युद्ध कब खतम होई ?

May 6, 2022
पंडीजी के पतरा
0

दीपक कुमार

यूक्रेन आउर रूस  के बीच चल रहल युद्ध के बारे में ज्योतिषीय विश्लेषण

आज सम्पूर्ण विश्व के सामने एकही सवाल बा कि यूक्रेन आउर रूस के बीच चल रहल युद्ध  कब समाप्त होई ?

हमरा परिचित लोग के कईगो फोन आइल कि रउवा ई बताईं कि युद्ध कब खत्म होई;

हमार स्पष्ट उत्तर बा – 8 अप्रैल 2022 के बादे।

लोग के कहनाम बा, अइसन काहे ? ई युद्ध 3-4 दिन से ज्यादा ना चले के चाहीं …

जब हम ए बात के लिखत बानी युद्ध के शुरू भइला लगभग 20 दिन हो गइल बा।

लोग के युद्ध के बारे में जिज्ञासा आउर अनिश्चितता बढ़ गइल बा।

हमरा ए दुनो देशन के बारे में तनी-सा सामान्य जानकारी बा आउर हमरा ई नइखे मालूम कि कवन देश सही बा आ कवन देश गलत बा ?

युद्ध अपने आप में एगो अप्रिय घटना होखेला आउर एकरा से दु:खे-दु:ख मिलेला। युद्ध के बारे में नीचे दिहल विश्लेषण ज्योतिषीय बा आउर ई विश्लेषण मये ग्रह के चाल पर आधारित बा।

ए विश्लेषण में ई जाने के कोशिश कइल गइल बा कि ई युद्ध कब खत्म सकेला?  ई विश्लेषण केतना सही बा, ई बात त आवे वाला समय ही बताई।

यूक्रेन आउर रूस के बीच युद्ध के शुरुआत 24 फरवरी 2022 के भइल रहे।

ए तिथियन के दौरान यदि हमनी के महत्वपूर्ण ग्रह सब के स्थिति के देखम सन आउर ए बात के पता लगाएम सन कि ग्रह सब के चाल में का विषम बा त पाएब सन कि 15 फरवरी 2022 से मंगल ग्रह आउर शुक्र ग्रह पृथ्वी से धनु राशि में लगभग एके साथ बहुते नजदीक से गुजर रहल बा।

सच्चाई ई बा कि दुनो ग्रह एक दूसरा से बहुते दूर बा  परंतु काहे से कि हमनी का पृथ्वी पर से ओ सब के देखत बानी सन त हमनी के अइसन लागता कि मये ग्रह एके साथे बा।

मंगल ग्रह के युद्ध, आक्रामकता, सेना, अग्नि, दुख-दर्द आदि के ग्रह मानल जाला आउर शुक्र ग्रह के संगीत, सिनेमा, नाटक, अभिनेता, कलाकार आदि खातिर शुभ मानल जाला।

काहेसे कि ई ग्रह लंबा समय से एक दोसरा से बहुत नजदीक बाड़न स, एही से ई मानल जात रहे कि ई संकेत कलाकार आउर संगीत समुदाय खातिर शुभ नइखे आउर अइसन आदमी खातिर त अउरो जेकरा खातिर शुक्र या मंगल या दुनो ही ग्रह हानिकारक होलें। ए समयावधि में लता मंगेशकर, बप्पी लहिड़ी जइसन कलाकार आउर संगीत क्षेत्र के कवगो बड़हन हस्ती हमनी से दूर हो गइल लोग।

ई बात याद रहे के चाहीं कि 15 दिसंबर 2021 से 26 मार्च 2022 तक ग्रह भी अपना अवस्थिति रहे सब। ग्रह सन के असंतुलन एगो अइसन विकट स्थिति होला जहवाँ मये ग्रह राहु-केतु अक्ष के एकही ओर संरेखित होखेलें।

यूक्रेन के राष्ट्रपति भी देश के राष्ट्रपति बने से पूर्व एगो कलाकार रहलें।

विदित होखे कि 27 फरवरी 2022 से मंगल ग्रह लगभग 44 दिन खातिर मकर राशि में चल गइल आउर उहवाँ घुस के बहुते मजबूत हो गइल। मकर राशि पर शनि ग्रह के प्रभाव पड़ल। शनि आम जनता आउर श्रमिक समुदाय खातिर शुभ मानल जालें। मकर राशि के स्वामी शनि भी गोचर होत रहलें, एही से ए बात के आशा ना रहे कि हालत एतना खराब हो जाई। एकरा अलावा बुध ग्रह ( जेकरा के धैर्य आउर संचार खातिर शुभ मानल जाला) आउर शुक्र भी शनि के साथे दिखत रहे। एही सब के चलते ए समय अवधि में अप्रिय घटना के आशंका रहे।

जवन ग्रह शुक्र ग्रह के संगे विचरण करत रहे ऊ 15 मार्च 2022 के बाद एक-दोसरा से दूर होखे लागी। एही से संभावना बा कि 15 मार्च 2022 के बाद ही कवनों सकारात्मक बात सामने आई।

दिनांक 8 अप्रैल 2022 के बाद मंगल ग्रह मकर राशि से कुम्भ राशि में चल जाई जहवां मंगल बलशाली ना रही तब शुभ के संभावना हो सकेला। अइसन भइला पर ही हमनी का ए दुनो देश के बीच चल रहल युद्ध में कुछ नरमी देख सकेनी जा।

दिनांक 26 मार्च 2022 तक ग्रह सब के असंतुलन भी खत्म हो जाई। कहे के मतलब ई बा कि 8 अप्रैल 2022 तक युद्ध समाप्त हो जाए के चाहीं। परंतु एकरा पहिले दिनांक 1 से 6 अप्रैल 2022 के बीच बहुत ही महत्वपूर्ण तिथि बा। 5 अप्रैल 2022 के दिने ग्रह सब के समूह अइसन हो जाई कि ई कवनों बड़हन बदलाव के इशारा करी। 5 अप्रैल 2022 के मंगल ग्रह आउर शनि ग्रह एक दोसरा के बहुत नजदीक होईहें, बृहस्पति ग्रह पर छाया ग्रह केतू पड़ी  आउर सूर्य आ बुध ग्रह एक दोसरा के बहुते नजदीक होईहें जवन बुध के प्रभाव के नष्ट कर दिही।

उपर्युक्त तथ्यन के आधार पर हमरा ई उम्मीद बा कि यूक्रेन आउर रूस के बीच चल रहल  युद्ध 8 अप्रैल 2022 तक खत्म हो जाई।

इंजीनियर दीपक कुमार (मूल लेखक)

डॉ. राजेश कुमार ‘माँझी’ (अँग्रेजी से भोजपुरी अनुवाद)

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction