‘ टोअलो में टिसेला छिँउकिया के साटी राम ‘ जइसन गीतन के रचनाकार चंपारन के रहे वाला कवि अश्विनी कुमार ‘आँसू ‘ के 29 मई के निधन हो गइल। उहाँ के बिहार विश्वविद्यालय में भोजपुरी पाठक्रम लागू भइला पर पद्य आ गद्य संग्रह के संपादन में भरपूर सहयोग कइले रहीं। मंच अउर पत्रिका दुनों के सक्रिय रचनाकार रहीं उहाँ का। सुप्रसिद्ध साहित्यकार डॉ ब्रजभूषण मिश्र जी बतवनी कि उहाँ के गीत टोअलो में टिसेला छिँउकिया के साटी राम पर प्रसिद्ध आलोचक महेश्वराचार्य चौदह पृष्ठ में आपन उद्गार व्यक्त कइले रहीं। हम भोजपुरिआ परिवार के तरफ से भावभीनी श्रद्धांजलि।