बरवा तर के भूतवा ए बाबा! (मनोज भावुक)

November 4, 2022
सिनेमा , सिनेमा
0

सिनेमा

मनोज भावुक

 

गाँव के रहे वाला बानी भा गाँव रउरा भीतर रहल बा त रउआ जरूर भूत, प्रेत, चुरईल के कथा-कहानी सुनले होखब। चनेसर चाचा ओह बरगद के पेड़ तर से राति में जात रहलें त एगो परछाईं पीछा कइलस। बटेसर बाबा से ओह पकड़ी के पेड़ तर एगो भूत खैनी मंगलस। फलाना बो चाची के बंसवाड़ी में रहे वाली चुरईलिया धs लेहले रहे। रमेसर भाई जरजर दुपहरिया में डीह तर के पोखरवा त झाड़ा फिर के पानी छुवत रहलें तले बुड़ूआ उनके बाँहि धs के पानी में खींचे लागल रहे। अइसन कई गो कथा नान्ह में सुनले होखब आ खूब डेराइल होखब। गाँव में जब दुआरे पर खटिया लागो आ गाँव घर के लोग उहाँ बइठो त अइसन किस्सा खूब सुने के मिले।

एह से बचे खातिर बचपने से सभ केहू हनुमान चालीसा जरूर इयाद करो। खैनी खाए वाला लोग प्रीकौशन के रूप में जब भी कहीं चँवरा, बगईचा, राहे, डंड़ारे सुर्ती मले त एक खिली एक्स्ट्रा बना के असहीं माटी में गिरा देव। कहे, “जे जे भी होखे, आपन बाखरा ले लेव।” ओकरा बाद खैनी दांते तर दाबे। कई बार इहो खीसा लोग सुनावे कि महाराज जमुनिया पर के नेटुअवा भेंटा गउवे। जमुनिया के एगो ड़ाँढ तूर के गिरा देहुवे आ कहुवे, “का बाबू, हम एके खिली खानी।  हमरा महाराज ओही बेरा दू खिली सुरती बना के ओकरा खातिर गिरावे के पड़ गउवे, तब जाके जान बँचुए।

रउआ भी अइसन कई गो खीसा सुनले होखब आ ओमें से कई गो अभी इयादो होई। जइसे बरवा, पिपरवा आ पकड़िया पर के प्रेतवा, पिशाचवा, भूतवा, चुरइलिया डरावना होली सन, ओसहीं फिलिम में भी भूत बहुते भयानक होलें। भारत में भूतिया फिल्मन के इतिहास बहुते पुरान बा।

महल

पहिला फुल लेंथ के भूतिया फिल्म जवन भारत में बनल ओकर नाम रहे ‘महल।  कमाल अमरोही के लिखल आ निर्देशित 1949 के एह फिल्म में अशोक कुमार आ मधुबाला लीड में रहे लोग। ई कमाल अमरोही के निर्देशित पहिला फिल्म रहे। फिल्म तब सुपरहिट भइल रहे। एही फिल्म से लता मंगेशकर के भी करियर स्थापित हो गइल रहे।

मधुमती

1958 में एगो फिल्म आइल मधुमती। एह फिल्म में दिलीप कुमार आ वैजयंती माला मुख्य भूमिका में रहे लोग। ई फिल्म भी बहुत सफल भइल। बाकिर एकर स्टोरीलाइन आ महल के स्टोरीलाइन में एगो समानता रहे कि दुनू नायक के पूर्व जन्म के कहानी पर सेट रहे।

बीस साल बाद

एकरा बाद 1962 में फिल्म बनवले प्रसिद्ध गायक हेमंत कुमार। फिल्म के नाम रहे ‘बीस साल बाद,  आ एह में बिस्वजीत अउरी वहीदा रहमान मुख्य भूमिका में रहे लोग। ई फिल्म भी बॉक्स ऑफिस पर धमाका मचा देहलस। तब भूतिया फिल्म भारत में प्रयोग के तौर पर बनत रहली सन। ई फिल्म मनोरंजन जगत के एगो नया जौनर देहलस जेपर बाद में खूब फिल्म बने लगली सन।

गुमनामभूत बंगला

ओही बीच दू गो फिल्म ‘गुमनाम’ आ ‘भूत बंगला’एके साल रिलीज भइल। ई दुनू फिल्म 1965 के सफल फिल्मन के चार्ट में ऊपर आवेला। गुमनाम में मनोज कुमार रहलें त भूत बंगला में महमूद। एह सब फिल्मन के बहुत सफल होखे के पीछे कारण रहे, एकर स्टारकास्ट, गीत संगीत आ बैकग्राउंड संगीत। ए फिल्मन में तबके मेनस्ट्रीम अभिनेता काम कइले रहे लोग अउरी गीत भी खूब सफल भइल रहे।

सात भाई के टीम बनवलस हिन्दी के खतरनाक भूतिया फिल्म

एकरा बाद आवे वाला दशक में त हॉरर फिल्मन के लाइन लाग गइल। एही बीच मार्केट में उभरलें रामसे ब्रदर्स। रामसे ब्रदर्स सात भाई रहलें अउरी ऊ पहिले तीन गो मेनस्ट्रीम फिल्म बनवले रहलें जवन फ्लॉप हो गइल रहे। ओह लोग के तीसरा फिल्म ‘एक नन्ही मुन्ही लड़की थी’में एगो शैतान के मास्क पहिन के चोरी करे के दृश्य रहे। एही सीन से प्रेरित होके ऊ लोग के भूतिया फिल्म ‘दो गज जमीन के नीचे’ के आइडिया आइल। 1972 में ई फिल्म रिलीज भइल जवन धेला भर बजट में 1 महिना के अंदर शूट भइल रहे। ई फिल्म अभियो खतरनाक भूतिया फिल्म मानल जाला। तब एक शो कई सप्ताह तक हाउसफुल चलल रहे। रामसे ब्रदर्स लगभग 30 गो ले भूतिया फिल्म बनवलें जवन 1972 से लेके 1996 तक रिलीज भइल। एह लोग के कुछ सफल फिल्मन में गेस्ट हाउस, पुराना मंदिर, दरवाजा, बंद दरवाजा, पुरानी हवेली, तहखाना, सबूत आदि बा।

जानी दुश्मन

नागिन फिल्म बना के खूब नाम आ रुपया कमा चुकल राजकुमार कोहली दू साल बाद हिन्दी फिल्म जगत के सबसे बड़ हॉरर फिल्म ‘जानी दुश्मन’लेके अइलें। ई फिल्म सिनेमाघर में रिकॉर्डतोड़ कमाई कइलस आ आजुओ कई गो फिल्म समीक्षक लोग जानी दुश्मन के कल्ट क्लासिक फिल्म मानेला।

 रात

70 से लेके 80 के दशक ले एक से बढ़के एक हॉरर फिल्म अइली सन आ खूब हिट भी भइली सन। जादू टोना, गहराई, रेड रोज, सामरी, डाक बंगला, शैतानी इलाका आदि फिल्म तब चलल रहे। बाकिर 90 के दशक आवत आवत हॉरर फिल्मन के मार्केट ठंडा पड़ गइल। लोग अब भूतिया फिल्म आ ओह में इस्तेमाल होत फार्मूला से बोर होखे लागल रहे। एह दशक में भूतिया फिल्म त नगदे बनली सन बाकिर सफल मात्र एगो फिल्म ‘रात’भइल। 1992 में राम गोपाल वर्मा के दू भाषा हिन्दी आ तेलुगु में बनल फिल्म रात ही बॉक्स ऑफिस पर कमाल देखवलस। हालांकि ई दौर कॉलेज रोमांस आ ड्रामा अउरी रियलिस्टिक सिनेमा के ओर मुड़े लागल रहे।

राज़

हॉरर फिल्मन के बॉक्स ऑफिस पर सूखा ओराइल दस साल बाद 2002 में विक्रम भट्ट के फिल्म ‘राज़’से। फेर राज के तीन गो पार्ट आइल जवन सफल रहल। 

2000 के दशक से अबले भूतिया फिल्म

2000 के दशक से अबले कई गो भूतिया फिल्म काफी सफल भइली सन जे में भूत, कृष्णा कॉटेज, 1920, हान्टेड, हॉरर स्टोरी, रागिनी एमएमस, स्त्री, रूही, बुलबुल, छोरी, लक्ष्मी आदि बा। बिपाशा बसु भूतिया फिल्मन के जान रहल बाड़ी।

भोजपुरी में भूतिया फिल्म

भोजपुरी में भूतिया फिल्मन के लमहर इतिहास नइखे। हालांकि बैरी कंगना भोजपुरी के बहुत डरावना फिल्म मानल जाला। अउरी उल्लेखनीय भोजपुरी हॉरर फिल्मन में बैरी कंगना 2,  बलमा बिहारवाला 2, घूँघट में घोटाला, लाडो, पति पत्नी अउरी भूतनी, प्यार हमारा अमर रहेगा, मंगल फेरा आदि बा।

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction