कहीं, ओली के मुँह में चीन के जुबान त नइखे …

संपादक- मनोज भावुक ओली के बोली सुन के इतिहास के पन्ना फड़फड़ाता। हिंदुस्तान त छोड़ीं नेपाले में हड़कंप मच गइल बा। लोग बाग़ अचरज में बा कि ओली के कहिया से राम बुझाये लगलें। कुछ लोग उनका मुँह के जाँच करावे के माँग करsता। कहीं उनका मुँह में चीन के जुबान त नइखे। नेपाल आ […]

कोशिश कइले पs भारत बनीं आत्मनिर्भर

 आर. के. सिन्हा चीन से सीमा पर भीषण झड़प के बाद से देश में एगो माहौल बन रहल बा कि अब आपन शत्रु देश चीन से आयात बंद कइल जाय। चीन पर निर्भरता ख़त्म होखे। इ बात दीगर बा कि कुछ निराशावादी लोग के लागsता कि इ मुमकिन नइखे। उ आपन पक्ष में  तमाम कमजोर […]

राउर पाती

इहो अंक बहुते दमदार आ असरदार बा ‘हम भोजपुरिआ’ के टटका अंक मिलल। हर अंक की तरे इहो अंक बहुते दमदार आ असरदार बा। अपने माटी के मदिर गंध आ प्रासंगिकता के चटक रंग से सरोबार हर कलम के धार आ तेवर बेजोड़ बा। संपादकीय ‘जिंदगी जंग ह,बोझ ना’  निराशा आ हताशा के अन्हार में […]

ड्रैगन के छाती प तिरंगा लहराई

लेखक : आर. के. सिन्हा एह विस्मयादिबोधक समय में जबकि सउँसे दुनिया अपना-अपना देशवासियन के बचावे में लागल बा, देश के भीतर कई तरह के जोन के सीमा बनावल बा, कई तरह के प्रतिबंध लगाके एगो महामारी के विरुद्ध लड़ाई चलsता … ओही समय एह महामारी के फइलावे वाला चीन के द्वारा भारत के सीमा […]

कइसे पाक एंबेसी बनल भारत के जासूसी के अड्डा

  आर.के. सिन्हा इस्लामाबाद के भारतीय उच्चायोग के दू गो वरिष्ठ कर्मी के पाकिस्तान में जवना बेशर्मी से कुछ दिन पहिले प्रताड़ित कइल गइल, ओकरा बाद भारत सरकार के दिल्ली स्थित पाक उच्चायोग के कर्मचारियन के संख्या में 50 फीसदी कमी करे के आदेश सर्वथा उचित बा। अब इ एकदम साफ हो गइल बा कि […]

राउर पाती

छिपल साहित्यकारन के खोज ई सुखद बा कि ‘हम भोजपुरिआ’ ढेर छिपल साहित्यकारन के सामने ले आ रहल बिया। एकरा से उत्साहित होके अउर नया रचनाकार भोजपुरी का सेवा में लगिहें। बधाई। राम रक्षा मिश्र विमल,  नॉर्थ 24 परगना, बंगाल बहुत दमदार अंक बा बहुत दमदार बा इहो विशेषांक। भोजपुरी साहित्य के गौरव वाला स्तंभ […]

जिंदगी जंग ह, बोझ ना…

संपादक -मनोज भावुक   भोरे–भोरे गौरैया आँगन में चहकल  चाह के दोकानी के आँच बाटे लहकल  …. आ ओही चाह के दोकानी पs, चट्टी पs कुल्हड़ में चाय सुड़ुक-सुड़ुक के पीयत दुनिया भर के बतकही, दुनिया भर के पंचायत, देश-विदेश के समस्या, निजी घात-भीतरघात सब शेयर होखे अपना यार के सङे, दिलदार के सङे, राजदार […]

वुहान बने के कगार पर दिल्ली-मुम्बई

आर. के. सिन्हा कोरोना संक्रमण के मात देवे खातिर भइल लॉकडाउन के बाद, मज़बूरी में अब धीरे धीरे बाजार दफ्तर अउर दोसर कामकाज शुरू होखे लागल बा। बाकिर, ओकर रफ़्तार बहुत धीमा बा। ई त होखही के रहें। वैश्विक महामारी के चपेट में आवे के कारण आम चाहे खास सभ के कमाई पर भारी असर […]

राउर पाती

रेघरिआवे जोग बेजोड़ अंक बा ‘हम भोजपुरिआ’ के विशेषांकन के सिलसिला में इहो एगो  रेघरिआवे जोग बेजोड़ अंक बा, जवना के हर पन्ना पर राउर संपादकीय दम-खम आ मेहनत ऐनक लेखा झलकत बा।  दिल से मुबारकबाद! भगवती प्रसाद द्विवेदी, वरिष्ठ साहित्यकार, पटना ——————————- अपनी माटी की खुशबू से सराबोर पत्रिका भोजपुरी साहित्य की दुनिया में […]

डॉ० प्रभुनाथ सिंह के ईयाद में

   लेखक : मनोज भावुक जन्मतिथि – 2 मई 1940  /  पुण्यतिथि – 30 मार्च 2009 भोजपुरी आंदोलन के अगुआ डॉ० प्रभुनाथ सिंह के जन्मदिन ह 2 मई। 30 मार्च 2009 के दिल्ली से छपरा जात में गोंडा का लगे वैशाली एक्सप्रेस में हृदयाघात से उहाँ के मौत हो गइल। ओकरा एके दिन पहिले हमार […]