पद्मश्री रामचंद्र मांझी ना रहनी

सरिता साज़

भिखारी ठाकुर के टीम के सदस्य, मशहूर कलाकार पद्मश्री रामचंद्र मांझी ना रहनी। 7 सितंबर 2022, बुधवार के देर रात के उहाँ के निधन हो गइल। पटना के आइजीआइएमएस (IGIMS) में उहाँ के अंतिम सांस लेनी। 96 वर्ष के मांझी लंबा समय तक भिखारी ठाकुर के शागिर्द रहनी। उहाँ के सारण जिला के नगरा प्रखंड क्षेत्र के तुजारपुर के रहे वाला रहनी।

श्री माँझी 12 वर्ष के उम्र में भिखारी ठाकुर के नाच दल से जुड़ गइल रहनी जहाँ उहाँ के आंगिक-वाचिक अभिनय सहित धोबिया नाच, नेटुआ नाच, गजल, कव्वाली, निर्गुण, भजन, दादरा, खेमटा, कजरी, ठुमरी, पूर्वी, चइता गायन के गहन प्रशिक्षण प्राप्त कइनी। प्रशिक्षण के पश्चात भिखारी ठाकुरकृत लगभग सभ नाटकन में मुख्य कलाकार के रूप में आपन भूमिका अदा कइनी। रामचंद्र माँझी भिखारी ठाकुर के एक-एक नाटकन के हजारो हज़ार प्रस्तुति देश-विदेश के विभिन्न समारोह आ गाँव के शादी-विवाह-त्योहार आदि में कर चुकल बानी। माँझी जी मोतीलाल नेहरु, जवाहरलाल नेहरू, इंदिरा गांधी, राजीव गांधी, जगजीवन राम, जयप्रकाश नारायण, लालू प्रसाद यादव, नितीश कुमार, राबड़ी देवी, शरद यादव, रामविलास पासवान आ दारोगा राय जस देश के बड़ राजनेता लोग के समक्ष आपन प्रस्तुतियाँ दे चुकल बानी।

भिखारी ठाकुर रंगमंडल के संयोजक आ रामचंद्र मांझी के साथ कई मंच पर अभिनय कर चुकल  जैनेंद्र दोस्त अंतिम समय तक उहाँ के साथे रहनी।

BOX

भिखारी ठाकुर के नाटकन में रामचंद्र माँझी के भूमिका

बिदेसिया: रखेलिन/प्यारी सुंदरी     

गबरघिचोर: गलीज बहु     

बेटी-बेचवा: हजामिन

पिया निसइल: रखेलिन           

गंगा-स्नान: मलेछू बहु     

पुत्र-बध: छोटकी          

भाई-बिरोध: छोटकी  

कृष्णलीला: यशोदा        

ननद-भाउजाई: भाउजाई          

बिधवा-बिलाप: बिधवा स्त्री

BOX

रामचंद्र माँझी के मिलल सम्मान

लाइफ़ टाइम एचीवमेंट कला पुरस्कार (कला संस्कृति एवं युवा विभाग, बिहार सरकार) 2021

संगीत नाटक अकादमी पुरस्कार 2017

पद्मश्री 2021