बिहारी परब सतुआन

July 18, 2023
तीज तेवहार
0

सतुआन भोजपुरी संस्कृति के काल बोधक पर्व ह। हिन्दू पतरा में सौर मास के हिसाब से सुरूज जहिआ कर्क रेखा से दखिन के ओर जाले तहिये ई पर्व मनावल जाला। एहि दिन से खरमास (खर-मास) के भी समाप्ति मान लिहल जाला।

सतुआन के बहुत तरह से मनावल जाला, सामान्य रूप से आज के दिन जौ के सत्तू गरीब, असहाय लोगिन के दान करे के प्रचलन बा। आज के दिन लोग स्नान कवनों जलाशय भा पावन नदी गंगा में कइल जाला, पूजा आदि के बाद जौ के सत्तू, गुर, कच्चा आम के टिकोरा आदि गरीब लोगिन के दान कइल जाला आ अपना ईस्ट देवता, कुलदेवता, बरम बाबा आदि के चढ़ा के प्रसाद के रूप में ग्रहण कइल जाला। ई काल बोधक पर्व संस्कृति के सचेतना, मानव जीवन के उल्लास आ सामाजिक प्रेम प्रदान करेला।

सतुआन के वैज्ञानिक महत्व

आज सउंसे पूर्वांचल में सतुआनी के पर्व मनावल जाला. आजु के दिन भोजपुरिया लोग खाली सतुआ आ आम के टिकोरा के चटनी खाला. साथे-साथ कच्चा पियाज, हरियर मरिचा आ आचार भी रहेला. एह त्योहार के मनावे के पीछे के वैज्ञानिक कारण भी बा. इ खाली एगो परंपरे भर नइखे. असल में जब गर्मी बढ़ जाला, आ लू चले लागेला तऽ इंसान के शरीर से पानी लगातार पसीना बन के निकले लागेला, तऽ इंसान के थकान होखे लागे ला.

रउआ जानते बानी भोजपुरिया मानस मेहनतकश होखेला. अइसन में सतुआ खइला से शरीर में पानी के कमी ना होखे देला, तनि-तनि देरी पर पियास लगावेला आ शरीर में पानी के मात्रा बनवले रहेला। अतने ना सतुआ शरीर के कई प्रकार के रोग में भी कारगर होखेला।

पाचन शक्ति के कमजोरी में जौ के सतुआ लाभदायक होखेला. एकरा में भरपूर प्रोटीन, लवण-पानी के मात्रा रहेला। कुल मिला के ई सतुआ एगो संपूर्ण, उपयोगी, सर्वप्रिय आ सस्ता भोजन हऽ जेकरा के अमीर-गरीब, राजा-रंक, बुढ़- पुरनिया, बाल-बच्चा सभे चाव से खाला.  आजकाल्ह शूगर के मरीज लोग हर जगह मिली, ओह लोगिन खातिर सतुआ दवाई के दवाई आ भोजन के भोजन दूनों ह। 

सतुआ खायें खातिर ढेर बरतन-बासन के भी जरुरत ना परेला। खेत-बधार में किसान-मजदूर लोग, गाड़ीवान लोग अपना गमछों में सतुआ सान लेला। पहिले जब पैदल बारात जाता रहे तब बाराती लोग बोला में भर के सतुआ ले जाते रहे। राह में कतहूं पड़ाव रहते रहे, एके धोती पर दस-पांच लोग के सतुआ सनातन रहे आ लोग बईठ के, हथेली पर सतुआ के लोंदा लेके लोग अचार आ पियाज संगे खा लेत रहे।

असली सतुआ जौ के ही होखेला बाकि केराई, मकई, मटर, चना, तीसी, खेसारी, आ रहर मिलावे से एकर स्वाद आ गुणवत्ता दूनो बढ़ जाला. सतुआ के घोर के पीलय भी जाला, आ एकरा के सान के भी खाइल जाला. दू मिनट में मैगी खाए वाला पीढ़ी के इ जान के अचरज होई की सतुआ साने में मिनटों ना लागेला. ना आगी चाही ना बरतन. गमछा बिछाईं पानी डाली आ चुटकी भर नून मिलाईं राउर सतुआ तइयार.. रउआ सभे के सतुआनी के बधाई. कम से कम आज तऽ सतुआ सानी सभे!

घेंवड़ा: सतुआ में देसी घीव आ गूर मिलाके मीठा सतुआ बनावल जाला। एकरा के घेंवड़ा कहल जाला। जेकरा घरे लइका लोग सतुआ ना खात होखे ऊ लोग के चाहीं कि अपना-अपना लयिकन के घेंवड़ा खिलाईं।

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction