओन्ने, पाकड़ प टँगाइल सातो भाई ओतने भगवान से मनइले कि अड़ल रहस बंदा, समझस मत बाश्शा के कतनो समझइले ! त सुनले भगवान, सातो भाई चोर के अरदास। कइसे ना सुनितन, करेजा से रहुए जे निकलल ! बाश्शा बहुबिध जुझले, बाकिर, बंदा, ना बुझले बाश्शा के बात, त नाहिंए बुझले।

ओही अधरात बंदा, बाश्शा के धइलन हाथ आ आगे-आगे चल दिहलन। पाछे-पाछे गदहा। बाश्शा के बुझाइल कि पछवा वाला गदहवा से बड़का गदहवा त हमरा अगवा-अगवा…। एने ई लोग आँखी के अन्ह भइले, ओने सातो भाई चोर, एक-प-एक दन्न-दन्न पाकड़ के पेड़ प से उतरले। ई ना देखल लोग कि सँपवा सर्र-से उन्हनी के पहिले उतरल। उतरल आ खुलल-मुँह कलसा में सर्र-से समा गइल। सब जब उतरि आइल, बड़कू कहले कि केहू हड़बड़ाई मत, बनले बोलत बा बिगड़ल बात, अब खबरदार, केहू गड़बड़ाई मत। कहले कि मँझिलकू, तू तनी हाथ लगा के देखऽ कि कलसा में का बा। मँझिलकू खुलल-मुँह कलसा में जतना बेग से हाथ लगवले ओकरा से अधिके उदबेग से निकलले, निकलल आइल हाथ से लपटाइल हतहत गो साँप। कहऽ कि डँसलस ना, झरले त झर गइल, सर्र-से निकल गइल। बाकिर का, कि जात-जात बिना कुछ कहले बहुत बात कह गइल। एगो त ई कि एह कलसवन बा में का ? कवनो में साँप, कवनो में बिच्छी। कवनो में हाड़ा, कवनो में बिर्हिनी। कवनो में चूँटा होई, कवनो में माटा। बिस्तुइया, कनगोजर। दोसरे ई कि ई कुल्ह बदशहवा आ ओकरा इयरवा के चाल। हमन के त भोला-भाला चोर, जरिको ना जनलीं  जा कि हमनी के जानत ई बाड़न स, आ लगलीं जा पाछा। जरिको ना जनलीं जा कि हमनी के जेकरा पाछा, असल में त ऊहे बा लागल, हमनिए के पाछा ! चोरवन बेचारन के डाहे बदे, बाप-रे-बाप, हतना नौटंकी !  हँइसे हरियरी सुँघाऽ के बोका बनावल ! धोबी से धँगवावल, इकवनवा के पैना से पिटवावल, सइसवा के कुकुरा से कटवावल, गदहन के दुलत्ती खियावल, आ तवनो से ना मन मानल त हे देखऽ हो, हई साँप आ बिच्छी आ हाड़ा आ बिर्हिनी आ चूँटा आ माटा, बिस्तुइया, कनगोजर…! अइसन अनेत ! बादशा के इहे बादशाही ?! ईहे ह सरवा एह बंदा के खेती-किसानी ?! कहँवा से सिखलन स इन्हनी के ई नाटकबाजी ? त छोटका भाई बतवले कि ई जवन इन्हनी के साथी बा, बाश्शा, तवने ह असल नाटकबाज। हम का जानीं कि खाली, करबे करेला ना सरवा ई नाटक, नाटक के जियबो करेला ई सरवा !

त भइल कि तजबीजल जाय एकर सजाय। तजबीजल गइल कि एक्के उपाय। कि जेकर ई पठवल बलाय, ओकरे कपार प पटकल जाय। कि उठावल जाय कलसा आ ओकरे घरे गिराऽ आवल जाय ई साँप आ बिच्छी, ई हाड़ा आ बिर्हिनी, ई चूँटा आ माटा, बिस्तुइया, कनगोजर…। त भारी त बहुत रहे, बाकिर, खीस के बल से उठवले जा सातो भाई चउदहो कलसा आ चलल लोग बाई के बेग में, धरती धमकावत।

धमकावे दीं उन्हनी के धरती। कतने धम-धम आ कतने गो धमक अपना करेजा में धइली ई धरती। ईहो धरिहें। जइसे धइली ई धरती बंदा बो हरवाहिन के बिरह-बियोग। ई बिरह-बियोग जेकरा कहे जोग, कहे, जेकरा सुने जोग, सुने, आपन त अतनवे भ जानल कि बंदा बो हरवाहिन अनेसा के नीन में मातल, सनेसा के सपना में जागल, जब दुआरी के सिकड़ी बाजल, अइसन हड़बड़ाऽ के उठली कि केंवाड़ी खोले चलली त घिरसिर के कलसा में केहुनी लागल आ कलसा भुँइया छितराऽ के नौ-नौ ठँइया। बाकिर, भला भगवान कि कलसा फूटल, करम ना, करम हमार जस-के-तस लवटल। ओसहीं जगमग। एगो सँघाती के जोह में गइले त एगो सँघाती के जोड़ के अइले। कहली कि का भइल, कइसे, कुल्ह कह के सुनावऽ, त कहले कि आपन हम काल्ह सुनाइब, आज तू आपन सुनावऽ। त कहली कि ओने तू गइलऽ एने दिन बदरियाइल, बेलावल बैल लोग लवटि के दुआरी प आइल, आ एकरा से आगे त हमहूँ अब काल्हे सुनाइब। अतने जानऽ कि भले तहार रस्ता अगोरत, बाकिर एक दुख ‘संगे-संगे-तहरा-ना-रहला-के’ छोड़ के आ एक ‘दुख-आउर’ के अलावा बाकी कुछ बाउर ना बीतल। पुछले कि एक दुख आउर का ? त कहली कि ऊहो सहाउर। त कहले कि भलहीं सहाउर, बाकिर, बात त बतावऽ कि कवन दुख आउर ? त कहली कि केहुनी से लाग के निसने एगो कलसा के फूट के छितरइला के दुख, एकरा अलावा कुछ आउर ना।

बाश्शा जब देखले कि कलसा के फूट के छितरइला के जतना पछतावा मलिकाइन के, ओतने मलिकार के पछतावा, त लगलन धिरकारे कि बम्मड़ तुनाहीं, चउदह गो कलसा तू तज अइलऽ पाकड़ के फेंड़ त, तवना के कुच्छ ना, आ एगो के फुटला के अतना गुनावन, अदिमी तू हउअ कि निछुने पैजामा ?! त बंदा बतवले, अँइसे कि जइसे कि भेद के कवनो ई बात, कि भाई, कलसवा ई पानी के रहुए…।

थाकल-खेदाइल सब, सब बात काल्ह प छोड़ के, चैन से सुत्तल, बाश्शा के बाकिर, आँखिन में नीने ना। ढिबरी के टिम-टिम में टुकुर-टुकुर छान्ही निहारत लगले सोचे कि कइसन ई नाटक रचाई, कि आखिर में ना कवनो सुक्ख, ना कवनो दुक्ख। त आखिर में काथी ? त कुछ ना, कुच्छो ना, बंदा हरवाह के बउराही ! कुछ अवरू ऊ सोचिते जरूरे, तले गाँव भ के कुक्कुर, एक्के संग लगले जा भूँके। अब भूँकल ओरिआय त आगे कुछ सोचें भा सुत्तें। बाकिर, भूँकल त अँइसे कि जइसे कि दूर से चलल आ कले-कले अवरू भिरियात गइल। त जबरी मुँदले ऊ आँख। तले अइसन ना हड़हड़हड़, अइसन ना खड़खड़खड़ मच्चल, कि उठ के बइठ रहले बाश्शा कि परवरदिगार ! आन पहुँचल का हो कयामत के रात ! धरती के छुअले कि डोलत त नइखे, त पवले कि डोलत त नइखे। बाकिर, देखले जब छान्ही, त अँइसे कि जइसे कि हहास बन्हले आन्ही…।

एह बंद कोठारी के छान्ही के आन्ही में बाश्शा बेचारू उधिआयँ त उधिआय दिहल जाय, चोरवन के सोचीं कि ना होइत भितरे जो बदला के आग-अंगार त कइसे के ठनितन स गाँव भ के कुकुरन से रार, कइसे कर पइतन स गाँव भ के कुकुरन के पार। बिरत रात पवलन स ढिबरी टिमटिमात, त जान त गइलन स कि ईहे घर बंदा हरवाह के, बाकिर, दुआर प देखलन स बैल मरखाह आ गदहा उपरवार, त कहलन स कि फार के छान्ह सीधे कपार प गिरा दिहल जाय, कलसा चउदहो के साँप आ बिच्छी, हाड़ा आ बिर्हिनी, चूँटा आ माटा, बिस्तुइया, कनगोजर। त फान के चढ़ले जा, ओदार के फरले जा छान्ह आ अपना के बड़ा बचा के, बड़ा तन्देही से दनाक दे दिहले जा उलाट, एक साथ कलसा चउदहो। बाकिर का, कि जब साँप के सर-सर सुनाइल ना, सुनाइल ना हाड़ा के बिर्हिनी के भन-भन, झन-झन के झर-झर सुनाइल झन्कार, त फाँफर से झाँकल लोग। झाँकल लोग त हाय हो राम, हीरा आ मोती, सोना आ चानी आ पन्ना, जवाहर… झराझर…। बरखा अस बरखत गहना आ गुरिया, असर्फी-तसर्फी… सातो भाई सातो भाई के तकले, त सातो के सातो मुँहे करखी ! झाँईं-अस आइल आ सातो के सातो भाई छान्ह से लोंघड़ाइल आ लद्द-लद्द तर-ऊपर धरती प आइल। उठहूँ भ बाँचल ना हूब।

त अब जब उठहूँ भ बाँचल ना हूब, त भाग के जइहें जा थोरे, रहे देल जाय जहाँ बाड़न जा तहँवे भहराइल, जतना कहँरत ओकरा से अधिके हहरत, आ ओकरो से अधिका एह बात प झगरत कि कवना कुभाई के रहे ई सलाह कि जेकर ई भेजल बलाय, ओकरे कपार प पटकल जाय ! त अब जब कुछ कहँरल निकल जाय इन्हनी के, निकल जाय कुछ-ना-कुछ हहरल आ झगरल, तब इहँवा आइब, आ आइब, त बात मानीं, इहाँ सब के इहें रउरा पाइब। तले बाश्शा से मिल लीं कि आन्ही में उधियइले ना, त कइले का ! पहिले त खरहरा उठइले आ चहुँओर छिंटाइल गहना-गुरिया, असर्फी-तसर्फी के अहार-बहार के एकोर कइले, धरन-बँड़ेरी प जवन अँटकल रहे, लटकल रहे, तवना के लाठी-लग्गी लगा के उतरले। तवना के बाद, कलसा उठवले आ साज देले घिरसिर प तर-ऊपर। तवना के बाद, कुल्हि कुकुर-भूँक आ हड़हड़-खड़खड़ के चाँप के, अबहीं ले सुत्तल बंदा हरवाह के झोर के जगवले कि जागऽ ए कुम्हकरन के नाती, आ जा के जगावऽ कुम्हकरन के नतिन पतोह के। त करवट बदल के बंदा बड़बड़इले कि सुत्ते द भाई, महिनवन के हउए जगराता, छटाक भ के नीन से कइसे फरियाई ! त कहले बाश्शा कि जब ले तहार जगराता फरियाई तब ले त हमार खुशखबरी निझाऽ के बुताऽ जाई ! सुनते के साथ कि कवनो खुशखबरी के बात, बंदा बो उठ के बइठ रहली चट-से कि कइसन खुशखबरी ! त बाश्शा बतवले कि जा के घिरसिर प देखऽ कि कइसे, एगो तू कलसा गँववलू, तवना के बदला में कौ गो कलसा तू पवलू ! बंदा बो चलली चिहाऽ के, त बंदा चहले धधाऽ के, कि चलीं तनी देख आईं हमहूँ। त बाश्शा धइले उनुकर हाथ कि तहरा बदे भाई, खुशखबरी कुछ आउर। ऊ का ? त कहले कि ई कि तहरा प नाटक हमार, अब पूरम्पूर पूरा। आ अतने ले थोरे, अपना नाँव के जोरे। बंदा पुछले कि का नाँव ? बाश्शा बतवले कि नाटक के नाँव ‘भगवान छपरफार’। बंदा चिहइले कि ई कइसन नाँव ? त बाश्शा लगले सुनावे शुरुए से नाटक के सँउसे कथानक कि कइसे बादशाहूदीन बादशा के बादशाही में जहाँ कहऽ तहाँ, जतना कहऽ ततना, अमन कहऽ अमन, चैन कहऽ चैन। कि कइसे बादशाहूदीन बादशा जेके चाहें कि डेराय, का मजाल कि ऊ ना डेराय ; जेके चाहें कि ना डेराय, का मजाल कि ऊ डेराय। कि कइसे एक दिन के बात कि बादशाहूदीन बादशा के मन में आइल कि अहेर करे जाईं…

सुनावत गइले, सुनावत गइले कथानक, बाकिर का, कि जब अंत में आइल कि फार के छान्ही लगलन भगवानजी चउदह गो कलसा से हीरा आ मोती आ सोना आ चानी के गहना आ गुरिया, असर्फी-तसर्फी बरिसावे त बंदा ना पतियइले। ना पतियइले त बाश्शा उनुकर हाथ धइले, धइले-धइले गइले आ उपरे देखवले कि देख ल भगवानजी के फारल छान्ही, आ भुँइया देखवले  कि देख ल उनुकर बरसावल ई हीरा आ मोती आ सोना आ चानी के गहना आ गुरिया, असर्फी-तसर्फी आ तवना के बाद, देख ल जा के घिरसिर प चउदह गो कलसा। का बंदा हरवाह आ का बंदा बो हरवाहिन, दुन्नो जन गहले जा बाश्शा के गोड़ कि कइसन भगमानी रउआ बानीं कि पा लिहलीं भगवन के दरसन, जियते जिनगानी ! कि हमनी के कइसन अभागा कि सोवत न जागा ! त हँसले बाश्शा कि छोड़ऽ जा गोड़वा, गिरइबऽ जा का ? हमरा त बरिसल लउकल बस, लउकल बरसावल, तहरा ना लउकले त हमरो त नाहिंए लउकले बरिसावत भगवान। आ सोच के देखऽ कि कइसन बम्मड़ तू बाड़ऽ, कि अतनो ना जनलऽ कि जवन भगवान दूइ बैलगाड़ी प लाद के चउदह गो कलसा पठवले, तवन भगवान तवने कलसवन के लाद के कपारे प इहँवा ले अइहें ? भला भगवान किहाँ कमकर-करिन्दा के कवनो अकाल !

सुनले त बंदा आ बंदा बो दुन्नो जन उठले हबड़ाऽ के, कि हाय राम, उनुकर करिन्दा लोग आइल, पैदल चल के, कलसा कपार प उठा के, त धरम रहे हमन के कि भेजितीं जा दुचार कवर नीमन खियाऽ के, सँपरित त पियरी पहिराऽ के ! कहिहें जा भगवान किहाँ जा के कि अइलीं जा छूँछा, केहुओ ना पूछा, त कइसन मन होई खराब भगवान के ! त भइल कि देखल जाय खेत-बधार में जा के, कवन ठेकान कि कवनो गाछ-बिरीछ तर बइठल सब भेंट जायँ, हाँफत-सुस्तात !

भला कि खेत-बधार ले धावे के ना परुए। दुअरिए प मिल गइले प्रभुजी के  सातो करिन्दा। कहँरत आ हहरत। बंदा आ बाश्शा बारी-बारी से सातो के टांग-टुंग के ले अइले भितरे। बंदा बो दूध में हर्दी पकवली, सातो के पियवली। बाश्शा कुछ जड़ी-बूटी बतइले, बंदा ले अइले, बंदा बो जवन पीस के लगावे के रहे तवन पीस के लगवली, जवन गार के पियावे के रहे तवन गार के पियवली। नीम के पानी गरमा के नहवावल गइल, लेटाइल कपड़ा धोआइल, फाटल सियाइल। खियावल-पियावल गइल, निनिआय लागल लोग त बेना झुलाऽ के, लोर मे घोर के लोरी सुनाऽ के सुतावल गइल। जब जागल लोग सातो भाई त पावल लोग सातो भाई कि तबियत अब ठीक बा, हाथ-गोड़ नीके तरी हिलत बा डोलत बा, जोड़-जोड़ में जवन दरद रहे तवन नदारद बा। एक भाई कहले कि जब टांग-टुंग के भितरे ले अइलन स, हमरा त जनाइल कि काट-कुट के अँगना में गड़िहन स, बाकी ना कटलन स, ना गड़लन स, त अपना से बढ़ के जनइलन स। एक भाई कहले कि जब दूध में हर्दी पियवलन स, हमरा त बुझाइल कि जहरवो एही में होई, महुरवो एही में होई, बाकिर, ईहे ना कि ना जहर रहे, ना माहुर, ईहो, कि पियते बुझाइल कि जान में जान मतिन आइल। एक भाई कहले कि जब बूटी पिसाइल हमरा बुझाइल कि एही में पीस के मरिचाई, घाव प लगावल अब जाई, बाकिर,लगवला प बुझाइल जइसे जांगर जुड़ाइल। एक भाई कहले कि नीम के पानी जब लागल गरमाय त हमरा त बुझाय कि नीके तरी खउलइहन स, हरहरा के  उझिलहन स देह प, बाकी इनरा प जा के, ठंढा पानी मिला के, जब नेह से नहववलन स, हमरा त मन में आइल कि नहाते रह जाईं। एक भाई  कहले कि हमरा त बुझाइल कि इनार प हमनिए से पानी भरवइहन स, भरते बेर पाछा से मरिहन स लात, इनरवे में ढकेल के मुँअइहन स, बाकी का, कि अपने खिंचलन स घइलन पानी, हम त अब सोच लेले बानी कि छाइए के जाइब अब आपन उजारल हम छान्ही। एक भाई कहले कि जब लगलन स कपड़ा उतार के धोए, हमरा इयाद परल धोबिया के पूत, कि बुला ओसहीं हमनियो के धो के, फींच-फचकार के गार के पसरिहन स, बाकिर का, कि आहा ! जब छुअलन स, रूई के फाहा ! एक भाई कहले कि भाई, खइला-पियला के बाद, जब आँख निनिआइल आ ई तीनो जन बेना झुलावत, लोरे घोर के लोरी सुनावत भिरियाइल त हमरा त बुझाइल कि बुला सुतला में घेंटी दबाई लोग, सुतले मुँआई लोग। कि इहाँ के रेवाज ह का दो कि मूँअल के नेवर्तक मुँअलका के मुँअला के बादे रोआई-गवाई, मुँआवल के नेवर्तक मुँआवे के पहिलहीं रोआई-गवाई… बाकिर का , कि खुलल जब आँख त देखलीं हा कि सातो-के-सातो हमन भाई सरगे में बानीं, नरक में नइखीं जा…।

अभी आपन-आपन गावते रहन सातो भाई, तले बंदा हरवाह आ बंदा बो हरवाहिन आ बाश्शा कुछ चर-चबेना, कुछ भेली-भूँजा लेके आइल आ जवन आइल तवन सातो के बीच में चदरा बिछाऽ के रखाइल। कहले बंदा, दुनो हाथ दसो नोह जोड़ के कि भाई जी लोग, माफ कइल जाई, अइसन  गलती अब आगे से ना होई। कब्बो अब घर के दुआरी प बैल भा गदहा, कुछ ना बन्हाई। अबकी जब रउआ सब आइब, घर के दुअरिए से आइब। हमने के गलती से, अबकी बे, सातो आप सभनी के, घर के पिछुत्ती से, छान्ही प चढ़े परल, खपड़ा आ नरिया से लड़े परल, आ ढह के, ढिमिलाऽ के भुँइया में गिरे परल, सहे परल घाव, खाय परल चोट,  त हे हो छछात भगवान के करिन्दा जी लोग, जवन चाहीं हमनी के दे दीं सजाय, बाकिर का, कि अपना मलिकार से बताइब मत, जा के ई बात, कि रउरा सब साथ, कइसे आ कइसन आ कतना भइल घात…।

कहत के साथ बंदा के आँख छलछलाइल, बाकिर सुनत के साथ, सातो भइयवन के आँख से बह-बह के बहरी ले आइल। त थोर-बहुत बड़कू आ थोर-बहुत छोटकू, थोरे मँझिलकू, सँझिलकू आ थोर-बहुत छोटकू से बड़कू आ उनुका से बड़कू आ उनुको से बड़कू बताऽ गइले सब-सब साँच, कि कहाँ भगवान के करिन्दा आ कहाँ हमन चोर-चुहाड़, धरती के भार भइल, अबहिन ले जिन्दा ! बतवले आ चउदहो हाथ से छवो गोड़ छनले कि आईं जा तहरा कुछ काम त जिनिगी सुकलान ! त कहले बंदा कि कइसन साधू आ कइसन सिपाही आ कइसन चोर, जेकर जइसन चाव, जेकर जइसन इच्छा, बाकिर भगवान, जेकरा के चुन-गुन के आपन बनवले करिन्दा, ऊहे भगवान के करिन्दा। त तोनहन के हाथे जइसे-जवन-जतना सब भेजले भगवान, ओमें जतना गाँव भ के हिस्सा, ओतने तहार आ ओतने हमार। आपन लेके जो चाहऽ जा जाइल त कइसे भला रोके हम पाइब, बाकिर, हमार त अतने अरदास कि पहिले साथे मिल के गाँव भ में बैना बँटवा दिहितऽ जा, तब आपन हिस्सा उठवा लिहितऽ जा। तोनहन के हाथे आइल, तोनहने के हाथे बँटाइत त ना केहू देला के गुमाने गुमसाइत, ना केहू लेला के लाजे मसुआइत। त कहले जा सातो भाई कि बाँटब जा भाई, बँटवाइब जा भाई, बाकिर का कि भगइबो जो करबऽ त अब, जाइब जा त ना, आ ना, आ नाहिंए ए भाई। एक भाई कहले कि हम देवाल उठाइब, दुसरकू कहले कि हम छान्ही छाइब। तिसरकू कहले कि हम गोतब सानी, चउथकू कहले कि हम भरब कुँइया से पानी। पँचऊँ कहले कि खेत बाकिर हमहीं पटाइब, छठऊँ कहले कि खेती-किसानी में हमरा से अधिका सहाय त रउरा केकरो ना पाइब। सतऊँ कहले कि हम बाकी अपना भउजिए के काम में हाथ बँटाइब। त कहली बंदा बो भउजाई कि अइसन देवर अब कहँवा हम पाइब !

बाश्शा कहले कि एक बात बाकिर हमार। कि तोनहने सात के बात के बखान से नाटक में हमरा, असल अब आइल बा जान। तोनहने के अरनक आ बरनक से चमकी आ गमकी ई नाटक, नाटक से बढ़ के नौटंकी कहाई। तोनहने के पुन्ने-परताप कि अब जब खेलल ई जाई, त देखनिहारन के लागी धरनिहार। सतमहला समियाना के राखे के होई इन्जाम। त भाई हो सात, अजुए, अबहिंए सँकारऽ जा कि खेलल जब जाई ई नाटक, ‘भगवान छपरफार’, त बिना कवनो ना-नुकुर, बिना कवनो धुकुर-पुकुर, बात हमार मनबऽ जा, सातो भाई सात किरदार में अइबऽ जा…। त कहले जा कि काहे ना आइब जा…आइब जा जरूर, सिखइबऽ त सीखब जा काहे ना, नाटक-नौटंकी के सब-सब सहूर… बाकिर, हमनियो के बा एगो बात, कि घोड़ा बनइहऽ, धउराऽ लीहऽ, हरिना बनाऽ के कुदवाऽ लीहऽ, बनाऽ लीहऽ बाघ भा सियार, सीखब जा सवखे से गरजल आ सवखे से सीखब जा फेंकरल, बैल बनवाऽ के नधवाऽ लीहऽ, गदहा के दीहऽ किरदार, लतियइहऽ, दुलत्ती में तनिको जो कम्मी तू पइहऽ, कुक्कुर बनवा के भुँकवा लीहऽ, बाकिर… आ बाकिर… सातो भाई चोर के किरदार, हमन से करावे के सोचबो जो कइलऽ, त भाँड़ में जा तू, आ भन्सार में जाय तहार नाटक…!

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction