भारतीय सिनेमा खातिर नयका साल होखे वाला बा शानदार

February 17, 2022
सिनेमा
0

मनोज भावुक

2021 के शुरुआत जब भइल त कोरोना के पहिला त्रासदी के बाद लोग अपना घाव पर मरहम करत रहे। वैक्सीन भी आ गइल रहे अउरी मेडिकल आ फ्रन्टलाइन वर्कर लोग के लागत रहे। भारत के लगभग हर राज्य में सिनेमाघर आधा क्षमता के साथे खुल भी गइल रहे आ जीवन सामान्य होखे लागल रहे। तबले दुसरका लहर के दस्तक भइल आ देखते देखते एक महिना के भीतर उ तबाही मचा देहलस। लोग पर लोग मरे लागल। ओह लहर में बहुत तबाही मचल। बाकिर मई से 18 बरिस के ऊपर सभकरा के वैक्सीन लागे लागल त धीरे-धीरे कोरोना नियंत्रण में आइल चालू भइल जुलाई के बाद से। आ फेर लॉकडाउन के नियम में ढीलाई भइल आ फिल्म व्यवसाय जवन ठप्प हो गइल रहे, कोरोना नियम के पालन करत चालू भइल।

अब देखीं पिछला तीन चार महिना से सब बढ़िया से चले लागल बा त फेर ओमीक्रॉन वेरीएंट के चलते तीसरा लहर के डर सतावे लागल बा। जब अक्टूबर से पूरा भारत में सिनेमाघर खुले के घोषणा भइल बा तबसे बड़का फिल्म रिलीज होखे लागल। सबसे पहिले अक्षय कुमार के बेलबॉटम रिलीज भइल, जवन ठीक ठीक व्यवसाय कइलस। ओकरा बाद कंगना रनौत के थलाईवी रिलीज भइल जवन औसत व्यवसाय कइलस, बाकिर ओटीटी पर हिट भइल। अमिताभ बच्चन, इमरान हाशमी के फिल्म चेहरे रिलीज भइल त उ फ्लॉप हो गइल। ओकरा बाद आइल सूर्यवंशी जवन सुपर हिट भइल। अपना पहिला सप्ताह के कलेक्शन 120 करोड़ के कइलस आ कुल कलेक्शन 195 करोड़ के रहल खाली भारत में। बाहर के देश में भी सूर्यवंशी अच्छा कमाई कइलस अउरी साल 2021 के सबसे बड़ कमाई करे वाला फिल्म बन गइलस।

फेर दू गो ठग के कहानी पर बनल फिल्म बंटी और बबली के सीक्वल आइल जेमें नया बंटी अउरी बबली के लिआवल गइल। ई फिल्म बॉक्सऑफिस पर आपन कमाल ना देखा पवलस। कारण रहे, खराब पटकथा अउरी जबरदस्ती के सीक्वल बनावल। ई फिल्म साढ़े 12 करोड़ के आंकड़ा पर सिमट गइल अउरी फ्लॉप साबित भइल। ओकरा बाद सत्यमेव जयते 2 आइल जवन त अउरी खराब फिलिम रहे। जॉन अब्राहम के ई फिलिम जबरदस्ती के मसाला आ डायलॉग डालला के चलते एकदम पकाऊ फिल्म बनल। रिव्यू एतना बदतर मिलल कि जॉन के प्रशंसक के अलावा अउरी केहु ना गइल सिनेमाघर में एकरा के देखे। ई फिल्म के बजट 60 करोड़ के रहे आ कमइलस मात्र 13 करोड़। जेकरा चलते ई भइल फ्लॉप फिल्म।

एकरा अगिला दिने आइल सलमान खान आ उनके बहनोई आयुष शर्मा के फिल्म, ‘अंतिम – द फाइनल ट्रुथ’। ई फिल्म के तारीफ भइल आ लोग फिल्म देखे भी गइल। अच्छा कलेक्शन भी कइलस बाकिर फ्लॉप के तमगा मिलिये गइल। वजह रहे एकर 45 करोड़ के बजट आ टोटल कमाई 39 करोड़ के। बाकिर ई फिल्म ओटीटी पर भी बढ़िया चली एकर आशा बा। सुनील शेट्टी के बेटा अयान शेट्टी के लॉन्चिंग बड़ा हल्ला मचा के कइल गइल लेकिन बेचारु 30 करोड़ के बजट भी अपना फिल्म कॉलेक्शन ना निकाल पवलें। फिल्म 26 करोड़ के टोटल कमाई कइलस आ फ्लॉप हो गइल। हालांकि एकर शुरुआत बहुत बढ़िया भइल रहे पहिला वीकेंड में। जेंगा अउरी भी स्टार-पुत्र के साथे होला। अयान भी अपना अभिनय से लोग के प्रभावित ना कर पवलें। लीक से हटके फिल्म करे वाला आयुष्मान खुराना के फिल्म चंडीगढ़ करे आशिकी सेक्स चेंज करा चुकल एगो ट्रांसजेंडर के कहानी रहे, जवन रिव्यूअर के बड़ा प्रभावित कइलस। बाकिर फिल्म के बजट ढेर होखला के चलते फिल्म फ्लॉप के श्रेणी में शामिल हो गइल। फिल्म के टोटल कमाई साढ़े 26 करोड़ रहल आ बजट रहल 40 करोड़ रहल।

एह सब के बीच जवन फिल्म बहुत कमा रहल बा त उ बा हॉलीवुड फिल्म स्पाइडर मैन – नो वे होम आ दक्षिण भारत के अल्लु अर्जुन के फिल्म पुष्पा। ई दुनू फिल्म बॉक्स ऑफिस पर ताबड़तोड़ कमाई कर रहल बाड़ी सन। एही बीच 24 तारिख के 1983 विश्वकप पर बनल फिल्म 83 भी रिलीज भइल ह। खूब हाइप आ पब्लिसिटी के बादो ई फिल्म उ तहलका नइखे मचा पवले। एह फिल्म के तारीफ भी बहुत भइल ह आ फिल्म बनल भी बहुत बढ़िया बिया बाकिर फिल्म ओह हिसाब से कलेक्शन नइखे कर रहल। कई गो मेट्रो सिटी में त मल्टीप्लेक्स 83 के स्क्रीन भी घटा रहल बाड़ें अउरी पुष्पा आ स्पाइडरमैन के शो बढ़ा रहल बाड़ें। पुष्पा हिन्दी में 66 करोड़ के कमाई कर लेहले बा अउरी करत जा रहल बा। स्पाइडरमैन खाली 183 करोड़ कमा चुकल बा अउरी आगे बढ़ रहल बा। फिल्म 83 अभी 66 करोड़ ही बटोर पवले बा जबकि फिल्म के बजट 200 करोड़ बा।

आवे वाला साल में भी शानदार फिल्मन के धमाका होखे वाला बा। जइस पहिले सप्ताह में रिलीज होई फिल्म आर।आर।आर। सुपरस्टार अजय देवगन, साउथ के सुपरस्टार जूनियर एनटीआर अउरी रामचरण तेजा आ आलिया भट्ट के ई फिल्म अभिए से बहुत लोकप्रिय हो रहल बा। लोग के यकीन बा कि ई फिल्म बाहुबली के रिकॉर्ड तूरी। फेर ओकरा अगिला सप्ताह भी एगो बड़ लव स्टोरी फिल्म राधे श्याम आवे वाला बा, ई भी बॉक्स ऑफिस पर विशेष कमाल देखाई। जनवरी में ही अपना अलग विषय आ फिल्म निर्माण शैली खातिर मशहूर विवेक अग्निहोत्री के फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ आई जवन कश्मीरी पंडितन के खूनी पलायन पर आधारित बा। ई फिल्म विदेशन में पहिले ही धूम मचा चुकल बा। ओहि बीच जॉन अब्राहम के एगो सुपरहीरो फिल्म ‘अटैक’ भी आवे वाला बा जेकर प्रोमो देखके लोग हॉलीवुड से तूलना कर रहल बा। अगिला साल में भारतीय सिनेमा के एगो बड़हन फिल्म ‘ब्रह्मास्त्र’ भी आवे वाला बा जवना के कई साल से लोग प्रतीक्षा कर रहल बा। त रउआ भी तइयार रहीं 2022 में आवे वाला दमदार फिल्मन खातिर।

 

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction