अब फेर केहू मैनेजर पांडेय ना होई

खाँटी भोजपुरिया आ हिंदी साहित्य के गंभीर अउर  विचारोत्तेजक आलोचक मैनेजर पांडेय जी के 6 नवम्बर 2022 के दिल्ली में निधन हो गइल।  पांडेय जी से हमार पहिला भेंट सन 2008 में काशी हिन्दू विश्वविद्यालय, बनारस में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भइल रहे। हमनी के एक साथे टेलीविजन के एगो परिचर्चा में भी भाग […]

पद्मश्री रामचंद्र मांझी ना रहनी

सरिता साज़ भिखारी ठाकुर के टीम के सदस्य, मशहूर कलाकार पद्मश्री रामचंद्र मांझी ना रहनी। 7 सितंबर 2022, बुधवार के देर रात के उहाँ के निधन हो गइल। पटना के आइजीआइएमएस (IGIMS) में उहाँ के अंतिम सांस लेनी। 96 वर्ष के मांझी लंबा समय तक भिखारी ठाकुर के शागिर्द रहनी। उहाँ के सारण जिला के […]

ना रहनी भोजपुरी के कवि-कथाकार सत्यनारायण सिंह

भोजपुरी के कवि-कथाकार सत्यनारायण सिंह के 27 नवंबर 2022 के पटना, बिहार में निधन हो गइल। एकावाना घाट, थाना बड़हरा, जिला भोजपुर, बिहार में सन 1945 में महाशिवरात्रि के जन्मल सत्यनारायण बाबू भोजपुरी साहित्य के ना खाली समर्पित लेखक रहनी बलुक भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका के लंबा समय तक प्रायोजक बन के साहित्य के उन्नयन खातिर […]

स्मृतिशेष गीतकार ब्रजकिशोर दुबे

जन्मतिथि- 24 जनवरी 1954 पुण्यतिथि – 14 नवंबर 2022 राष्ट्रपति पुरस्कार से सम्मानित भोजपुरी गीतकार ब्रजकिशोर दुबे के 14 नवंबर के संदिग्ध हालत में मौत के बाद से मीडिया के मित्र लोग लगातार पूछ रहल बा जे ब्रज किशोर दुबे के रहल ह ? इहे भोजपुरी कलम के नियति आ दुर्भाग्य बा। लोग के गीत […]