जनम आ मृत्यु के विज्ञान

October 18, 2022
आवरण कथा
0

आवरण कथा

राय यशेन्द्र प्रसाद

जीवन-भर के सब कइल-धइल, सोचल, इच्छा, चाह, मोह, अनुभव सब मरे के बेरा एक फिलिम के नियर एक झटका में कौंध जाला आ ओकरे सार के रूप में मन में भाव उत्पन्न होला। उहे भाव में स्थित प्राण देह से निकल जाला। ठीक ओइसहीं जइसे रात में बिछवना पर कवनो विचार में अझुरइले-अझुरइले अंघी आ जाला त हमनी के सुत जाइले सन ! कई बार उहे विचार सपनो में आवेला आ ओकरे से सम्बंधित सपनो देखिले सन। बाकी कुछो कर पावे के स्थिति हमनी के ना रहेला काहे कि देहिया त सुतल बा, कुछो करेब सन त कइसे !! भोरे जगला पर ही ओकरा से संबंधित कवनो काम चालू हो सकेला। सुतल मृत्यु ह आ जागल पुनर्जन्म।

कवनो बेकति के स्वभाव देख के बूझल जा सकेला कि गर्भाधान के समय पिता के प्रति माता के भावना कइसन रहे। एक्के माता-पिता के पाँच संतान के स्वभाव अलग-अलग एहि कारण रहेला। हर गर्भाधान के समय माता के भाव-अवस्था अलग रहेला, पिता के भी भाव-अवस्था अलग रहेला। ओकरे छाप बेकति पर आजीवन रहेला।

एहि कारण मरे के घड़ी में परिवार के लोग राम नाम लेबे के कहेला, मुँह में तुलसी दल आ गंगाजल डाल दियाला। ई सब एही कोसिस खातिर होला कि प्राण छोड़े के समय भावना सतोगुणी हो, भगवान के भक्ति में रमल रहे ताकि सद्गति प्राप्त हो। सद् गति माने उच्च कोटि के सतोगुणी माता-पिता, परिवार आ परिवेश मिलो जहाँ जीवन सुखी हो या आउरो प्रगति होखो।

बहुते लोग के भ्रांति बा कि मृत्यु माने मुक्ति ह आ सब समस्या खतम हो जाई। जबकि सत्य ई ह कि मुक्ति मिलेला जीवन के कर्म से आ बिना देह कर्म कइले ना जा सके। मनुष्य-जन्म बहुत दुर्लभ ह। कर्म करे खातिर अत्यंत बढ़िया देह मिलेला। मरला के बाद देह ना रहला से कर्म बन्द हो जाला। सोचला के अलावा खाली लाचारी रहेला। प्रतीक्षा रहेला कब अगिला देह मिली।

Highlighter 4 – गर्भधारण से प्रसव तक आ मृत्य से तेरहवीं श्राद्ध तक जीव पूरापूरी अपना परिवार, हित लोग पर निर्भर रहेला। ई दुनू अवस्था बड़ी असहाय होला। ना अपने से खा सकेला, ना पी सकेला, ना केहू से कुछो कह सकेला। एह से सनातन सभ्यता के सब बिधि-विधान मान के चले के चाहीं। गर्भ में पूर्वज आ माता-पिता के दीहल देह मिलेला। मरला पर पुत्र, परिवार, हित के मानसिक आ भावनात्मक ऊर्जा से सृजित एगो देह मिलेला जेकरा से एक लोक से आगे जाइल जा सकेला। भात, चाउर, जौ, तिल, कुश, चाँदी आदि ई ऊर्जा के सबसे श्रेष्ठ वाहक ह एहिसे पिंड में आ श्राद्धकर्म में एकर खूब परयोग होला। श्राद्धकर्म एहिसे बहुत जरूरी ह। ठीक वइसहीं जइसे गर्भ के रक्षा आ पोषण।

—————–

आत्मा अजर-अमर ह। एकर ना कबो जनम होला आ ना मृत्यु। पर भौतिक शरीर बदलत रहेला जइसे हमनी के कपड़ा पुरान भइला पर ओकर त्याग कर के नया कपड़ा पहिन लेनी सन। इहे नया भौतिक शरीर के प्राप्ति जन्म आ ओकर त्याग मृत्यु के नाम से प्रसिद्ध बा।

आत्मा अभौतिक ह। ओकर निर्माण प्रकृति के कइल ना ह। बल्कि परमात्मा के रूप में आत्मा ही प्रकृति के निर्माता ह। एक परमसत्ता परमात्मा ही अनेक आत्मा के रूप में देखाई पड़ेला। ठीक ओइसही जइसे एक्के गो सूरज अनंत घट के जल में प्रतिबिम्बित होके अनंत देखाई देलन। आपन जवन चेतना के हमनी के ‘मैं’  कहिले सन उहे आत्मा ह।

जीवन-भर के सब कइल-धइल, सोचल, इच्छा, चाह, मोह, अनुभव सब मरे के बेरा एक फिलिम के नियर एक झटका में कौंध जाला आ ओकरे सार के रूप में मन में भाव उत्पन्न होला। उहे भाव में स्थित प्राण देह से निकल जाला। ठीक ओइसहीं जइसे रात में बिछवना पर कवनो विचार में अझुरइले-अझुरइले अंघी आ जाला त हमनी के सुत जाइले सन ! कई बार उहे विचार सपनो में आवेला आ ओकरे से सम्बंधित सपनो देखिले सन। बाकी कुछो कर पावे के स्थिति हमनी के ना रहेला काहे कि देहिया त सुतल बा, कुछो करेब सन त कइसे !! भोरे जगला पर ही ओकरा से संबंधित कवनो काम चालू हो सकेला।

सुतल मृत्यु ह आ जागल पुनर्जन्म। जवन विचार ले के बेकति देह छोड़ेला ( मर के चाहे सुत के) उहे विचार में टँगल रह जाला ( देह के बगैर चाहे सपना में)। तब ले जब ले देह फेर से ना मिल जाव ( पुनर्जन्म से चाहे जाग के)।

यं यं वापि स्मरन्भावं त्यजत्यन्ते कलेवरम्।

तं तमेवैति कौन्तेय सदा तद्भावभावितः।।

गीता 8.6

” हे कौन्तेय ! जीव लोग अंत काल में जवन-जवन भाव के स्मरण करत देह छोड़ेला उहे-उहे भाव वाला देह ऊ लोगिन के मिलेला।”

– श्रीकृष्ण भगवान

“जीव चाहे मनुष्य में संवेग gene (आनुवंशिक कोष) के भीतर से जवना pitch (स्तर) पर उठेला, मृत्यु के समय psycho -plasm (मानस देह) में ओही pitch (स्तर) के wave ( तरंग) के रूप में engraved ( अंकित) हो जाला। मिलन (कवनो दंपत्ति के) के समय इच्छुक शुक्राणु के भीतर ओही जाति (प्रकार) के सृष्टि होखला से tuning होला और मरल बेकति पुनर्जन्म के सुयोग पावेला। इहे जन्म आ मृत्यु के revolving process ( चक्र) ह।”

श्रीश्रीठाकुर अनुकूलचंद्र जी (1888-1969)  पुस्तक: आलोचना – प्रसङ्ग, खण्ड 21, पृष्ठ 107

जे आत्मा शरीर छोड़ गइल ओकर पुनर्जन्म कइसे होला ?  दोसर देह कइसे मिलेला आ दोसर देह में ऊ कइसे ढुकेला?

जब कवनो दम्पत्ति मिलन करेला त ओह बेरा पुरुष के brain – center ( मस्तिष्क-केंद्र) जवना भाव, विचार, सोच से उद्दीप्त होला, उत्तेजित होला ओही सब भाव, विचार आ सोच से मेल खात आत्मा सब पुरुष के मस्तिष्क-केंद्र में आकर्षित होके खिंच आवेली सन। सहस्रार चक्र के क्षेत्र कहल जाला। फेर मेरुदण्ड ( रीढ़) के बीच स्थिति चेतना-प्रवाह (कुण्डलिनी शक्ति) के जरिये नीचे मूलाधार चक्र के लगे अण्डकोष में स्थित शुक्राणु में प्रवेश हो जाला।

शुक्राणु करोड़ों के संख्या में होले सन। हर एक शुक्राणु में एगो आत्मा घुस जाला। करोड़ों शुक्राणुअन में एक-एक कर के करोडों आत्मा। वीर्य द्रव्य ह जवना माध्यम में करोड़ो शुक्राणु पँवड़त आगे बढ़े ले सन। बीज में आत्मा के प्रवेश करते शुक्राणु जीवित हो उठेला। चेतना के संचार हो जाला। शुक्राणु के मुड़ी होला, पूँछ होला। गति होला। मन होला, बोध करे वाला समस्त इन्द्रिय के संगे, सूक्ष्म रूप में।

अगला चरण में एकनी के सभे पुरुष के देह से निकल के नारी के योनि – मार्ग में प्रवेश करे ले सन। बड़ी तेज गति से दउड़त-दउड़त, पँवड़त-पँवड़त, रेंगत-रेंगत। जिनगी के संघर्ष के सुरुआत एहिजा से होला। पहिला प्रतियोगिता परीच्छा इहे ह। काहे कि करोड़ो उम्मीदवारन में से एक्के गो के डिम्बाणु के निषेचन करे के अधिकार मिली। एक्के गो के सेलेक्शन होई। बाकी सब खलास। योनि-मार्ग में अम्लीय द्रव्य के बड़जोर बरसात होला, एकदम जरा देबे वाला। हज़ारन-लाखन शुक्राणु सब मरे लागे ले सन। फेर कई करोड़। हड़कंप मचल रहेला। चारो ओर मरल साथियन के ऊपर से गुजरत करोड़न में से एक शुक्राणु के चुनाव होलां निषेचन खातिर, जीवदेह मिले खातिर।

हेतना करोड़ में से एक्के गो शुक्राणु निषेचन कर पावेला। ई कइसे निर्णय होई कि कवन शुक्राणु निषेचित करी ? आधुनिक विज्ञान एकरा पर मौन बा। आधुनिक विज्ञान कहेला कि ई ‘चांस’ के बात ह, कवनो ठीक नइखे कि केकरा मौका मिली। पर वैदिक विज्ञान में ‘चांस’ के मान्यता नइखे, हर बात का पीछे कवनो कारण जरूर होला।

नारी के मन-प्राण ओह बेरा ऊ पुरुष के लाखों भाव में से जवना भाव से प्रभावित बा उहे भाव से मेल खात आत्मा के डिम्बाणु निषेचित करे दी। अउर कवनो के ना। एकर माने ई ह कि स्त्री के मानस, मनोजगत ऊ पुरुष के प्रति ठीक ओह समय कइसन भावना रखs ता ओइसने भावना रखे वाला आत्मा के निषेचन करे खातिर खींच ली। पुरुष के उहे भाव के नारी संतान के रूप में रूपायित करी, देह प्रदान करी। अउर उहे भाव ऊ संतान के स्वभाव हो जाई जीवन-भर खातिर। एकरा के ही टेम्परामेंट भी कहल जाला। कवनो बेकति के स्वभाव देख के बूझल जा सकेला कि गर्भाधान के समय पिता के प्रति माता के भावना कइसन रहे। एक्के माता-पिता के पाँच संतान के स्वभाव अलग-अलग एहि कारण रहेला। हर गर्भाधान के समय माता के भाव-अवस्था अलग रहेला, पिता के भी भाव-अवस्था अलग रहेला। ओकरे छाप बेकति पर आजीवन रहेला।

इहाँ गौर करे के बात ई बा कि कवनो आत्मा देहत्याग करे के समय जवना भाव में स्थित रही उहे भाव जब कवनो दंपत्ति में मिलन करत समय उत्पन्न होई तब ऊ दंपत्ति ओह आत्मा के अगिला जन्म के माता-पिता हो जाई। लेकिन ई दंपत्ति मनुष्य के हो सकेला भा चौरासी लाख योनि में कवनो जीव के हो सकेला!

ई सब बेकति के कर्म पर निर्भर करs ता। जे जीवन में जइसन कर्म आ चिंतन में निमग्न रहेला ओइसने भाव ओकरा मरे के समय उठेला। फेर ओइसने भाव से खिंचा के ओइसने माता-पिता मिलिहें जहाँ आपन सब कर्मफल के अनुसार ही बाकी सब भी प्राप्त होखी।

परिवार, जन्मक्षेत्र, कुल, वंश, जाति, वर्ण आ देश सबकुछ आपने कर्मफल के अनुसार मिलेला। आपने बिसराइल कर्मफल के ‘भाग्य’ कहल जाला।

एहि कारण मरे के घड़ी में परिवार के लोग राम नाम लेबे के कहेला, मुँह में तुलसी दल आ गंगाजल डाल दियाला। ई सब एही कोसिस खातिर होला कि प्राण छोड़े के समय भावना सतोगुणी हो, भगवान के भक्ति में रमल रहे ताकि सद्गति प्राप्त हो। सद् गति माने उच्च कोटि के सतोगुणी माता-पिता, परिवार आ परिवेश मिलो जहाँ जीवन सुखी हो या आउरो प्रगति होखो।

श्राद्ध, पिंडदान, घंट में जल दियाला काहे कि जवन चीज़ देह छोड़ के निकलेला ऊ खाली आत्मा ना होला। एगो जीव के देह के पाँच कोष होला — अन्नमय कोष ( अन्न से बनल), मनोमय कोष (मन से बनल), प्राणमय कोष, विज्ञानमय कोष आ सबसे भीतर आनंदमय कोष। देह छूटे के बेर खाली एक्के गो कोष छूटेला — अन्नमय कोष। बाकी सब कोष, सब बोध इन्द्रिय ( दर्शन, श्रवण आदि), बुद्धि, चाह, इच्छा, मोह, ममता, तृष्णा, स्मृति सब के सब पहिलहीं जइसन बनल रहेला। खाली ओकर अन्नमय भौतिक रूप खतम हो जाला जवन हमनी के ई पृथ्वी के लोक में देखाई देत रहे। जइसे कवनो अंतरिक्ष-यात्री दोसरा ग्रह पर जा के काम करे खातिर स्पेस-सूट पहिर लेला, ओइसहीं आत्मा आपन चार कोष वाला सूक्ष्म देह पर पृथ्वी के अन्नमय कोष के स्पेस- सूट पहिर के जनम लेला। तबे ऊ हमनी के एह लोक, एह आयाम, एह संसार में कर्म कर सकी,  एहजा के जीव से बात कर सकी, सम्बंध बना सकी।

विष्णु के शय्या दान करे के पीछे भी रोचक कारण बा। सृष्टि के चराचर में, कण-कण में व्याप्त तत्त्व के विष्णु कहल जाला। जइसे बीज से पूरा गाछ निकल आवेला ओइसही जवना बीज के अंकुरण से ई ब्रह्माण्ड निकलल बा उहे विष्णु हउँए। एहिसे से कवनो अभौतिक शक्ति भा दिवंगत व्यक्ति के कुछो सामान आदि दान करे के बा त ओकर नाम से संकल्प कर के विष्णु के दिया जाला। उनका माध्यम से ऊ सब ओह व्यक्ति के मिल जाला काहे कि विष्णु हर जगह बाड़न। दिवंगत व्यक्ति जवना लोक आ जवना अवस्था में होई ओहिजा के हिसाब से ओह रूप में ओकरा सब मिल जाई। जइसे हमनी के अगर केहू के रुपया भेजेब सन त उ अगर अमेरिका में बा त डॉलर मिली, रूस में बा त रूबल आ बांग्लादेश में बा त टाका। समान मूल्य आ भाव में मिली। आउर जवन नोट हमनी के अपना हाथ से दिहले बानी सन उ एहिजा रह जाई। खाली मूल्य आ रूप ट्रांसफर होला। एहिसे दान कइल वस्तु सब एहिजा रह जाला जे सब के पंडी जी के दिया जाला।

तेरहवीं श्राद्ध में श्रेष्ठ जन के भोजन करावल जाला ताकि दिवंगत आत्मा के सद् गति मिले। इ सद् गति के माने का ह ? सद् गति के माने ह जल्दी से जल्दी कवनो श्रेष्ठ परिवार में श्रेष्ठ माता -पिता के जरिये पुनर्जन्म होखो। एहिसे से उत्तम, ज्ञानी, सदाचारी ब्राह्मण लोग के सबसे पहिले भोजन करावल जाला। दिवंगत के स्मृति से सनल भोजन कर के आ दिवंगत के चर्चा दिमाग आ मन में रही त अगर उ लोग घरे जा के पत्नी से मिलित होई लोग त ओजा दिवंगत के गर्भ में आवे के संभावना बढ़ जाई। ब्रह्मभोज के पीछे इहे असली उद्देश्य ह। एहि कारण अइसन-ओइसन कवनो ब्राह्मण के निमंत्रित ना करे के चाहीं। कइसन ब्राह्मण के न्योते के बा एकर शास्त्र के नियम बा। उत्तम चरित्र, सदाचारी, त्रिसंध्या करे वाला, ज्ञानी होखे के चाहीं। और भी नियम बा। ब्राह्मण के अलावे भी खाली उहे लोग के श्राद्ध में बोलावे के चाहीं जे सत् पुरुष बा आ जेकरा घरे दिवंगत के जनम भइला से रउआ खुसी होई। बाकी भीड़ ना करे के चाहीं। श्राद्ध कवनो पार्टी ना ह। आपन हैसियत देखावे खातिर भा सामाजिक दबाव में लोग बिना बूझले भीड़ एकठ्ठा कर देला। जबकि कम से कम लोग के बोलावे के चाहीं।

श्राद्ध में आ पुण्यतिथि पर खाली ओही लोग के भोजन करावे के भा भोजन बाँटे के चाहीं जेकरा परिवार में दिवंगत के पुनर्जन्म होखला पर रउआ आनंद होखो। बाकी हेकरा-तेकरा के भोजन करवला से अगर दिवंगत के आत्मा ओजा खिंचा के जनम ले लेहलस त जीवन-भर ओकरा कष्ट भोगे के पड़ी। ई त निश्चित बा कि ओकर पुनर्जन्म ओही जा होई जइसन ओकर कर्मफल बा। पर अपना इयोर से हमनी के इहे कोसिस रहे के चाहीं कि अगिला जन्म बढ़िया हो। आजकल घोर अज्ञानता के कारण लोग श्राद्ध-पिंडदान छोड़ देले बा आ तीन-चार दिन में निबटा देला लोग। एकरा से बहुत तकलीफ़ होला दिवंगत के आ बचल परिवार के भी।

बहुते लोग के भ्रांति बा कि मृत्यु माने मुक्ति ह आ सब समस्या खतम हो जाई। जबकि सत्य ई ह कि मुक्ति मिलेला जीवन के कर्म से आ बिना देह कर्म कइले ना जा सके। मनुष्य-जन्म बहुत दुर्लभ ह। कर्म करे खातिर अत्यंत बढ़िया देह मिलेला। मरला के बाद देह ना रहला से कर्म बन्द हो जाला। सोचला के अलावा खाली लाचारी रहेला। प्रतीक्षा रहेला कब अगिला देह मिली।

अन्नमय कोष वाला जब ऊ सूट पुरान हो जाला, काम करे लायक ना रह जाला तब जीवात्मा के ओकरा से निकले के पड़ेला। फेर कर्मफल के अनुसार जवना आयाम में, जवना लोक में, जवना योनि में जनम मिली ओही जगह के अनुसार नया देह मिली।

होला ई कि देह से आ परिवार-परिवेश से मोह रहेला, लगाव रहेला आ एहिजा के खान-पान, पसंद- नापसंद सबके आदतो पड़ जाला। ई सब एक्के झटका में ना छूटो। बड़ी पियास लागेला, भूख लागेला, जेकरा चाह के आदत बा ओकरा चाह पियले बिना छटपटी होला। जीवात्मा देह में आवे के कोसिस करेले। ताकि लोग ओकर बात सुन सके, ओकर माँग बूझ सके। एहि खातिर पीपल पर घंट टाँगल जरूरी होला। काहे कि पियास सबसे जेयादे सतावेला। ओकरा खातिर निवेदित पानी देख के ओकरा तृप्ति बोध होला — मानसिक तृप्ति। भौतिक तृप्ति के, साँचो ऊ पानी पियला के, जरूरत ना पड़े, काहे कि उ त भौतिक देह के जरूरत रहे आ अब उ देह हइये नइखे। पर मन त बा, चेतना त बा, आदत त बा। ओकरा तृप्ति चाहीं। भोजन, चाह आदि के भी। एहिसे सनातन संस्कृति में, आर्य संस्कृति में एह सब बात के देख-बूझ के श्राद्ध आ पिंड दान के बिधि बनावल बा। मोटामोटी बारह-तेरह दिन ले बड़ी जेयादे जरूरत पड़ेला। फेर एक बरिस ले हर महीने एक बेर दिहला से तृप्ति हो जाला। मासिक श्राद्ध एहिसे बारह महीना कइल जाला। पृथ्वी के सूरज के एक परिक्रमा तक ले सब जीवात्मा आपन आगे के राह ध लेला।

गर्भधारण से प्रसव तक आ मृत्य से तेरहवीं श्राद्ध तक जीव पूरापूरी अपना परिवार, हित लोग पर निर्भर रहेला। ई दुनू अवस्था बड़ी असहाय होला। ना अपने से खा सकेला, ना पी सकेला, ना केहू से कुछो कह सकेला। एह से सनातन सभ्यता के सब बिधि-विधान मान के चले के चाहीं। गर्भ में पूर्वज आ माता-पिता के दीहल देह मिलेला। मरला पर पुत्र, परिवार, हित के मानसिक आ भावनात्मक ऊर्जा से सृजित एगो देह मिलेला जेकरा से एक लोक से आगे जाइल जा सकेला। भात, चाउर, जौ, तिल, कुश, चाँदी आदि ई ऊर्जा के सबसे श्रेष्ठ वाहक ह एहिसे पिंड में आ श्राद्धकर्म में एकर खूब परयोग होला। श्राद्धकर्म एहिसे बहुत जरूरी ह। ठीक वइसहीं जइसे गर्भ के रक्षा आ पोषण।

आजकल अज्ञानता के कारण लोग तीन-चारे दिन में हवन कर के निबटा देता। एकरा कारण आत्मा सब छटपटात रह जा तारी सन। इहे लोक में, अगले-बगल फँस जा तारी सन घोर कष्ट में। ठीक ओहिंगानी लोग जनम दे के संतान के कूड़ा-करकट में फेंक देता, विशेषकर कन्या- संतान के। ई दुनू कर्म घोर पाप ह- नवजात के फेंकल आ विधिवत् श्राद्ध ना कइल। एकरा कारण पृथ्वी के वातावरण जहरीला हो गइल बा। केहू शांति से नइखे आ चारो ओर हाहाकार मचल बा।

मनुष्य आ जीव के जनम के ई प्रक्रिया बहुत गहन आ विस्तार में बा। एजा संक्षेप में समझावे के कोशिश बा। ताकि एह विज्ञान के बूझ के समाज बेहतर संतान के जन्म दे। उत्कृष्ट, श्रेष्ठ संस्कार से युक्त सतोगुणी मानसिकता आ शारीरिक-मानसिक रूप से स्वस्थ संतान जनम लेव। मानसिक रूप से विक्षिप्त, अपंग आ आपराधिक स्वभाव वाला लोग ना जनमो।

एह सब प्रक्रिया में दांम्पत्य जीवन के, पति-पत्नी संबंध के आ सोच-समझ-विचार कर के बिआह करे के महत्त्व सबसे अधिक बा। बेमेल बिआह से कु-संतान के जनम होला। फेर कतनो लिखावल-पढ़ावल काम ना आवे।

एकरा बाद गर्भाधान के समय आ मनोभाव पर धेआन दीहल अनिवार्य बा। निम्न भाव में, अवसादग्रस्त रहला पर, मिजाज़ चिड़चिड़ाइल रहला पर, अनिच्छा से, मद्यपान कर के, ड्रग्स ले के, खिसियायिल मिजाज़ में, अस्वच्छ कपड़ा में, अस्वच्छ भाव में, अस्वच्छ स्थान पर गर्भाधान से परहेज कइल जरूरी होला। ना त जिनगी-भर पछताए के पड़ जाला। एगो उदाहरण देखीं — पति के लगे गइला के समय पत्नी के मुँह से खराब गंध के एगो झोंका आइल। पति के मन तनी सिकुड़ गइल। पर दुनू बेकत में प्रेम रहे से गर्भाधान हो गइल। जे संतान जनम लिहलस ऊ बड़ा बढ़िया स्वभाव, संस्कार आ ज्ञान वाला भइल। लेकिन ओकरा जनम से ही श्वसन-संस्थान के बेमारी रहे। साँस के नली के भयंकर रोग। जे देखी ऊ कही कि ई केतना दुःख के बात बा कि हेतना बढ़िया लइका के भगवान अइसन कष्ट दे दिहले, बड़ा निर्दयी बा बिधाता जे एह निर्दोष के भाग्य में अइसन कष्ट लिख दिहलस। ई केहू के ना बुझाला जे विधाता माने विधि, प्रकृति के प्रक्रिया, प्रकृति के कार्य-प्रणाली होला। दुर्गन्ध के कारण ऊ पुरुष के मानस-देह आपन साँस के सिकोड़ लेले रहे, साँस से धेआन हटा देहलस। एह कारण से ओह पुरुष के मस्तिष्क-केंद्र ओइसने आत्मा सब के आकर्षित कइलस जवना सब में अपना पूर्व जनम के साँस के रोग अंकित रहे, ओकरा भाव में छपल रहे। कतना के मृत्यु भी साँस घुटला भा साँस-संबंधित कवनो रोग से भइल रहे।

पाठक लोग के मन में सवाल बहुत उठी। काहे कि एह विषय के कई गो आयाम बा, कई मुद्दा बा, कई गो क्षेत्र बा। सब एक्के बेर लिखल संभव नइखे। बस, एगो खाका प्रस्तुत कइल गइल बा कि विषय के महत्त्व आ उपयोगिता पर सबके धेआन जाव। हमनी के व्यक्तिगत आ सामाजिक सब आयाम से ई विषय जुडल बा।

लेख में सब बात वैदिक विज्ञान पर आधारित बा। ऋषि-मुनि महान लोगन के बतावल के सार प्रस्तुत कइल गइल बा। कवनो बात लेखक द्वारा कल्पित ना ह। जे भी मनन करी, चिंतन करी, शोध करी ओकरा सब अपने आप बुझा जाई आ संदर्भ भी मिल जाई।

_वन्दे पुरुषोत्तमम् !_

[परिचय – लेखक श्री राय यशेन्द्र प्रसाद एगो साधक, अन्वेषक आ फिल्मकार हईं। मुम्बई में भूगोल के भू.पू. व्याख्याता आ ज़ी टेलीविजन के भू.पू.निर्देशक रह चुकल बानी।]

 

 

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction