हम भोजपुरिआ अउर भगवान राम

August 10, 2020
संपादकीय
0

संपादक- मनोज भावुक

हम भोजपुरिआ के अब ले दू गो अंक राम पर निकल चुकल बा। राम से बड़ हीरो के बा? बच्चा से लेके बूढ़ सबके महानायक राम। सबके आस्था के प्रतीक राम। भोजपुरी क्षेत्र के हर दूल्हा राम। हर दुलहिन सीता। सबसे बड़का मंत्र जय श्रीराम आ जय हनुमान। जनम से लेके मृत्य तक राम। राम से अलग होके त जियले नइखे जा सकत। हमनी के साहित्य में, सिनेमा में, रंगमंच में, लोक में आ परलोक में राम के पड़ताल कइनी जा आ निकलनी जा- लोक में राम ( भाग 1 अउर भाग 2 )। ई हम भोजपुरिआ के तेरहवां अंक ह। एकरा ठीक पहिले, बारहवां अंक रामे जी के नाम रहे।

अब त अयोध्या में राम मंदिर खातिर आधारशिला रखा गइल। अयोध्ये ना सउँसे देश में जश्न के माहौल बा। पीएम मोदी, यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ आ आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत लोग के संबोधित करके राम मंदिर के नींव रखइला पर बधाई दिहल लोग। प्रधानमंत्री कहलें कि राम सबके हैं, और सब राम के हैं।

अयोध्या में राम मंदिर खातिर करीब 500 साल तक चलल संघर्ष अइसे त पिछले साल सुप्रीम कोर्ट के ऐतिहासिक फैसला के साथही अंजाम पर पहुंच गइल रहे। तब हमनी के तत्कालीन राज्य सभा सांसद अउर हम भोजपुरिआ के प्रधान संपादक आर के सिन्हा जी के नेतृत्व में गाँधी संकल्प यात्रा में रहनी सन। हमरा ईयाद बा बोध गया के बाद आगे के यात्रा रद्द क के सीधे पटना आ गइल रहनी जा। सुप्रीम कोर्ट के फैसला से मन आनंदित रहे। ओही समय हम भोजपुरिआ पत्रिका निकाले के योजना बनल आ संपादन के भार हमरा जइसन अनुभवहीन आ कम अध्ययन वाला आदमी के सौंपा गइल। हमरा अंदर भोजपुरी के भूख, जोश आ जूनून इहे हथियार रहे। बहुत तरह के उठा-पटक आ तूफ़ान आइल। कोरोनो आइल। आइल का, अभी बड़ले बा। बाकिर हौसला ना टूटल। यात्रा अनवरत जारी रहल।  12 गो अंक निकलल, जवना में दू गो राम पर।  … अउर अब 5 अगस्त 2020 के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अयोध्या में भूमिपूजन क के भव्य राम मंदिर के बुनियाद रख दिहले त मन में गजब के संतोष आ उत्साह बा। एही से ई सम्पादकीय भी राम के नाम।

हमनी के पीढ़ी बहुत सौभाग्यशाली बा जेकरा श्रीराम जन्मभूमि मन्दिर निर्माण देखे के सौभाग्य प्राप्त होई। काहे कि ई दिन देखे खातिर ना जाने केतना पीढ़ी संघर्ष कइले होई आ केतना रामभक्त आपन खून बहवले होइहें।

प्रधानमंत्री आज के दिन के तुलना 15 अगस्त 1947 से कइलन ह। एही से आज के दिन के महत्व के अंदाजा लगावल जा सकत बा। कोरोना काल के एह सबसे सुखद समाचार पर हम भोजपुरिआ के तरफ से सबके बधाई।

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction