राउर सनेस

संपादकीय के लास्ट वाला शेरवा त करेजा में घुस गइल।

दु तीन बेर पढनी ह, संपादकीय, बाकिर मन ना भरल ह।बहुते नीक लागल।

विनोद कुमार सिंह, कोलकाता

सत्कार्य खातिर हृदय से धन्यवाद।

डॉ. महामाया प्रसाद विनोद, पटना

बहुत सुंदर आ सार्थक पहल।

डॉ. रंजन विकास, पटना

थाती अंक भइल ई। बढिया काम भइल। बधाई।

सौरभ पांडेय, प्रयागराज

ई लमहर आ सराहनीय कार्य खातिर मनोज भावुक जी के हार्दिक बधाई आ शुभकामना। एह कठिन काम के सफलतापूर्वक सम्पन्न करेवाला डॉ. ब्रजभूषण मिश्रा जी के सादर प्रणाम।

गरिमा बंधु, अहमदाबाद

बहुत ही सराहनीय पहल।जय हो।

बी एम उपाध्याय, दिल्ली

बहुत सुंदर योजना, हमनिओं के बहुत कुछ जाने के मिली। पत्रिका के लिंक मिले के इंतजार रही ।

शुभकामनाएं।

अभिषेक कुमार, पिलानी

वाह, ई‌ तऽ ख़ूबे भइल

भावुक भाई के बधाई आ

सार्थक सहयोग खातिर

आदरणीय ब्रजभूषण मिश्र जी

के सादर प्रणाम।

तंग इनायतपुरी, सिवान

एह काम खातिर प्रिय भावुक जी के हार्दिक बधाई।

सूर्यदेव पाठक पराग, गोरखपुर

अनमोल।संग्रहनीय अंक।बधाई हो संपादकीय टीम के।

रामेश्वर गोप, छपरा

वाह आप तो सदा बधाई के पात्र हैं। आपके पास जो भोजपुरीयॉ डाटा है, किसी के पास नही है। आपकी सदा जय हो भावुक जी।

दीप श्रेष्ठ, पटना

कमाल के अंक। संग्रहणीय। जय हो। जय भोजपुरी।

सत्यकाम आनंद, मुंबई

सुंदर थाती। एके जगहा सभे कोई भेंटा जाई,ई बहुत बड़हन कृति होई।

सभे के आभार एह ध्रुव प्रयास के धरातल पर उतारे खातिर।

उदय नारायण सिंह, छपरा

मुझे यह महत्वपूर्ण अंक चाहिए। मूल्य और पता भेजने की कृपा करें।

रामबहादुर मिसिर, लखनऊ

संग्रहणीय अंक बा …!  नयकी नस्ल के भोजपुरी प्रेमियन के पुरनकी पीढ़ी से परिचित करावे क एगो स्तुत्य प्रयास !! आभार आ अभिनंदन श्रद्धेय डॉ ब्रज भूषण मिश्र जी आउर भावुक जी के।

शशि प्रेमदेव, बलिया

बहुत बड़हन काम। इ अंक संगिरहा लायक बा।आभार और बधाई।

शैलेश वर्मा, जमशेदपुर

केतरे भेंटाई ई पत्रिका. ऑनलाइन बा ?? कौनो लिंक ?

पराग छापेकर, मुंबई

सराहनीय काम कइनी भावुकजी । — नेपाल से धन्यवाद।

रामप्रसाद शाह

ई एतिहासिक काम बा ।शोध करेवाला लोग के फायदा होई। बधाई।

डॉ. वीरेन्द्र नारायण पांडेय