श्रद्धांजलि : स्मृतिशेष अनिल अजिताभ

May 20, 2020
धरोहर
, , , , , , , , , , ,
0

लेखक-निर्देशक अनिल अजिताभ के 4 मई के पटना में निधन हो गइल। चित्त बहुत अशांत बा। अभी जाये के उमर त ना रहल ह। भोजपुरी सिनेमा के एगो अइसन निर्देशक जेकरा पर नाज़ रहल ह,  जेकरा से बहुत उम्मीद रहल ह, ओकर असमय गइल झकझोर देलस। जे भोजपुरी में बाहुबली आ रणभूमि जइसन फ़िल्म के निर्देशन कइल, जे हिंदी में जय गंगाजल, अपहरण आ दिल क्या करे जइसन फ़िल्म के असोसिएट डायरेक्टर रहल, जे दामुल,  मृत्युदंड,  अपहरण,  राजनीति आ बंदिश जइसन फ़िल्म खातिर स्क्रीनराइटर के रूप में योगदान दिहल, ओह कमाल के व्यक्तित्व आ सरल-सहज इंसान अनिल अजिताभ जी के निधन सिनेमा के साथे हमार व्यक्तिगत क्षति भी बा। एक दशक के साथ-संगत रहल ह। अनेक बार साथे स्क्रीन शेयर करे के अवसर मिलल बा। हमरा किताब ‘ भोजपुरी सिनेमा के संसार’ में उहां के दर्द छलक के आइल बा। भोजपुरी सिनेमा आ भोजपुरी सिनेमा के निर्देशक के फटेहाली पर उहां के बेबाकी से बोलले बानी। आज उ सब बतिया आ एक दशक के साथ के संस्मरण रह-रह के मन परता। स्मृतिशेष के भावभीनी श्रद्धांजलि।

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction