लरकोरी हो गइली अनुष्का शर्मा आ बबीता फोगाट

January 23, 2021
सिनेमा
, , , , , , , , , , , , , , , , , , ,
0

लेखक- मनोज भावुक

लरकोरी हो गइली अनुष्का शर्मा. उनका बेटी भइल काल्ह. बधाई होखे विराट भाई ! जिलेबी बंटाव.

जी हाँ, टीम इंडिया के कप्तान विराट कोहली अब पापा बन गइल बाड़न. उ ट्वीट क के खुशखबरी देले बाड़न. जान जाईं कि विराट कोहली के ऑस्ट्रेलिया दौरा के बीचे से भारत लौटे के पड़ल. एकरा पहिले उ वनडे टी-20 आ पहिला टेस्ट मैच में टीम के हिस्सा रहलें. पापा बनला के बाद विराट कोहली ट्विटर पर खुशी जाहिर करत भावुक होके लोग बाग़ के शुभकामना खातिर धन्यवाद देले बाड़न.

विराट कोहली ट्वीट क के कहले बाड़न कि “हम दोनों को यह बताते हुए बेहद खुशी हो रही है कि हमारे घर बेटी हुई है. हम आपके प्यार और शुभकामनओं के लिए दिल से आभारी हैं. अनुष्का और हमारी बेटी, दोनों बिल्कुल ठीक हैं. हमारा यह सौभाग्य है कि हमें जिंदगी का यह चैप्टर अनुभव करने का मौका मिला. हम जानते हैं कि आप यह जरूर समझेंगे कि इस वक्त हमें थोड़ी प्राइवेसी चाहिए.”

होला का कि अक्सर फैंस के दिलचस्पी अपना पसंदीदा क्रिकेटर आ फिल्म स्टार में एह हद तक होला कि उ ओकरा निजी जिंदगी में भी ताके-झांके भा टिक्का-टिप्पड़ी करे से बाज ना आवे. दरअसल सेलिब्रिटी पब्लिक प्रॉपर्टी हो जाला आ ओकर निजता हमेशा लोग के कैमरा के फोकस पर रहेला. रउरा लोग सैफ-करीना के बबुआ तैमूर के लेके फैंस आ पैपराजी के जूनून के बारे में सुनलही होखब. ओइसही फैंस लोग के विराट आ अनुष्का के बेटी के पहिला झलक देखे के जूनून सवार भइल बा आ काल्ह से लेके आजतक में गूगल पर ई टर्म ‘विराट की बेटी की पहली तस्वीर’ काफी सर्च भइल बा. इहे कारण बा कि विराट पहिलही सबका से अपना निजता के  सम्मान करे खातिर निहोरा कइले बाड़न.

सोशल मीडिया से बच्ची के रखिहें दूर

 

हालाँकि अनुष्का एगो इंटरव्यू के दौरान पहिलही साफ़ क चुकल बाड़ी कि उ आ विराट अपना  बच्ची के सोशल मीडिया से दूरे रखी लोग. उ लोग नइखे चाहत कि उनकर बच्चा के दूसरा बच्चन से स्पेशल बनावल जाय. अनुष्का इहो बतवले बाड़ी कि उ अपना बच्चा खातिर जेंडर न्यूट्रल नर्सरी तैयार कइले बाड़ी. उ एह बात के जोर देके कहली कि, ‘’ मैं नहीं मानती कि लड़कियों को पिंक पहनना चाहिए और लड़कों को ब्लू. मेरी परवरिश में सभी रंग होंगे.’’

प्रेग्नेंसी के दौरान भी एक्टिव रहली अनुष्का

अनुष्का पेट से बाड़ी. ई खुशखबरी अनुष्का आ विराट कोहली अगस्ते में सबका साथ शेयर कइले रहे लोग. बतवले रहे लोग कि जनवरी में उ लोग दू से तीन हो जाई लोग. अनुष्का त एह  दौरान ऐड शूट आ मैग्जीन शूट भी कइली. बेबी बम्प में आपन खूबसूरत तस्वीरो पोस्ट कइली, जवना के उनकर फैन्स लोग बड़ी सरधा से नेशनल न्यूज के तरह देखल आ वायरल कइल.

एह सबसे पहिले एगो ज्योतिष पंडित जगन्नाथ गुरूजी त इहाँ तक भविष्यवाणी क देले रहनी कि विराट आ अनुष्का के बेटिये होई.

अच्छा एगो रोचक आ संजोग के बात अउर देखीं कि ज्यादातर महान क्रिकेटर लोग के पहिलौंठी के लइका बेटिये भइल बा. सर डॉन ब्रेडमैन के अगर छोड़ दिहल जाए त सचिन तेंदुलकर, ब्रायन लारा, रिकी पॉन्टिंग जइसन कई गो महान क्रिकेटर्स के घरे सबसे पहले बेटिये के जन्म भइल बा. विराट कोहली के समकालीन कई गो भारतीय क्रिकेटर के भी पहिला संतान बेटिये बाड़ी, जइसे कि महेंद्र सिंह धोनी, रोहित शर्मा, गौतम गंभीर, मोहम्मद शमी, उमेश यादव, चेतेश्वर पुजारा, आर अश्विन, अजिंक्य रहाणे आदि. अक्सर एह सब खिलाड़ी के साथ कुदरत के एह  संयोग के प्रतिफल भी सुंदर रहल बा माने बेटी के आइल शुभ साबित भइल बा. बेटी के अइला के बाद क्रिकेट मैच में बेहतरीन प्रदर्शन कइले बा लो ई लोग. करियर ऊपरे गइल बा. विराटो अपना करियर के ग्यारहवाँ आईसीसी वर्ल्ड टूर्नामेंट खेले वाला बाड़न त बढ़िया आ बेहतर प्रदर्शन के उम्मीद कइल जाय.

बेटी के लक्ष्मी के रूप अइसहीं थोड़े कहल गइल बा. उ घर में चाहें बेटी के रूप में आवे या बहू  के रूप में, ओकरा अइला से बरक्कते होला. रउरा ईयाद होई कि बेटी जब ब्याह के घर से विदा कइल जाला त ओह दिन एगो रस्म होला, घर भरावल. उ रस्म एही खातिर होला कि घर के  लक्ष्मी के त हमनी दोसरा के देतानी बाकिर जाये से पहिले अगर उ अपना हाथ से घर भर दी  त कबहूँ बेटी के मायका में समृद्धि के कमी ना होई.

विराट कोहली के ज़िन्दगी में एगो गज़ब के इत्तेफ़ाक़ बा. उ साल के 11वां महीना में जनमलें, 11 तारीख के परिणय सूत्र में बंधलें आ 11 तारीख के पिता बनलें. अतने ना विराट कोहली अकेले एगो अइसन कप्तान बाड़न जे एक कैलेंडर साल में 11 सौ रन बनवलें बाड़न.

बबीता फोगाट के बेटा भइल बा

भारत के स्टार महिला पहलवान बबीता फोगाट के बेटा भइल बा. बबीतो आपना पति विवेक सुहाग के साथ ट्विटर पर एगो पोस्ट शेयर क के एह बात के जानकारी देले बाड़ी. लिखले बाड़ी कि, “हमारे बेटे से मिलिए. सपनों में विश्वास करिए, ये पूरे होते हैं. हमारे पूरे हुए हैं. नीले कपड़ो में देखिए.”

2014 कॉमनवेल्थ गेम्स में स्वर्ण पदक जीते वाली बबीता 2018 दिसंबर में विवेक सुहाग के साथे शादी कइली. उ 2020 नवंबर में इंस्टाग्राम पर एगो पोस्ट के जरिए अपना मां बने के  खबर देले रहली.

जान जाईं कि बबीता के पति विवेक सुहाग भी एगो पहलवान हउवन. एह लोग के मुलाकात छह साल पहिले भइल रहे. विवेक भारत केसरी रह चुकल बाड़न. 1 दिसंबर 2019 के दूनो लोग के  शादी भइल. बबीता 2014 में भइल कॉमनवेल्थ गेम्स में शानदार प्रदर्शन करत देश खातिर  गोल्ड मेडल जीतली. बबीता के ऊपर बॉलीवुड में दंगल फिल्म भी बन चुकल बा, जेकरा के  लोग खूब पसंद कइल.

कहे के मतलब कि कोरोना काल खाली उदासी, फ्रस्ट्रेशन, डिप्रेशन आ बेरोजगार होखे के साल नइखे रहल. प्लानिंग, क्रियेशन आ योजना के साल भी रहल बा. ओकर फल सामने बा. सपना  साकार भइल बा.

फिलहाल अनुष्का शर्मा आ बबीता फोगाट सोईरी में बा लोग. बच्चा-जच्चा खातिर हमार शुभकामना.

 

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction