काश, अजय बांगा अउर गुनीत मौंगा से खालिस्तान समर्थक लोग कुछ सिखित

July 18, 2023
सुनीं सभे
0

आर.के. सिन्हा

काश, खालिस्तान के पक्ष में नारेबाजी करे वाला लोग अजय बांगा अउर गुनीत मौंगा से कुछ प्रेरणा ले लित। ई दूनू जन भी कट्टर सिख ह लो आ ये लोग के हालिया उपलब्धि पर सारा देश गर्व कर रहल बा। बांगा ओ वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष बने जा रहल बाड़ें जेकर 189 सदस्य देश बाटे, जेमे 170 देशन के नागरिक संसार के 130 शहरन में काम कर रहल बाड़ें। बेशक, गरीबी के खत्म करे आ विकास के रास्ता देखावे वाला वर्ल्ड के प्रमुख बने जा रहल बांगा के उपलब्धि पर सारा भारत खुश बा।

अगर बात गुनीत मोंगा के कइल जाय त उनका उनके फिल्म ‘द एलीफैंट विस्परर्स’ खातिर आस्कर सम्मान मिलल ह। ‘द एलीफैंट विस्परर्स’ के बेस्ट डॉक्यूमेंट्री शॉर्ट कैटेगरी में नॉमिनेट कइल गइल रहे। गुनीत मोंगा के बारे में देश के तब कायदा से पता चलल जब ऊ “लंच बॉक्स”, “मानसून शूट आउट” आ “गैंग्स ऑफ वासेपुर” जइसन फिल्मन के प्रोड्यूस कइले। ई सब फिल्म हिट भइल आ ये फिल्मन के दर्शक अउर समीक्षक के समान रूप से प्यार मिलल।

आजकल ब्रिटेन, आस्ट्रेलिया, कनाडा आ अमेरिका में कुछ भटकल सिख नवयुवक ना जाने कवना भ्रम में काल्पनिक खालिस्तान के मांग करत देखाई देवे लागल बा  लोग। ये लोग पर गुस्सा से बेसी तरस हीं आ रहल बा। अपना महान गुरु लोग के धरती पंजाब आ भारत के लेके ई लोग जवना तरे से अनाप-शनाप बकवास कर रहल बा लो, ऊ बेहद अशोभनीय बा। ई लोग ई समझ लेव कि अब भारत कबहूँ विभाजित ना होई। भारत के बंटवारा के ख्वाब देखे वालन के निराशा ही होई। ये बिन्दु पर 140 करोड़ भारतीय एक बा। कहीं कवनों विवाद नइखे। अब ऊ जमाना गइल जब आपन-आपन नेतागिरी चमकावे आ प्रधानमंत्री बने खातिर नेहरु अउर जिन्ना हिन्दुस्तान-पाकिस्तान बाँट लिहल लोI अब ओइनन होखे से रहल I

काश, खालिस्तान के पक्ष में नारेबाजी करे वाला लोग अजय बांगा अउर गुनीत मौंगा से कुछ प्रेरणा ले लित। ई दूनू जन भी कट्टर सिख ह लो आ ये लोग के हालिया उपलब्धि पर सारा देश गर्व कर रहल बा। बांगा ओ वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष बने जा रहल बाड़ें जेकर 189 सदस्य देश बाटे, जेमे 170 देशन के नागरिक संसार के 130 शहरन में काम कर रहल बाड़ें। बेशक, गरीबी के खत्म करे आ विकास के रास्ता देखावे वाला वर्ल्ड के प्रमुख बने जा रहल बांगा के उपलब्धि पर सारा भारत खुश बा। अजय बांगा एगो शूरवीर के पुत्र हउअन। उनकर पिता हरभजन सिंह बांगा भारतीय सेना में लेफ्टिनेंट जनरल पद से रिटायर भइल रहले। ऊ 1962, 1965 आ 1971 के जंग में शत्रु सेना के दांत खट्टा क दिहले रहलन। अजय बांगा के परिवार बहुत आस्थावान सिख परिवार ह।

अजय बांगा बेहतरीन मोटिवेशल स्पीकर भी हउअन। उनके नेतृत्व में ही “मास्टर कार्ड” नाम के कंपनी अपना निकटतम प्रतिद्वंद्वी “वीजा कार्ड” के पछड़ले रहे। अजय बांगा मास्टरकार्ड के मोबाइल पेमेंट के क्षेत्र में पहिला नंबर पर पहुंचवलन। ऊ हिन्दी, पंजाबी, इग्लिश के अलावा गुजराती भी बोल लेलन। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के 2015 के अमेरिका यात्रा के समय उनका से फार्च्यून-500 कंपनियन के सीओ मिलल रहलें। ओमे अजय बांगा भी रहले। बांगा के बैंकिंग आ फाइनेंस के दुनिया के एक्सपर्ट मानल जाला। बांगा के अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति बराक ओबामा अपना ट्रेड पॉलिसी से जुड़ल सलाहकार टीम में लेले रहले। अब ऊ वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष बने जा रहल बाड़ें। जाहिर बा कि उनके सलाह से सदस्य देशन के लाभ होई। अजय बांगा वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष पद पर रह के ओ देशन खातिर विशेष योजना ले अइहें जे विकास के दौड़ में बहुत पिछड़ गइल बा।

अगर बात गुनीत मोंगा के कइल जाय त उनका उनके फिल्म ‘द एलीफैंट विस्परर्स’ खातिर आस्कर सम्मान मिलल ह। ‘द एलीफैंट विस्परर्स’ के बेस्ट डॉक्यूमेंट्री शॉर्ट कैटेगरी में नॉमिनेट कइल गइल रहे। गुनीत मोंगा के बारे में देश के तब कायदा से पता चलल जब ऊ “लंच बॉक्स”, “मानसून शूट आउट” आ “गैंग्स ऑफ वासेपुर” जइसन फिल्मन के प्रोड्यूस कइले। ई सब फिल्म हिट भइल आ ये फिल्मन के दर्शक अउर समीक्षक के समान रूप से प्यार मिलल।

पहिले वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष बने वाला अजय बांगा आ फेर गुनीत मोंगा देश के नाम रोशन कइले बा लो। ई साँच बा कि अजय बांगा अब अमेरिकी नागरिक बन चुकल बाड़ें। पर उनका अपना भारतीय मूल के भइला पर गर्व बा। ऊ बार-बार भारत आवेलें। ऊ भारत से दूर जा भी नइखन सकत। आखिर इहे उनकर देश ह। उनकर मातृभूमि ह I

ओने, मूल रूप से दिल्ली के रहे वाली गुनीत मोंगा अब मुंबई में रहेली। गुनीत मोंगा जब आस्कर पुरस्कार लेवे गइली तब ऊ साड़ी पहिनले रहली आ ऊ कहली कि उनका भारतीय भइला पर नाज बा।

जे खालिस्तानी लोग लंदन में भारतीय तिरंगा के अपमान कइल, ओ लो के नींद कइसे आवत होई। ऊ लो त अब अमर शहीद भगत सिंह के भी गाली दे रहल बा। ओ लोग के डूब मरे के चाहीं। ओ लोग के मरे खातिर एसे बेहतर कवनों रास्ता नइखे हो सकत। जवना भारत माता के प्रति हरेक हिन्दुस्तानी अपना जान देवे खातिर तइयार रहेला, ऊ लोग ओकरा खातिर अपशब्द बक रहल बा। ऊ लो भारत आके काहे ना भारत माता आ भगत सिंह खातिर अपशब्दन के प्रयोग करेला। एक बेर क के देखे लो त सही। ओ लो के तब जन्नत के हकीकत सामने से देखे के मौका मिली। पर ई लोग त कायर  ह।

भारत में करोड़न सिख जीवन के अलग-अलग क्षेत्रन में श्रेष्ठ काम कर रहल बाड़ें। देश के प्रमुख समाजसेवी जितेन्द्र सिंह शंटी कहेलन कि उनकर जीवन भारत माता के समर्पित बा। ऊ खलिस्तनियन के ललकारेलन। शंटी लगभग तीन दशक से लावरिस शव के अंतिम संस्कार करवा रहल बाड़ें। ऊ कोविड काल में अपने हाथ से दर्जनों अभागा लोगन के अंतिम संस्कार करववले रहलन। ओ बेरा उनका आ उनके परिवार के कई सदस्य के कोविड हो गइल रहे। लेकिन ऊ हार माने वाला कहाँ रहले। ऊ कोविड के हरवला के बाद फेर से सड़कन पर उतर गइले। पदमश्री पुरस्कार विजेता शंटी रक्त दान के सैकड़ा भी बना लेले बाड़न। ये बीचे, अर्पणा कौर भारतीय समकालीन कला जगत के सशक्त हस्ताक्षर बाड़ी। उनकर कूची 1984 के सिख विरोधी दंगा आ वृन्दावन के विधवा लोग पर खूब चलल बा। अर्पणा कौर के चित्रन में बुद्ध, बाबा नानक आ सोहनी-महिवाल भी मिली लो। उनका चित्र में स्त्री पात्र खूब मिलेला लो। उनका पर सारा भारत गर्व करता।

करीब दू साल पहिले बिजनेस के दुनिया से रिटायरमेंट ले लेवे वाला पीआरएस ओबराय से सारा देश परिचित बा। ओबराय के निगरानी में राजधानी के ओबराय इंटरकांटिनेंटल होटल 1965 में बनल रहे। उनका के भारत के होटल इंडस्ट्री के गॉड फादर मानल जाला। मुंबई के दि ट्राइडेंट होटल 26/11 हमला में बर्बाद हो गइल। लेकिन पीआरएस ओबराय ओही राख के ढेर से फेर खड़ा कइलन। खालिस्तान के मांग करे वाला इयाद क ले कि ओबराय ओ लोग पर थुकबो ना करिहें।

 भारत के चोटी के सिख हस्ती के बात होई त भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान बिशन सिंह बेदी, भारतीय हॉकी टीम के दू पूर्व कप्तान क्रमश: हरबिंदर सिंह आ अजीत पाल सिंह के नाम भी लेवे के होई। भारत के चौतरफा विकास में सिख लोगन के योगदान अमूल्य रहल बा। सारा देश ये सच्चाई के जान रहल बा। बहरहाल, देश के खालिस्तानी तत्वन के साथ कवनों भी तरह के रियायत बरते के जरूरत नइखे। ये लोग के कठोरता से कुचलेके होई।

(लेखक वरिष्ठ संपादक, स्तंभकार अउर पूर्व सांसद हईं)

Hey, like this? Why not share it with a buddy?

Related Posts

Leave a Comment

Laest News

@2022 – All Right Reserved. Designed and Developed by Bhojpuri Junction