img448.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min2220

लेखक- मनोज भावुक

1857 के क्रांति के बारे में सभे पढ़ले बा, सुनले बा, जनले बा। अंग्रेज आ ओकनी से प्रभावित अधिकतर इतिहासकार एह महान क्रांति के सैनिक विद्रोह के नाम दे के भुलवावे के कोशिश कइलें बाकिर भारत के लोग एकरा के पहिला स्वतंत्रता संग्राम कहल। एह संग्राम में अइसे त एक से एक लड़ाका लोग रहे बाकिर एगो योद्धा जे अपना बुढ़ापा में भी जवान लेखां लड़ल आ अंतिम सांस तक अंग्रेजन के ग़ुलामी ना मनलस, ओकरा जीवन के आखिरी लड़ाई के जीत के उपलक्ष्य में 23 अप्रैल के विजय दिवस के रूप में मनावल जाला। ओह योद्धा के नाम रहे वीर बांकुड़ा बाबू कुँवर सिंह। कुँवर बाबू 23 तारीख के अपना कटल हाथ पर पट्टी बान्ह के युद्द मैदान में कूद गइलें, 80 बरिस के बूढ़ शरीर रहे बाकिर जोश अइसन कि अंग्रेज के एगो जाँबाज कर्नल ली ग्रांड के सेना समेत भुजरी-भुजरी काट देहलें आ जगदीशपुर के अपना कब्जा में कर के आजाद करा देहलें। कुँवर बाबू के वीरता के इतिहासकार अनदेखी कइलें, लोग उनके भुला देहलस। बाकिर, उनके शौर्य गाथा के सुनला के बाद रोआँ रोआँ फड़फड़ा जाला आ यकीन हो जाला कि उनके समकालीन आ उनका से कई बार आमना सामना के युद्ध करे वाला एगो अंग्रेज अफसर डगलस उनका बारे में साँचे लिखले बा कि “कुँवर अगर जवान होता तो उसने कब का अंग्रेजों को भारत से बाहर खदेड़ दिया होता”।

कंपनी सरकार भारत व्यापार करे के बहाने आइल आ इहाँ अधिकार जमा लेहलस। देश के अधिकतर रियासत अंग्रेजी हुकूमत के अधीन रहे बाकिर कुछ रियासत अइसन भी रहे जवन अंग्रेजन के लगान देव बाकिर अपना मर्जी से राज पाट चलावे आ बाहरी हस्तक्षेप कम होखे देव। अइसने एगो रियासत रहे जगदीशपुर। जगदीशपुर के एगो जमींदार रहलें साहिबज़ादा सिंह आ उनके चार गो बेटा रहलें, कुँवर सिंह, दयाल सिंह, राजपति सिंह, अमर सिंह। साहिबज़ादा सिंह के चाचा आ चचेरा भाई लोग उनसे जगदीशपुर धोखाधड़ी से हड़प लेले रहे जवन उ बाद में अदालती लड़ाई लड़ के हासिल कइलें। ई सब घटना ह 18वीं शताब्दी के सातवाँ दशक से लेके 19वीं शताब्दी के पहिला दशक के बीच के। साहिबज़ादा सिंह के जब जगदीशपुर मिलल त उ कर्जा में नाक तक डूबल रहे। उ कर्जा भरे खातिर खूब कोशिश कइलें बाकिर ना भर पवलें। उनका मृत्यु के बाद सन 1826 ईसवी में जगदीशपुर के हुकूमत उनके सबसे बड़ बेटा कुँवर सिंह के मिलल आ फेर जगदीशपुर के भाग्य चमकल।

कुँवर सिंह व्यवहार कुशल रहलें, मृदुभाषी रहलें अउरी बहादुर रहलें जेकरा चलते अंग्रेज अफसर उनके मुरीद रहलें आ ओकर फायदा उनके ई मिलल कि कुँवर सिंह के राज के शुरुआती समय में अंग्रेज जगदीशपुर के आंतरिक मामला में कम दखल देहलsसन। पटना के कमिश्नर विलियम टेलर के साथे त उनके मित्रता भी चलल। कुँवर बाबू बड़ा परोपकारी रहलें। उ अपना जीवन में एतना दान पुण्य कइलें, सदाव्रत चलवलें कि उनके रियासत के लोग हमेशा कुँवर सिंह के आपन प्यार आ समर्थन देहलस। उनके शासन बेवस्था एह बेरा के लोकतांत्रिक शासन के जइसन रहे। सभके समान अधिकार रहे, सभके बोले के आजादी रहे, सभे खुश आ संतुष्ट रहे। कुँवर के राज से पहिले जगदीशपुर के दिन-दशा बड़ा खराब रहे, रियासत पर लगभग 18 लाख के कर्ज लदाइल रहे, सालाना मालगुजारी से कमाई होखे 6 लाख रुपया के आस पास। कुँवर अइलें, नहर तालाब, बांध के निर्माण करवलें, कृषि के सुधार भइल, लोग में जगदीशपुर के विकास खातिर उम्मीद जागल, जंगल बसावल गइल, सड़क बनल, पाठशाला बनल, पढ़ाई-लिखाई में लोग होशियार होखे लागल आ मेन बात कि अंग्रेजन के हस्तक्षेप कम रहे, एह के परिणति ई भइल कि उहे जगदीशपुर जवन बेहाली में रहे, तरक्की के राहे चले लागल। सालाना मालगुजारी से कमाई सीधे 8-9 लाख के लगे पहुँच गइल आ आज से दू-सवा दू सौ बरिस पहिले एकर मोल अरबों में रहे।

कुँवर सिंह के लोकप्रियता अइसन कि आस पास के जमींदार जरे लगलें, अंग्रेज उल्टा उनके सलामी दागे लगलें। ओह बेरा कंपनी सरकार के अत्याचार चरम सीमा पर रहे, देश भर में विद्रोह के आगि सुनुगत रहे। कुँवर बाबू भी विद्रोहियन के संपर्क में रहलें, 1845 में सोनपुर मेला में एगो बड़हन गुप्त बैठक भी कइले रहलें। जब विद्रोह के आग धीरे-धीरे उपरियाइल त ओकर गर्मी अंग्रेजन तक पहुंचल, ओकनी का चिहुंक गइलन सन। ओहू ओर से तैयारी होखे लागल। जब दक्षिण के दक्कन से लेके उत्तर के दिल्ली, पच्छिम के मराठा से लेके पुरुब के सभ क्रांतिकारी राजा, महाराज, जमींदार, देशी सैनिक में गँठजोड़ भइल कि सुराज पा लेबे के बा त एगो दिन तय भइल। 1 जून 1858 के पूरा देश में अंग्रेजन के खिलाफ जंग होई आ ओकनी के कहीं बाहर से मदद ना लेबे दिहल जाई, सभके एही भारत भूमि में गाड़ दिआई। बाकिर एगो घटना 1857 में बैरकपुर छावनी में घटल। सूअर आ गाय के चर्बी से बनल कारतूस के विरोध में मंगल पांडे नाम के सैनिक के अगुआई में ब्रिटिश आर्मी के देसी पटलन गोरन पर गोली चला देहलस। विद्रोह के ई चिंगारी रहे जवन आग बनल जब मंगल पांडे के फांसी दिआ गइल आ फेर एकाएक चारों ओर क्रान्तिकारियन के मारल जाए लागल।

एने कुँवर बाबू भी तैयारी में रहलन। उ एगो दूरदर्शी सोच के जमींदार रहन। भले उनका लगे छोट रियासत रहे बाकिर उ आपन सेना के गठन कइलें, सेना के ट्रेनिंग खातिर बाहर से ट्रेनर मंगवलें, हथियार के गुपचुप निर्माण खातिर कारखाना बनवलें। दानापुर छावनी में भी विद्रोह भइल आ 25 जुलाई 1857 के तीन गो बटालियन 7वीं, 8वीं अउरी 40वीं बटालियन कुँवर सिंह से मिल गइल। कुँवर सिंह के आपन लड़ाका दल रहबे कइल, बाकी जगदीशपुर रियासत के किसान, मजदूर, सवर्ण जाति के लोग सभ उनसे मिल गइल आ उनके लगभग 5000-8000 के संख्या में सेना बल हो गइल। कुँवर बाबू के नेतृत्व में आरा पर चढ़ाई भइल आ जेलखाना, खजाना, कलक्टर ऑफिस आ थाना सभ पर कब्जा हो गइल। उहाँ के सगरो अंग्रेज अफसर जाके बॉयल हाउस (आरा हाउस) में लुका गइलें आ 6-7 दिन से बंद रहलें। ई कुँवर सिंह के जंग में पहिला लड़ाई रहे। ओकरा बाद कुँवर सिंह डनबर के हरवलें। बाकिर हथियारन के कमी अउरी अत्याधुनिक तोप आ बंदूक के सामने उनकर सेना तितर-बितर हो गइल अउरी एगो अंग्रेज कमांडर विन्सेंट आयर से हार गइलें आ आपन युद्ध रणनीति बदल देहलें। उ बाकी क्रान्तिकारियन से मिले आ अंग्रेजन के खिलाफ लड़ाई करे खातिर दोसरा रास्ता चल देहलें।

2 अगस्त के बाद कुँवर सिंह के अपना सेना के साथे जवन मार्च निकलल त सासाराम, रॉबर्ट्सगंज, रीवा, कलिंजर, बांदा, काल्पी होत कानपुर, लखनऊ, गाजीपुर, आजमगढ़, बलिया, अतरवलिया होत फेर 21 अप्रैल के जगदीशपुर लवटल। एह बीच कुँवर सिंह लगभग 20 गो से अधिका अंग्रेज कमांडर, योद्धा आ अफसरन के नाक से चना चबववलें, कईगो के मउगत के घाट उतरलें, कईगो के जीवन दान देहलें। भारतीय स्वतंत्रता संग्राम के इतिहास में अइसन कवनो बीर बलवान ना भइल जे 80 बरिस के उमिर में 9 महीना के लमहर संग्राम-यात्रा पर निकलल होखे आ एतना क्रांति के आग सभमें भड़कवले होखे। उ अइसन समय रहे कि बड़ बड़ लड़ाका लोग खाली अपने किला आ रियासत खातिर लड़ल। बाकिर एगो भोजपुरिया योद्धा जहां गइल ओकरा खातिर लड़ल। एह क्रम में उनका आँखी के सामने आपन पोता, बेटा, मित्र के जान गइल बाकिर उ लड़त रहलें एह भारत के माटी खातिर, अंग्रेजन के जुल्म मिटावे खातिर। एह लड़ाई में आरा के मशहूर नर्तकी धर्मन बाई भी उनका साथे रहली। कुँवर आ धर्मन के केमेस्ट्री अलग से फेर कबो।

21 अप्रैल के गंगा नदी पार करत बेरा डगलस नाम के एगो अंग्रेज सेना अफसर उनके दाहिना बांह में गोली मार देहलस। कुँवर बाबू बिना हिचक के उ बाँहिए काट के गंगा मइया में दहवा देहले। अगिला दिने उनके घाव पर मरहम पट्टी भइल। तले एगो स्थानीय अंग्रेज अफसर ली ग्रांड के जगदीशपुर पर चढ़ाई करे के खबर आइल। ई घायल बूढ़ शेर फेर दहड़लस आ 23 अप्रैल के अपना प्रिय भाई अमर सिंह, सेनापति हरीकिशन सिंह आ कुछ और योद्धा के लेके ली ग्रांड के मटिया मेट क देहलें। ई उनकर आखिरी लड़ाई रहे, ओह दिन ब्रिटिश झण्डा यूनियन जैक उतरल, परमार वंश के झण्डा लहराइल आ अमर सिंह नया जमींदार बनलें अउरी उनके लइका उत्तराधिकारी। कुँवर बाबू के कटल हाथ के घाव में संक्रमण बढ़ल, बूढ़ शरीर रहे, उनके तबीयत बिगड़े लागल आ ऊ 26 अप्रैल के स्वर्ग के अनंत यात्रा पर चल गइलें। बाकिर, आपन प्रण निभा गइलें कि ना अंग्रेजन के गुलामी स्वीकार करब ना ओकनी के हाथे मरब। बारम्बार नमन बा माँ भारती के सच्चा सपूत वीर बाँकुड़ा कुँवर सिंह के।


image.png

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min2680

विश्वजीत शेखर

देश के आज़ादी के पचहत्तर बरीस पूरा होखे वाला बा आ सरकार का ओर से ‘आज़ादी का अमृत महोत्सव’ नाँव से एगो कार्यक्रम चल रहल बा। एह कार्यक्रम में इतिहास में विस्मृत आज़ादी के नायक-महानायक लोग के भी चिन्हित क के उचित सम्मान देहला के योजना बा। ए कार्यक्रम के नज़र से अगर हमनी का पूर्वी उत्तर प्रदेश आ पश्चिमी बिहार के इतिहास के देखल जाव त अठारहवीं सदी के सारण्य क्षेत्र के राजा आ राजतमकुही के संस्थापक महाराजा फ़तेह बहादुर शाही के संघर्ष गाथा बहुत प्रासंगिक लागी।

महाराजा फ़तेह बहादुर शाही के राजधानी हुस्सेपुर रहे जवन ए बेरा के गोपालगंज जिला में भोरे प्रखंड के लगे पड़ेला। इनका राज्य के चौहद्दी ए बेरा के गोपालगंज, सारण (छपरा), सिवान आ कुशीनगर जनपद में रहे। राजा साहेब के शासन काल में ए बेरा के बिहार राज्य सूबा-ए-बंगाल के हिस्सा रहे जबकि पूर्वी उत्तर प्रदेश के क्षेत्र सूबा-ए-अवध के अंतर्गत स्थापित रहे। महाराजा फतेह बहादुर साही द्वारा बंगाल क्षेत्र के मालगुज़ारी पटना स्थित बंगाल नवाब के कार्यालय में जबकि अवध क्षेत्र के मालगुज़ारी गोरखपुर स्थित नवाब अवध के कार्यालय में जमा करावल जाव।

बक्सर के लड़ाई में कंपनी सरकार से अवध आ बंगाल के सम्मिलित हार के बाद भइल सन 1765 ईसवी के इलाहाबाद संधि के अनुसार बंगाल क्षेत्र पर कंपनी सरकार के हुकूमत कायम हो गइल आ एइजा के मालगुज़ारी के मालिकान हक़ कंपनी सरकार के मिल गइल। महाराज फतेह बहादुर साही गजब के वीर आ स्वातंत्र्यचेता पुरुष रहनी। उहाँ के कवनो विदेशी शक्ति के मालगुज़ारी दिहल उचित ना लागल आ उहाके सन 1765 में कंपनी सरकार से विद्रोह क देहनी। महाराजा फ़तेह साही के विद्रोह ईस्ट इण्डिया कंपनी के सत्ता स्थापित होखे के बाद कइल पहिला विद्रोह रहे। अक्षयवर दीक्षित जी सहित अनेक विद्वान लोग फतेह साही के स्वतंत्रता संग्राम के पहिला नायक के रूप में वर्णित कइले बा।

जयचंद आ मीर जाफ़र से भरल भारत के इतिहास में हर स्वतंत्रता प्रेमी के अपना विद्रोह के कीमत चुकावे के पड़ल बा। महाराजा फ़तेह साही अंग्रेजन से मिलके राज चलावे के स्थान पर उनसे लोहा लेबे के ठान लिहलीं। अंग्रेज जब कवनो कीमत पर उहाँ के राज्य में मालगुज़ारी ना वसूल पवलें सन तब ऊ राजधानी हुस्सेपुर के तबाह कर दिहले सन। अवध पर कंपनी हुकूमत के अधिकार ना रहे, एकर लाभ उठाके राजा साहब अपना राज्य क्षेत्र के अवध वाला हिस्सा में झरही नदी के किनारे, बाकजोगनी जंगल में (वर्तमान तमकुही, कुशीनगर) आपन कैंप लगवलीं आ गुरिल्ला युद्ध के माध्यम से कंपनी हुकूमत से लड़े लगलीं। राजा साहब सन 1790 के आसपास तमकुही के राजधानी बना के राज तमकुही के स्थापना कइलीं जवन वर्तमान में एगो नगर पंचायत, विकास खंड अउर तहसील मुख्यालय बा।

महाराजा फ़तेह शाही जी कंपनी हुकूमत के खिलाफ 23 बरिस तक लगातार संघर्ष कइलीं जेकरा चलते उहाँ का जियते कम्पनी सरकार तमकुहीराज का क्षेत्र में कर वसूली ना करे पाइल। अंगरेज अपना पत्र अउरी गजट में लिखले बाड़े सन कि “बाजीराव पेशवा जेतना परेशान हमनी के सिपाहिन के ना कइलन, ओसे कई गुना अधिका फतेह बहादुर शाही कर दिहलन। प्रसिद्ध विद्वान महापंडित राहुल सांकृत्यायन जी फतेह शाही के महाराणा प्रताप के समकक्ष योद्धा लिखले बानी। ‘आज़ादी का अमृत महोत्सव’ कार्यक्रम के माध्यम से महाराजा फ़तेह बहादुर शाही के चिन्हित कs के यथोचित सम्मान दिहल, इहाँ के गौरवशाली इतिहास अउरी महाराजा के संघर्ष के जन मानस में स्थापित करे के एगो सशक्त कदम होई जेसे आवे वाली पीढ़ी स्वतंत्रता के ए महानायक के जीवन से प्रेरणा ले सकी।

परिचय : विश्वजीत शेखर राय के मूल निवास कुशीनगर जनपद के सलेमगढ़ ग्राम ह। हैदराबाद में एगो बहुराष्ट्रीय आईटी कंपनी में कार्यरत बानी। भोजपुरी भाषा आ साहित्य में रूचि के कारण तमकुही समाचार इ पत्रिका के संपादक बानी। 


img396.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min1850

भगवती प्रसाद द्विवेदी

महल के कंगूरा त अनसोहातो सभकरा के लोभावेला, बाकिर नेंव में दबल ईंटा के ना त केहू कीमत बूझेला, ना ओने निगाहे धउरावे के जरुरत महसूस करेला। इहां ले कि कंगूरो के एह तथ के एहसास ना होला कि नेंव के ईंटे के बदउलत ओकर माथ गरब से उठल बा। देश के आजादी के लड़ाई में जे आपन तन-मन-धन, सउंसे जिनगी हंसते-हंसत निछावर कर दिहल आ आखिरी दम ले गोरन के दमन-चक्र के खिलाफ जमिके लोहा लिहल, ओकरा के आजु  हमनीं के कतना जानेलीं जा! हालांकि ओह लोगन के ई मनसो ना रहे कि लोग ईयाद रखो, बाकिर हमनिओं के त कुछु फरज बने के चाहीं। चंपारण के गान्हीं पं.राजकुमार सुकुल नेंव के ओइसने ईंटा रहलन, जेकर लगातार उपेक्षे होत आइल बा। निलहा गोरन के अमानवी अनेति-अतियाचार ना खाली ऊ अपना आंखी देखलन, बलुक खुद ओकर भुक्तभोगियो रहलन। उन्हुके पहल कदमी से गान्हीं जी आ सउंसे  देश के धियान एह अमानवीयता के ओर गइल अउर तब ओह आन्दोलन के लुत्ती दुनिया-जहान में जंगल के आगी जइसन फइलल। इहे कारण बा कि अहिंसक आन्दोलन के ओह पहिलका प्रेरणास्रोत के केहू ‘चंपारण के गान्हीं’ कहेला, केहू ‘सतवरिया के संत’ संबोधित करेला, त केहू बिहार के अख्यात गान्हीं कहेला। उन्हुकरे भागीरथ प्रयास के परिणाम रहे कि गान्ही जी ना सिरिफ पहिलका बेर बिहार आ चंपारण के धरती पर अइनी बलुक उहवां अहिंसक सविनय अवज्ञा आंदोलन के अगुवाई क के शोषित किसान-मजूरन के ऐतिहासिक जीतो दियववनी। एह दिसाई लोकनायक जयप्रकाश नारायण के कहनाम रहे-‘स्वतंत्रता संग्राम के इतिहास में श्री राजकुमार शुक्ल का नाम अमिट रहेगा, क्योंकि इन्हीं के द्वारा गांधी जी को चंपारण में निलहे गोरों के अत्याचारों की कहानी मालूम हुई और उन्होंने चंपारण पहुंचकर सत्याग्रह छेड़ने का निश्चय किया। चंपारण सत्याग्रह गांधी जी की अहिंसक लड़ाई का पहला अध्याय राजकुमार शुक्ल की प्रेरणा से शुरू हुआ।’

चंपारण में निलहा साहेबन के दइती अनेत के पराकाष्ठा। नील के खेती करे खातिर अलचार छोड़ सभे छोट-बड़ किसान- रैयत गाहे-बगाहे किसिम-किसिम के ‘कर’ के भरपाई के भार, इचिकियों चूं-चपड़ कइला, मुंह खोलला भा अलचारी जाहिर कइला पर कठोर सजा। नील के खेती ना सिरिफ ओह उपजाऊ जमीन खातिर, बलुक सउंसे मनुजातो खातिर सराप रहे। तबे नू एह भावभूईं पर मंचित नाटक ‘नील दर्पण’ देखते ईश्वर चंद्र विद्यासागर जी अगिया बैताल हो गइल रहलन आ निलहा गोरा बनल कलाकारे के जूता से पिटाई कइले रहलन।

आगा चलिके राजकुमार सुकुल जब 1916 में 26-30 दिसंबर के आयोजित लखनऊ कांग्रेस में उहां के दुरदसा आ उत्पीड़न के दारुण दास्तान सुनवले रहलन, त शर्म-शर्म के आवाज गूंजि उठल रहे आ पहिला बेर राष्ट्रीय मंच पर ई ममिला रोशनी में आइल रहे। निलहन के आतंक के करुण कहानी पं. राजकुमार सुकुल के भाषन के जबानी-‘चंपारण के निलहों और रैयतों के बीच संबंध बहुत दिनों से सौहार्द्रपूर्ण नहीं रहा है। निलहे पहले तो रामनगर और बेतियाराज से जमीनों के ठेके प्राप्त करते है और नील की खेती आरंभ करते है। अनुबंध की शर्तों के अनुसार, किसान के प्रत्येक बीघा में तीन कट्ठा जमीन रैयतों द्वारा नील की खेती के लिए अलग कर दी जाती है, लेकिन निलहे ये शर्तें पूरी करने पर भी संतुष्ठ नहीं है। निरीह रैयतों को अपने खेतों में बेगार करवाने के लिए मजबूर करते है और जब कभी रैयत किसी कारणवश उनके किसी हुक्म का पालन नहीं कर पाते है, तो वे उनकी प्रताड़नाओं के शिकार होते है। निलहे इतने शक्तिशाली हो गए हैं कि खुद ही दीवानी और फौजदारी मुकदमों के फैसलें करते है तथा जिस तरह चाहते है, गरीब रैयतों को दंडित करते है। इस बात की जांच करने के लिए सरकार को कई बार अनुरोध किया गया, लेकिन बहुत दिनों तक हमारी कोशिशे बेकार साबित हुई। निलहों के अत्याचार के कारण 1908 ई. में बहुत बड़ी अशांति हुई। बंगाल सरकार ने इस बात की जांच करने के लिए एक अधिकारी को प्रतियुक्त किया, लेकिन इस जांच का परिणाम सार्वजनिक नहीं किया गया है और सैंकड़ों की संख्या में गरीब रैयतों को जेल भेज दिया गया है। मैं चंपारण का एक रैयत हूं। मैं नहीं जानता कि जब मैं चंपारण वापस जाउंगा तो यहां आने तथा आप सबों को यह सुनाने के कारण मुझे क्या-क्या भुगतना पड़ेगा….(‘शर्म-शर्म’ के आवाज)।’

पच्छिमी चंपारण के जिला मुख्यालय बेतिया। उहां से दस बारह किलोमीटर उत्तर-पच्छिमी दिशा में मौजूद बा सतवरिया गांव। पांच हजार के आबादी वाली बस्ती। नजदीक के रेलवे स्टेशन चनपटिया। ओही सतवरिया गांव के ब्रह्मभट्ट साधारण किसान कोलाहल सुकुल के एकलउत पूत का रुप में 23 अगस्त,1875 के राजकुमार सुकुल के जन्म भइल रहे। कबों ऊ गिरहत्त परिवार धनी-मनी आ खुशहाल मानल जात रहे, जब बीस गो बैल, तीस-पैंतीस गो गाय आ सैकड़न भइंस दुआर के शोभा बढ़ावत रहली स, बाकिर निलहा सभ कुछु तहस-नहस कर के धर देले रहलन स।

होस सम्हारते राजकुमार निलहा गोरन के बर्बरता अपना खुलल आंखि से देखले रहलन आ भीतरे-भीतरे उन्हुका बालमन में बगावत के लुत्ती ज्वालामुखी बनिके दहके लागल रहे। आभाव में इस्कूली पढ़ाई कायदा से ना हो पावल। बस जइसे-तइसे लिखे-पढ़े भर के ज्ञान हासिल भइल। ब्रह्मभट्ट के कारण जजमनिको ना अपना सकत रहलन। एह से एगो मामूली किसान बनल नियति रहे।

गोर रंग, दुबर-पातर काया, मझिला कद-काठी। रुखल-सूखल बार। गाढ़ा के अंगरखा, ठेहुन ले सस्ता धोती आ कान्ह पर अंगवछा। आगा चलिके माथे पर टोपियो सोभे लागल। कुल्हि मिलाके एगो ठेठ गंवई के सूरत रहे सुकुल जी के, जेकरा टूटल-फूटल हिन्दी आ भोजपुरी के अलावा अउर कवनो भाषा ना आवत रहे।

सुकुल जी ना चहलो पर अपना पनरह फीसदी उपजाऊ जमीन प नील के खेती करे आ मनमाना ढंग से लदाइल सिंचाई, बपही-पुतही, बेंटमाफी, मड़वच, कोल्हुआवन, चुल्हियावन बेचाई फगुअही, दशहरी, अमही, कटहरी, दस्तूरी, हिसाबान, तहरीर, महापात्री नियत अनिगत कर भरे खातिर अलचार रहलन। मजबूर रैयत किसान सुकुल जी बेलवा कोठी के अधीन मुरली भरहवा में खेती करत रहलन। कोठी के मैनेजर मिस्टर ऐमन बड़ा सख्त आ क्रूर अंगरेज अफसर रहे। ओह घरी घर आ कोला के जमीन पर लगान ना लागत रहे। सुकुल जी खूब मेहनत-मशकत्त करके तैयार कइले, त मि. ऐमन के कारिन्दा के हुकुम दे दिलहन स।

‘ई त सरासर नाइंसाफी बा। जब कोला के जमीन लगान- मुक्त बा, त अइसन आदेश काहें?’ सुकुल जी हाथ जोडि़के पुछलन।

‘यह मेरा हुक्म है!’ मिस्टर ऐमन उहां पहुंचिके फरमान जारी कइलस, ‘अगर ऐसे नहीं मानता, तो इसके घर के सारे सामान नष्ट कर दो और झोपड़ी में आग लगा दो’।

सुकुल जी गलत आदेश माने खातिर कतई तइयार ना रहलन। फेरु त उन्हुका आंखिए के सोझा सभ कुछु तहस-नहस कर

दिहल गइल। पलानी के आगी त कुछु देर बाद बुता गइल रहे, बाकिर उन्हुका भीतर आक्रोश आ नफरत के आग लगातार धू-धू कर जरते गइल रहे। ओइसे त सुकुल जी के लरिकाइएं में बतावल गइल रहे कि ईस्ट इंडिया कंपनी के जरिए गोरन के अतियाचार 1600 ई. से चंपारण में बदस्तूर जारी रहे आ उनइसवीं सादी के पहिलहीं से उहां के रैयतन के माली हालत लगातार खस्ता होत चलि गइल रहे, बाकिर मैनेजर ऐमन के ओकरा कारिन्दन के कारगुजारी त उन्हुका के हिला के राखि देले रहे। उन्हुका आंतर में अंगरेजन के खिलाफ विदरोह के चिनगारी के बिया बोआ गइल रहे।

फेरु का रहे! सुकुल जी ‘जो घर जारे आपनो, चले हमारे साथ’ के ऐलान करत रैयत किसान-मजूरन के संगठित करे के अभियान शुरू कर दिलहन। निलहा गोरन के अमानुषिक अतियाचार-अनेति के जरी-सोरी उखाडि़ फेंकल उन्हुका जिनिगी के मकसद बनि गइल रहे। बाकिर ऐमन के एह बात के भनक मिलि गइल रहे आ ऊ खिसिया के राजकुमार सुकुल पर एगो झूठ मुकदमा दायर करके तीन महीना के जेहल के सजा दियवा दिहलस। बाकिर जेहल से राजकुमार चट्टान नियर मजबूत-दीढ़ होके बहरी निकललन। ‘याचना नहीं, अब रण होगा’ के दीढ़ संकल्प कर के।

ऊ हजारन किसानन के संगठित कइलन। अगुवाई में आपन दूगो इयार शेख गुलाब, शीतल राय के संघतिया बनवलन। एह सांगठनिक विदरोह के विस्फोट तब भइल, जब 1911 में ब्रिटिश सम्राट जॉर्ज पंचम नेपाल में शिकार के लुत्फ उठवला के बाद नरकटियागंज पहुंचलन। उहंवा पनरह-बीस हजार किसान उन्हुका के घेरि के दरद भरल दास्तान सुनवलन आ खुलेआम विरोध के ऐलान कइलन। जनजागरण अभियान में तेजी आवे लागल। अप्रैल,1915 में जब बिहार सूबा के राजनीतिक सम्मेलन छपरा शहर में आयोजित भइल, त राजकुमार सुकुल  उहवां चंपारण के किसानन के बदहाली आ व्यथा-कथा सुनाके सभका के मरमाहत कर दिलहन।

9 जनवरी,1915 के दक्खिन अफ्रीका से रंगभेद के खिलाफ सत्याग्रह कर के जब मोहनदास करमचंद गान्हीं भारत लवटलन, त लखनऊ कांग्रेस अधिवेशन ले उन्हुका चंपारण के जनता पर निलहन के दमनचक्र के जानकारियों ना रहे। सुकुल जी अपना भाषन में ऊ हिरदय बिदारक दास्तान सुनवले रहलन, जवना पर ‘शर्म-शर्म’ के आवाज गूंजल रहे। ऊ बेरि-बेरि गान्हीं जी के धियान खींचल चहलन आ गिड़गिड़ा के एक हाली अपना आंख किसानन के दयनीय दसा देखे के विनती कइले रहलन। गान्हीं जी भरोसा दियवले रहलन कि कोलकता से लउटत, ऊ चंपारण के जातरा जरुर करिहन। अधिवेशन से बेतिया लवटि के ऊ गान्ही जी के एगो एतिहासिक चिट्ठी लिखले रहलन। 27 फरवरी,1917 के लिखल ऊ चिट्ठी एहू से एतिहासिक रहे कि ओह में सबसे पहिले आ पहिलकी बेरि ऊ मोहनदास के ‘महात्मा’ संबोधित कइले रहलन। फेरु त गान्ही जी के बिहार के भूइं पर 10 अप्रैल,1917 के उतरहीं के परल रहे। इहंवे से चंपारण का रुप में देश में पहिलका हाली गान्हीं जी अहिंसक आन्दोलन के शुरूआत कइले रहलन, जेकर प्रेरना सुकुल जी से मिलल रहे। फेरु चंपारण में गान्ही जी के देखे खातिर जब भीड़ उमड़लि रहे, त ऊ हुलसा से जनसमुदाय के संबोधित करत भोजपुरी में कहले रहलन- ‘देख लिहीं सभे! ‘महात्मा’ जी आ गइली।

कइसन अद्भुत पारखी रहलन सुकुल जी! आगा चलिके कविन्द्र के खातिर ना, सउंसे दुनिया खातिर गान्ही बतौर ‘महात्मा’ विख्यात हो गइल रहलन।

आखिरकार सुकुल जी के अथक मेहनत, निहोरा रंग ले आइल। गान्ही जी के सुकुल जी के कोलकाता बोलावन आ नौ अप्रैल,1917 के रात खा दूनों जना हावड़ा से रेलगाड़ी धइलन। दस अप्रैल के सबेरे दस बजे पटना जंक्शन पर उतरलन। ओही रात खा मुजफ्फरपुर खातिर रवानगी। उहवां चार दिन के ठहराव। पनरह अप्रैल के मोतिहारी खातिर प्रस्थान। मोतिहारी के जसौलपट्टी गांव में गान्हीं जी के जाए पर ब्रिटिश सरकार के रोक। मुकदमा बाजी गान्हीं जी के खुदे ममिला के पैरवी कइलन। नतीजन मुकदमा उठा लिहल गइल।

आखिर गान्ही जी के नजर में राजकुमार सुकुल के का अहमियत रहे? गांधी जी अपना आत्मकथा में चंपारण, उहां के अहिंसक आन्दोलन के प्रेरना-स्त्रोत राजकुमार सुकुल के विस्तार से चरचा कइले बाड़न। उन्हुकर कहनाम रहे-‘…इस अपढ़, परन्तु निश्चयवान किसान ने मुझे जीत लिया…उनका और मेरा मिलाप पुराने मित्रो सा जान पड़ा। इससे मैंने ईश्वर का, अहिंसा का और सत्य का साक्षात्कार किया, यह कहना अतिशयोक्ति नहीं है, बल्कि अक्षरश: सत्य है। इस साक्षात्कार में अपने अधिकार का विचार करता हूं तो लोगों के प्रति प्रेम के सिवा कुछ नहीं मिलता। प्रेम और अहिंसा में मेरी अचल श्रद्धा के सिवा कुछ नहीं। चंपारण का वह दिन मेरी जिंदगी में ऐसा था, जो कभी भुलाया नहीं जा सकता।

ई राजकुमार सुकुल के दीढ़ निश्चय आ भीस्म प्रतिज्ञा रहे कि गान्ही जी के चंपारण के जातरा करे के परल। खाली उन्हुके ना, डॉ. राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, जे. बी कृपलानी, महादेव देसाई वगैरह नामी-गिरामी नेतनो के चंपारण पहुंचे के परल। गान्ही जी एक-एक करके परत-दर परत किसानन के शोषन-दमन के तहकीकात शुरू कर देले रहलन। फेरु त आग-बबूला होके अंगरेज अफसर उन्हुका के चंपारण छोड़े का फरमान जारी कर दिहलन स। बाकिर गान्ही जी जब हुकुम के अवहेलना करत खुदे मोकदमा लड़े आ सजाई काटे के निरनय लिहलन, त मजबूरन सरकार के ना खाली आपन आदेश रद्द करे के परल, बलुक एगो जांच कमेटी गठित कर के गान्हियो जी के ओकर सदस्य बनावे के परल। अंतत: चंपारण के किसानन के दुरदसा के समूल खात्मा भइल, जब 4 मार्च, 1918 के विधान परिषद् से एह आशय के विधेयक पारित भइल कि फसल उपजावे के ममिला में सभ कुछु रैयतन के मरजी पर निर्भर रही। एह तरी से चंपारण में महात्मा गान्ही के पहिल सविनय अवज्ञा आन्दोलन के कामयाबी राजकुमार के प्रेरना से हासिल भइल।

बाकिर सुकुल जी के गोरन के खिलाफ विदरोह त जिनिगी भर जारी रहल, काहेंकि ब्रितानी सरकार झूठा आरोप मढि़के निरीह किसानन आ आम जनता के प्रताडि़त कइल बन्न ना कइले रहे। सन् 1929 के मई महीना में ऊ साबरमती आश्रम पहुंचल रहलन आ बापू से उन्हुकर भेंट आखरी भेंट साबित भइल रहे, काहेंकि साबरमती सेवाग्राम के संत के दर्शन कर के सतवरिया के ऊ संत 20 मई,1929 के मोतिहारी के ओही ठेकाना पर हरदम-हरदम खातिर आंखि मूंदि लेले रहे, जहवां चंपारण अइला पर गान्ही जी ठहरल रहलन। चंपारण के उनइस लाख जनता ‘चंपारण के गान्ही’ के लोर भरल आंखि से

फफकि-फफकि के आखिरी विदाई देले रहे। इहां ले कि उहां के क्रूरतम अंगरेज अफसर मिस्टर ऐमन मरमाहत होके सुकुल जी के दामाद के पुलिस महकमा में बहाली की चिट्ठी आ आर्थिक मदत देत कहले रहे- ‘उस आदमी की कीमत दूसरे लोग क्या समझेंगे! चंपारण का वह अकेला मर्द था, जो मुझसे पचीस वर्ष लड़ता रहा’।

सांच त ई बा कि पं. राजकुमार सुकुल के मंशा ना त कवनो आन्दोलन के अगवाई करे के रहे आ ना राष्ट्रीय नेतृत्व सम्हारे के। ऊ त चंपारण के किसानन, रैयतन पर सदियन से बजड़त निलहन के अनेति-अतियाचार के बजरपात से घवाहिल रहलन आ ओह असह दु:ख-दरद के समूल नाश कइल-करवावले उन्हुकर एकमात्र मकसद रहे। एह काम खातिर ऊ गान्ही जी के उत्प्रेरित कइलन आ मुक्ती के सांस लिहलन। चूंकि ऊ खुदे महात्मा रहलन, एह से गान्ही जी में ऊ महात्मा के दरसन कइलन। पं. राजकुमार सुकुल जी के अमरता गान्ही जी के पहिला हाली ‘महात्मा’ के संबोधन देवे में ना, वरन चंपारण सत्याग्रह के बहाना से देश में अंगरेजन के खिलाफ सबसे पहिले अहिंसक आन्दोलन के सूत्रपात करे खातिर प्रेरना-स्रोत के भूमिका अदा करे में बा।


Dak-Ticket_5-1280x1762.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min2430

अनुराधा कृष्ण रस्तोगी

आपन भारत के इतिहास में इनल–गिनल महान परोपकारी शासक भइल बाड़न । ओकरा में एगो शेरशाह सूरी भी रहलें । इनकर दादा इबराहीम खां सूरी आ बाबू हसन खां सूरी सुल्तान बहलोल लोदी के शासन काल 1451-1989 में अफगानिस्तान से भारत आइल रहलें । शेरशाह के जन्म  कब कहां भइल रहे एकर ठीक–ठीक पता नइखे । विसवास बा की 1472 के आस–पास बजवाड़k परगना में भा 1486 के आस–पास नारनौल भा हिसार फिरोजा में शेरशाह के जनम भइल रहे । इनकर लड़काइये के नाव  फरीद खां सूरी रहे । फरीद खां बचपन में अपना बाबू के साथ सासाराम में रहत रहलें । पहिले सासाराम बिहार के शाहाबाद जिला में रहे उ अब रोहतास में बा जेकरा आज सासाराम के नाव से जानल जाला । सासाराम में इनकर बाबू के जागीर रहे, जे में सासाराम आ खवासपुर टांडा के परगना में सामिल रहे ।

बचपन में फरीद खां के पढाई खातीर जौनपुर भेजल  गइल । ई प्रकृति से ही चल्हांक आ प्रतिभाशाली रहलें । जौनपुर में फारसी अउर अरबी  भाषा के नीमन अभेयास कर लेले रहन । शेरशाह सूरी सत्ता पा के 1538 में गौड़ बंगाल नगर में आपन ताजपोशी के जसन मनवालन । ओंह  मोका प ऊ आपन दृढ़ संकल्प के एलान कइलें  की हम मुगलन के खदेड़ के अफगान के सत्ता फिन से स्थापित करब ।आपन कुशल राजनित अउर  सैनिक नेतृत्व में उ आखिर दिल्ली के जीत लेलन । आपन दृढ़ निश्चय के मोताबिक उ 1540 में मोगल बादशाह हुमायू के गंगा आ बिलग्राम के लड़ाई में हरा देलन । इतिहास में ई लड़ाई कनौज के लड़ाई के नाव से बड़ा प्रसिद्ध बा । येह जीत के उपरांत उ दिल्ली प  कब्ज़ा कर लेलन अऊर ओकरे के राजधानी बनवलें ।

भारत के अफगान शासक शेरशाह खातिर मुगल सम्राट हुमायू के साथे सम्राज के लड़ाई में अनुपम प्राकृतिक दिरिस के बीच बिन्ध्य पहाड़ प स्थित भारत के सबसे बड़ एगो मात्र पहाड़ी किला, सत्यवादी हरिश्चंद्र पुत्र रोहिताश्व द्वारा निर्मित रोहतासगढ़ किला बहुते उपयोगी साबित भइल रहे जे रोहतास जिला के डेहरी ओन सोन से दखिन 60 कोस के दूरी प तूटल-फूटल अवस्था में आजो खाड़ बा । जेकरा नाव प रोहतास जिला के नाव भईल । एगो किला पाकिस्तान में भी झेलम नदी के जरी लाहौर के 60 कोस के दूरी प खुरासान मार्ग प मौजूद बा । ऐह किला के शेरशाह जीर्णोधार क के मजबूती प्रदान कइलन अउर ऐह दुर्ग के असमिता  के कायम कईलें । रोहतास फोर्ट के सम्मान में पाकिस्तान 25 सितम्बर 1984 में 10 पै० के डाकटिकट जारी रहलें ।

शेरशाह सूरी बड़ उत्कृष्ट शासक रहलें । उनकर शासन बहुत ही छोट 1541-1545 पांच बरीस से कुछ अधिक रहे बुत कम उमिर में ही आपन उदारता अउर कर्मठता के परिचय देहलन । उ आपन शासन में जनता के हित में कईगो सुधार कइलें  जेकरा में राजस्व, मुद्रा अउर शुल्कदर दर के सुधार प्रमुख बाटे । उ केंद्रीय अउर प्रांतीय शासन के भी पुनर-गठन क के डाक व्यवस्था के मजबूत बनवलन अउर सेना के पुनरगठन कइलन । शेरशाह उपेक्षित अउर शोषित किसानन  के भलाई के कामो  में भी बहुते रूचि लेख । शेरशाह के शाही फरमान के वजह से राजस्व अधिकारी निर्धारण के समय काफी उदारता से काम लेत रहन।

उ चानी के नया सिक्का चलवलें जेकरा के ‘रुपिया’ कहल जात रहे ई सिक्का तांबा के चालीस पइसा के बराबर रहे । एकरा पाहिले उ बंगाल में जवन सिक्का चलवले रहन ओकरा में सबसे पहिले  सिक्का प देवनागरी अउर फारसी लिपि में उनकर नाव ‘सिरी सैर साहि’ (श्री शेरशाह) अंकित बा । शेरशाह सड़क के बहुते बड़ निर्माण कर्ता के रूप में बहुते प्रसिद्ध बाड़े । उनकर आदेश से बनल सबसे बड़ सडक ‘शाहराह-इ-आजम’ कहलात रहे । ग्रांड ट्रंक रोड के नाम से चर्चित एह सड़क के आधुनिक नाम राष्ट्रीय राज मार्ग – 2 बा । बंगाल से सुनार गाँव से शुरू होके आगरा, दिल्ली अउर लाहौर होखते सिंध नदी तक जाला । उनकर बनावल दूसर सड़क आगरा, बुरहानपुर के सड़क जवन ओकरा से आगे मांडू तक जाला । आगरा से जोधपुर अउर चितौड़ के सड़क अउर लाहौर से मुल्तान के सड़क प्रसिद्ध बाटे ।

शेरशाह आपन शासन काल में राष्ट्रीय आधार प सुसंगठित डाक व्यवस्ता के नींव रखलें । उत्तर भारत के कइगो भाग के बीच राजपथ के भी निर्माण से यातायात में जवन सुधार भइल ओकरा से एह काम में बहुते मदद मिलल । ग्रांड-ट्रंक रोड के निर्माण करइलें बुत जगह-जगह प सड़क के बीच में डाक चौकी, सराय भी बनवलें  जेकरा से डाक देश के एक भाग से दूसरा भाग में पहुंचात रहे । हर सराय प दुगो घोड़ा तैयार रहत रहे, जेमें डाक (चिठ्ठी) के आवा जाही आसानी से होत रहे । ओहीजे से भारत में मुख्य रूप से डाक व्यवस्था के विकास भइल ।

एहिसे शेरशाह सूरी के भारतीय डाक के जनक कहल जाला । कालिंजर के चढ़ाई में शेरशाह के जीत भइल रहे । बारूद खाना में बिस्फोट भइला से घायल होखे 22 मई 1545 में शेरशाह के मृत्यु हो गइल ।

सन्-1146 में बगदाद के खलीफा सुल्तान नारदिन अपना पूरा राज्य में नियमित रूप से कबूतर से खबर भेज के व्यवस्था कइले रहन ।

बलुक भारत में डाक व्यवस्था सन-1296 में चालू रहे , सेना के समाचार निरंतर पावे खातीर पठान शासक अलाउदीन खिल्जी घोड़ा अउर पैदल डाक व्यवस्था कायम कइले रहन । अकबर के शासन काल में 1556-1605 परिवहन के व्यवस्था में एगो अउर सुधार भइल रहे । अब घोड़ा के अलावा ऊँट के भी परयोग भइल रहे । कहल जाला की मैसूर के राजा चिक्कदेव सन–1672 में अपना पूरा राज्य में नियमित डाक सेवा में व्यवस्था देले रहन । आज के जिनगी में डाक के बहुत बड़ स्थान बा । एह समय भारतीय डाक के नेटवर्क में सबसे बड़ प्रणाली बा । शेरशाह सूरी के शासन काल में भारतीय डाक व्यवस्था के एगो नया स्फूर्ति अउर दिशा मिलल ।

 


94941227_gettyimages-136128815-1-1280x2035.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min2080

सुरेन्द्र कृष्ण रस्तोगी

आपन देश भारत के इतिहास में शेरशाह सूरी के एगो बिशेष स्थान बा। सासाराम  (रोहतास) में इनकर बाबू हसनशाह  सूरी के जागीर रहे । शेरशाह लड़कईयें से आपन बाबू के साथ रहत रहलें । समय के ऊतार-चढ़kव के दौरान शेरशाह सन् 1538 में बंगाल के गौड़ नगर में आपन ताजपोसी के जशन मनइलन । ऊ कइगो बड़ लड़kई लड़लन आ जितलें । बिहार के शासक जमाल खां के हरा के बिहार के शासक बनलें आ फिन हुमायू के हरा के  दिल्ली के बादशाह बनलें जेकरा के आपन राजधानी बनवलें । शेरशाह के सम्राज चारो दिशा में फैइलल रहे, आपन कृतित्व अउर व्यक्तित्व के बल प हमेशा आगे बढ़त रहलें । ऊ बहुते बड़ उत्कृष्ट शासक रहलें । पांच साल के उमिर में आपन उदारता आ कर्मठता  के परिचय देलन । जनता के हित में कईगो एतिहासिक काम कईलें । केंद्रीय अउर प्रांतीय शासकन के प्रति भी ढेरे रुचि लेतरहन । आपन काम काज के दौरान सासाराम में तलाब के बीचो-बीच एगो सुग्घर, निक मकबरा बनवलें जे ताजमहल से तेरह फुट ऊँच बा । लड़ाई के दौरान सैनिकन  के सही स्तिथि के पता करे आ सूचना के आदान-प्रदान करे खातिर कइगो मीनार के निर्माण करवलें । जेमें  औरंगाबाद, भभुआ (कैमूर), बारे के आस-पास मौजूद बा आ केतना टूट फूट के इतिहास के पन्ना में दफ़न हो गइल। सरकार के एकरा प ध्यान राखेके चाहीं।

शेरशाह सड़क के बहुते बड़ निर्माण करता के रूप में परसिद्ध बाड़न।  आपन शासन काल (1541-45) में हजार कोस में खूबे लमहर ग्रैंड ट्रंक रोड बनवलें। एकरा साथे सड़क के बीच में डाक चौकी आ 1700  सराय के निर्माण करवलें, जवना से चिठ्ठी-चपाठी के आदान–प्रदान अउर आराम घर खातिर उपयोग होत रहे । ई पहिला सम्राट रहलें जे ‘माउन्टेड पोस्ट’ के शुरूआत कइलें । घोड़सवार डाकिया कायम क के एक मजबूत आ कुशल प्रशासन  के तहत एकर सुरक्षा सुनिश्चित होखला से डाक व्यवस्था के संचालन में खूबे मदद मिलल । एहिजे से भारत में मूल रूप से डाक व्यवस्था के विकास भइल। एहिसे शेरशाह सूरी के भारतीय ‘डाक के जनक’ कहल जाला ।

आज के दउर में भले मोबाईल अउर इंटरनेट आदि के फइलाव भइल होखे  बाकिर डाक के नेटवर्क के दुनिया में सबसे बड़ प्रणाली बा । आज के जीनगी में डाक के बहुत बड़ भूमिका बाटे । शेरशाह भारतीय डाक व्यवस्था के एगो नया दिशा देलें  जेकरा के भुलावल न जा सके ।

भारत सरकार के संचार मंत्रालय के डाक बिभाग एह राष्ट्रीय सेवा के अग्रदूत आ क्रांतिकारी जोधा अउर लोकप्रिय कुशल शासक शेरशाह शूरी के सम्मान में डाक टिकट, कवर आदि जारी क के अपना के सौभाग्यशाली समझत बाटे ।

सबसे पाहिले  भारत सरकार शेरशाह सूरी प 22 मई 1970 में 20  पइसा  के एगो डाक टिकट जारी क के सरधा सुमन अरपित कइलस । एह टिकट में शेरशाह के गद्दी  प बइठल छबिचित्र छपल आ एगो आवरण (लिफाफा) निकलल जेकरा प शेरशाह के मकबरा अंकित बा । 29 अक्तूबर 1976 में बिपेक्स 76 के मोका प विशिष्ट आवरण प्रकाशित भइल जेपर मकबरा के  फोटो  के साथे प्राचीन घोड़ा  डाक के टिकट प डाक हरकारा  के मोहर लगावल गइल जे डाक व्यवस्था के जनक  के याद के ताजा करता ।

सन् 1989 में एगो हवाई पत्र  (पोसकाड) 4 रूपया के निकलल जे पर शेरशाह समाधि सासाराम छपल बा।

करीब साड़े चार सौ वारिस पहिले शेरशाह सूरी के ओरि से शुरु  भइल डाक व्यवस्था के स्मृति में डाक विभाग एगो विशिष्ट आवरण जारी कइलस। आवरण पत्र के डाकिया घोड़ सवार रातो रात सासाराम से  पटना रवाना भइल ।

जइसे शेरशाह के समय में डाक घोड़ा एक स्थान से दूसरा स्थान प चिठ्ठी लेके जात रहे। ठीक ओंसही  डाक के थइला औपचारिक रूप से भेजल गइल जे राज्यपाल शरीफ  कुरैशी के सउपलस । एह आवरण प कबूतर डाक सेवा के टिकट लगा के अश्वरोही सम्वाहक के मुहर लगावल गइल जेकरा प पूर्व मंत्री लालू प्रसाद के दस्खत बा ।

भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के तहत 28 जनवरी 2012 में एगो आवरण जारी भइल। कइगो धरोहर के साथे शेरशाह के मकबरा के भी  दरसावल गइल बा। फिन  एही साल 2 फरवरी 2012 में एगो विशेष आवरण बिहार के डाकटिकट प्रदर्शनी के मोक़ा प जारी भइल जेकरा प शेरशाह के फोटो के साथे शुरू से अब तक के डाकियन के बदलत भेष-भूषा, लेटर बॉक्स, कइगो डाक घोड़सवारन के चित्र अउर पृष्टभूमि में मकबरा के देखावल गइल बा अउर प्रदर्शनी के मोहर लगावल गइल


img316.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min1830

अजय कुमार पाण्डेय

साल 1939 ,
बेतिया ( प. चंपारण ) बिहार ,
बेतिया के बड़ा रमना मैदान
मैदान में भारी जन सैलाब
जोश में भरल युवा ।

नेता जी सुभाष चन्द्र बोस के बेतिया आगमन आ उहां के भाषण सुने  खातिर  भारी भीड़ उमडल रहे ।

नेता जी के जिंदाबाद के नारा गुंजल आ उहां के मंच पर अइनी। भीड़ हर्ष आ जोश के अतिरेक में चीखे लागल आ ” नेता जी जिन्दाबाद , भारत माता के जय , वन्देमातरम ” के नारा लागे लागल ।

नेता जी हाथ हिला के सबकर अभिवादन कईनी आ शांत रहे के इशारा कईनी । लोग शांत हो के एक टक उहां के निहारे लागल ।
नेता जी के चेहरा हजार वाट के बल्ब लेखा चमकत रहे आ कपार त साफा बुझात रहे कि सीसा ह ।

नेता जी के नस – नस में गरम लावा दौउडावे वाला भाषण शुरू भइल । बीच – बीच में लोग के जोश ना माने आ जिंदाबाद , वन्देमातरम के नारा गूंजे लागे ।

जब भाषण ओराये पर आइल त नेता जी आपन चिरपरिचित नारा बुलंद कईनी ,

” तुम मुझे खून दो , मैं तुम्हे आजादी दूंगा ।”

लोग फेर नारा लगावे लागल ।

अचानक नेता जी हाथ से सबका के शांत रहे के इशारा क के भीड़ से मुख़ातिब भइनी आ पूछनी ,

” तुममें से कौन देश की आजादी के लिये अभी इसी मंच पर मुझे खून देगा ?”

भीड़ में सन्नाटा छा गइल आ सभे एक – दूसरा के मुंह देखे लागल ।

ताले , पीछे से भीड़ के चीरत एगो हट्ठा – कट्ठा नौजवान आगे अइलन आ सीना तान के चिलइले ,

” हम खून देंगे नेता जी , हम खून देंगे ।”

सब लोग उ युवक के जोश आ हिम्मत देखे लागल ।
नेता जी उ युवक के मंच पर बोलावले आ पीठ थपथपा के नाम पुछलें । उ नौजवान आपन नाम ” धनराज पुरी  ” बतवलें ।

बिहार के वर्तमान पश्चिमी चंपारण जिला के रामनगर प्रखंड स्थित सिकटा – बेलवा गांव के ” महंथ धनराज पुरी  ” के नेता जी ओकरा बाद कबो ना छोड़नी ।

प्राप्त जानकारी के अनुसार जब नेता जी अंगरेजन के आँखी में धूल झोंक के कलकत्ता से पलायन कईनी त महंथ जी के सिकटा – बेलवा स्थित घर पर आपन कुछ विश्वस्त सहयोगी लोग के साथ रात्रि में कुछ समय खातिर आइल रनी । नेता जी के साथे महंथ जी के  ओ समय के बड़ी पुरान फोटो मिलल बा जेमें नेता जी के साथे महंथ जी खड़ा बानी ।

नेता जी जब आपन पार्टी ” फारवर्ड ब्लॉक ” बनवनी त महंथ धनराज पुरी जी के पार्टी के  राष्ट्रीय  उपाध्यक्ष बनवनी । नेता जी के देश से पलायन आ गुमनाम हो गइला तक महंथ जी सक्रिय रूप से ” फॉरवार्ड  ब्लॉक ” पार्टी के क्रिया कलाप में रहनी आ गुप्त रूप से देश के आजादी खातिर काम कईनी ।

महंथ जी के घर देश के आजादी मिले तक विभिन्न राजनीतिक आ साहित्यिक गतिविधि के केंद्र भी रहल ।

महंथ जी हिंदी , संस्कृत , अंग्रेजी आ उर्दू के उद्भट विद्वान रहनी आ बेहतरीन कवि आ लेखक भी रनी ।

सन 1938 – 40 के दौरान जब साहित्यिक आ काव्यात्मक अभिव्यक्ति पर भी ब्रितानी हुकूमत के पहरा रहे , महंथ जी रामनगर में एगो विराट कवि सम्मेलन के आयोजन कईनी जेमे देश भर के क्रांतिकारी कवि लोग आइल रहे । महंथ जी उ कवि सम्मेलन में आपन ” ओस ” नामक काव्य – संकलन एगो कविता पढ़ले रनी , जेकर कुछ पंक्ति बा ,

” डमरू आज बजे , वीणा न बजाएं
गीत न गायें आज
आज तो गीता गायें
भभके ज्वाला
जाल व्योम तक
पहुँच जाए “.

बाकी कवि लोग भी आपन कविता आ गीतन के माध्यम से लोग के जगावे के प्रयास कइल लोग ।

महंथ जी चंपारण में पहिला बार कविता के माध्यम से क्रांति के बिगुल  फुकले रनी जेकर आंच ब्रितानी हुकूमत तक पहुँच गइल  ।  महंथ जी भूमिगत हो गइनी । अंगरेज उहां के पकड़ पवलsस कि ना , एकर कौनो पुष्ट प्रमाण नइखे उपलब्ध हो सकल लेकिन अंत – अंत तक उहां के अंग्रेजन के आंख के किरकिरी बनल रनी ।

महंथ जी नेता जी के लागातार सम्पर्क में रहनी आ अपुष्ट सूचना के अनुसार कुछ समय तक ” आजाद हिन्द फ़ौज ” के अति गोपनीय शाखा ख़ातिर बर्मा ( वर्तमान म्यांमार ) में भी रहनी ।

दुर्भाग्य से उहां के कौनो चिट्ठी – पत्री भा दस्तावेज उहां के वारिस लोग सहेज के ना रख सकल । जौन फोटो भी उपलब्ध भइल उ बहुत हीं खराब अवस्था में बा ।

महंथ जी के साहित्यिक पक्ष भी बहुत विराट रहे । ओम्हर के बहुत उच्च कोटि के कवि आ साहित्यकार रनी । विशेष रूप से उहां के शिकार कथा बहुत लोकप्रिय बाड़न स । उहां के देश भर के जंगल आ पहाड़न के बड़ी भ्रमण कइले रनी आ शिकार के शौकीन रनी ।
शिकार कथा लेखक स्व. वृंदावन लाल वर्मा आ स्व. श्री राम शर्मा जी के साथे शिकार कथा लेखक के रूप में ओम्हर के राष्ट्रीय पहचान रहे ।

महंथ जी के ” इला ” खण्ड काव्य उहां के मशहूर किताबन में बा ।
इला उहां के आपन बेटी के याद में लिखले रनी , जे युवावस्था में हीं विधवा हो गइली आ खुद भी कुछ दिन बाद चल बसली ।

महंथ जी के सामाजिक आ खोजपूर्ण कार्य भी बहुत उल्लेखनीय बा ।
उहां का आदि कवि महर्षि वाल्मीकि के आश्रम के खोज कईनी आ उहें के शोध आ अथक प्रयास से वर्तमान पश्चिमी चंपारण के काश्मीर ” भैसालोटन ” के नाम ” वाल्मीकिनगर ” पड़ल ।  ये खातिर महंथ जी के बहुत भाग – दौड़ आ लिखा – पढ़ी करेके पड़ल ।

जंगल में भ्रमण के दौरान सीमावर्ती नेपाल के घनघोर जंगल में उहां के एगो आश्रम जइसन जगह पवनी , जहां यज्ञशाला , हवन कुंड , कुंआ , प्राचीन काला पत्थर के मूर्ति आ अनेक अइसन प्रमाण पवनी जे उ स्थान के महर्षि वाल्मीकि के आश्रम सिद्ध करत रहे जहां सीता माता रहल रनी । ये खातिर महंथ जी बहुत सा प्राचीन ग्रन्थ आ साहित्य के अध्ययन कईनी आ आपन शोध के सम्बंध में दु गो किताब लिखनी , ” महर्षि वाल्मीकि का आश्रम कहां था ?” आ ” वाल्मीकि आश्रम – वाल्मीकि नगर ” ।

उहां के प्रयास रंग लाइल आ 14 जनवरी ‘ 1964 के ” भैसालोटन ” के नाम सरकारी आ आधिकारिक स्तर पर ” वाल्मीकिनगर ” हो  गइल । एकर घोषणा बिहार के तत्कालीन राज्यपाल स्व. अनंत स्थानम  आयंगर , नेपाल नरेश आ दुनु देश के अधिकारियन के उपस्थिति में भइल । वाल्मीकि आश्रम के भी महर्षि वाल्मीकि के आश्रम के रूप में मान्यता मिलल आ आज देश भर के लोग वाल्मीकिआश्रम के देखे आवेला ।

दुर्भाग्य के बात ई बा कि नेता जी सुभाष चन्द्र बोस के अनन्य सहयोगी आ उहां के पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष स्व. महंथ धनराज पुरी जे राष्ट्रीय स्तर के कवि आ कथाकार के आज लोग भुला गइल बा ।
उहां के गृह जिला में भी उहां के जन्म या मृत्यतिथि पर कौनो आयोजन ना होला ।

हमरा त ई शेर अब एकदम अप्रासंगिक बुझाला ,

” शहीदों के चिताओं  पर लगेंगे हर बरस मेले ,
वतन पर मरने वालों का यही बाकी निशां होगा ”

स्व. महंथ धनराज पुरी जी के उपलब्ध साहित्य इहे बा ।

1- अविरल आंसू ( आंचलिक उपन्यास )
2- आखेट ( शिकार कथा )
3- इला  ( काव्य )
4- ओस ( काव्य
5- उच्छ्वास ( रचना – संग्रह )
6- आओ सुनो कहानी ( बाल साहित्य )
7- टुनमून                   ( बाल साहित्य )
8- लेफ्टिनेंट               ( कहानी संग्रह )
9- मौत की मांद में  ( शिकार कहानियां )
10-महर्षि वाल्मीकि का आश्रम कहाँ था ?
11-वाल्मीकिआश्रम ; वाल्मीकिनगर ( शोध प्रबंध )
12- मृत्यु से मुठभेड़ ( शिकार कहानियां )
13 -तमुरा               ( बाल साहित्य )
14-जंगल में दंगल    ( बाल साहित्य )

( परिचय- अजय कुमार पाण्डेय सिविल कोर्ट, बगहा, पश्चिमी चंपारण, बिहार में सहायक बानी. 


img302-1.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min1730

डाॅ० भोला प्रसाद आग्नेय

११ मई १८५७ के अभी भोर के किरिन दिल्ली के सड़कन पे उतरहीं वाली रहे तवले मेरठ से आइल सिपाहियन के एगो दल जमुना पार क के दिल्ली में घुस गइल. एक दिन पहिले इहे दल मेरठ में आपन अंग्रेज अफसर के आदेश माने से इनकार करत ओकर हत्या क देले रहे.ई दल लालकिला में जा के मुगल सम्राट बहादुर शाह जफर से रहनुमाई करे खातिर अपील कइलन. अपील स्वीकार करत बहादुर शाह जफर खुद के शहनशाह-ए- हिंदुस्तान घोषित क दिहलन.

ईस्ट इंडिया कम्पनी के पाले कुल २ लाख ३२ हजार २२४ सिपाही रहलन जवना में से तकरीबन आधा सिपाही रेजिमेंट छोड़ के विद्रोही हो गइल रहलन. आ ३४ वीं नेटिव इन्फैन्ट्री के जवान बलिया निवासी मंगल पांडे त अपना सार्जेंट मेजर के गोली मार दिहलन जवना के कारण अंग्रेज उनके फांसी दे दिहलन स  . ए तरे दिल्ली पे कब्जा होते विद्रोह के लहर कानपुर, लखनऊ, बनारस , इलाहाबाद, बरेली, जगदीश पुर, पूणे, झांसी तक ले फइल गइल. अंग्रेजन के गोड़ के नीचे से धरती सरके लागल. स्थानीय सामन्त, नवाब भा राजा लोग नेतृत्व के जिम्मेदारी ले लिहल लोग. अंग्रेजी हुकूमत के हाथे ई लोग बहुते सतावल जा चुकल रहे लोग. एसे सभे असंतुष्ट रहे लोग. मोका मिलते सभे विद्रोहियन के साथे आ गइल.

कानपुर में अंतिम मराठा पेशवा बाजीराव द्वितीय के दत्तक बेटा लखनऊ में बेगम हज़रत महल आ बरेली में रुहेलखंड के पहिले के शासक के उत्तराधिकारी खान बहादुर रहनुमाई कइलन. झांसी में सिपाहियन के नेतृत्व रानी लक्ष्मीबाई अपना हाथ में ले लिहलिन. विद्रोह के ई लहर उत्तर भारत, पश्चिम आ मध्य भारत के कुछ हिस्सन में चल पड़ल. खाली दक्षिण भारत एसे अलग थलग रहल. ओने के सिपाही अपना के अंग्रेजन के प्रति निष्ठावान बनवले रहलन.

ए विद्रोह के कारण ई रहल कि अंग्रेजन के जवन सेवा शर्त रहल ओसे हिन्दू मुस्लिम दूनों के धार्मिक भावना के ठेस पहुंचत रहे. एकरे अलावे वेतन आ पदोन्नति में गोरा काला के भेद रखल जात रहे. टैक्स के वसूली में जनता पे तरह तरह के अत्याचार होत रहे. एसे आम जनता अंग्रेजन के विरोधी हो उसेउ हो गइल रहे.

बिहार के जगदीशपुर के जमींदार बाबू कुंवर सिंह के अंग्रेज अपना कूटनीति के जरिये दिवालियेपन के कगार पर पहुंचा देले रहलन. इनकर मय सम्पत्ति छीन लेले रहलन स, इनके बार बार अपील कइलो पर उन्हनीं पे कवनो असर ना पड़त रहे. एसे बाबू कुंवर सिंह भीतरे भीतर अंग्रेजन के विरोधी हो गइल रहलन आ मोका के तलाश में रहलन ओ घरी इनके उमिर अस्सी साल रहे.

१२ जून १८५७ के बिहार रेजिमेंट के तीन गो सिपाही कमांडर के आदेश माने से इनकार क दिहलन. ओ तीनों सिपाहियन के अंग्रेज हाथी के पीठ पे बइठा के नीचे ढकेल के मुआ दिहलन. एकरे जवाब में ०३ जुलाई १८५७ के पटना में सेना के एगो टुकड़ी कैप्टन डी० आर० लायल के हत्या क दिहलस. एसे खिसिया के अंग्रेज १६ गो देश भक्तन के फांसी दे दिहलन स एकर नतीजा ई भइल कि २५ जुलाई १८५७ के दानापुर सैनिक छावनी में विद्रोह हो गइल आ अइसने मोका के तलाश में बाबू कुंवर सिंह रहलन.

वीरवर बाबू कुंवर सिंह के नेतृत्व में आजादी के दीवाने वीर सैनिक जगदीशपुर से आरा आ के खजाना लूट लिहलन आ बंदी गृह के नष्ट क दिहलन. पूरा शाहाबाद बाबू कुंवर सिंह के अधीन हो गइल. २९ जुलाई १८५७ के कैप्टन डनवर के नेतृत्व में अंग्रेजी सेना आरा पहुंचल बाकिर बाबू कुंवर सिंह वृकयुद्ध शैली अपना के अपना के बचा लिहलन. आधी रात में आक्रमण क के कैप्टन डनवर के साथे अनेक अंंग्रेजी सिपाहियन के मौत के घाट उतार दिहलन. एकरे बाद बंगाल से अंग्रेजी सेना के मेजर विसेंट आयर आपन सेना के साथे आरा पहुँच गइलन. बाबू कुंवर सिंह के साथे मेजर आयर से घमासान युद्ध भइल आ २-३ अगस्त के आरा पर फिनु अंग्रेजन के कब्जा हो गइल.

मेजर आयर के जीत से बाबू कुंवर सिंह हतोत्साहित ना भइलन. अपने सेना के नया आयाम देवे खातिर सासाराम, रोहतास, मिर्जापुर, रीवां, बांदा, कालपी आ कानपुर होत मार्च १९५८ में लखनऊ पहुँच गइलन. अवध के नवाब आजमगढ़ के शासनाधिकार के साथे आजमगढ़ भेज दिहलन. २२ मार्च १९५८ के बाबू कुंवर सिंह कोलोनल मिलमैन के सेना के पराजित क के आजमगढ़ के अंग्रेजन से मुक्त करा दिहलन.१५ अप्रैल १९५८ के घात लगा के जनरल लुगाई बाबू कुंवर सिंह पे आक्रमण क दिहलस बाकिर ओहू के कुंवर सिंह भारी शिकस्त दिहलन.

अगिला दिने बाबू कुंवर सिंह अपना गृह जनपद आरा आवे के प्रोग्राम बनवलन. बलिया जनपद के नगरा, सिकंदर पुर होत मनियर आ के आपन पड़ाव डललन. २० अप्रैल १९५८ के कैप्टन डगलस जवन नगरा से इनकर पीछा करत रहे आक्रमण क दिहलस. ओइजो बाबू कुंवर सिंह ओके पराजित करत अपना सेना के साथे शिवपुर घाट के ओर चल दिहलन. रास्ता में पचरुखी देवी मंदिर पे कुंवर सिंह के ताक में अंग्रेजी सेना बइठल रहे. ओइजो घमासान युद्ध भइल. ए युद्ध में बाबू कुंवर सिंह अपना साथी सिद्धा सिंह के साथे १०६  गो अंग्रेज सिपाहियन के मूड़ी काट काट के एगो नाला में फेंकत गइलन. ओह नाला ओही से आजुवो मूड़ कटला नाला कहल जाला.

२१ अप्रैल १९५८ के बाबू कुंवर सिंह शिवपुर घाट से गंगा पार करत नाय से जात रहलन तवले अंग्रेजन के सेना नाय पर गोली चलावे शुरू क दिहलस. बाबू कुंवर सिंह के बायां हाथ में गोली लाग गइल. अंग्रेजन के गोली के जहर पूरा शरीर न फइले पावे एसे भारत माँ के वीर आ साहसी सपूत बाबू कुंवर सिंह आपन बायां हाथ काट के गंगा मइया के समर्पित क दिहलन.आ ओह पार जा के हाथी से अपन गांवे जगदीशपुर पहुँच गइलन.

बाबू कुंवर सिंह के घायल जान के कैप्टन ली ग्रैंड २३ अप्रैल १९५८  के जगदीशपुर पर आक्रमण क दिहलस बाकिर अंग्रेजी सेना के पराजित होखे के पड़ल आ कैप्टन ली ग्रैंडो मरा गइलन. भारत माता के अइसन वीर सपूत बाबू कुंवर सिंह अपने बीमारी से २६ अप्रैल १९५८ के सदा के नींद सुत गइलन. उनके वीरता के अइसन अमिट छाप पड़ल बा कि आजुवो भोजपुर आ ओकरे आस पास के लइका खेल खेल में गावेलन स  – चल कबड्डी आरा जहाँ कुंवर सिंह मरदाना.

सुप्रसिद्ध कवि मनोरंजन प्रसाद सिन्हा अपना कविता में कहले बाडन—

अस्सी वर्ष की हड्डी में जागा जोश पुराना था.

सब कहते हैं कुंवर सिंह बड़ा वीर मरदाना था.

( परिचय- डाॅ० भोला प्रसाद आग्नेय, कवि, कथाकार, नाटककार, निबंधकार एवं कलाकार, आकाशवाणी व दूरदर्शन तथा पूर्व प्रवक्ता, मुरली मनोहर टाउन इंटर कॉलेज बलिया उ०प्र०)


img280.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min2300

लेखक – मनोज भावुक

बिहार से सटल पूर्वी उत्तरप्रदेश के एगो जिला बा, बागी बलिया। आधिकारिक नाम त बलिया ही ह बाकिर लोग शान से बागी बलिया कहेला। एकर कई गो कारण बा, पहिला त इहें 1857 के संग्राम के क्रांतिकारी मंगल पांडे जनमलें आ दुसरका कि आजादी से 5 साल पहिले 1942 में ही 14 अगस्त के लगभग 300 आजादी के मतवाला मिलके बैरिया थाना पर तिरंगा फहरा दिहलें। बलिया के माटी में सनाइल देशभक्ति के खूने ह कि 1857 में ब्रिटिश सेना में सिपाही के पद पर तैनात एगो सामान्य आदमी के अंदर अंग्रेजन के क्रूरता अउरी गुलामी के खिलाफ बगावत के आग धधक गइल। मंगल पांडे के बग़ावत के बाद जवन चिनगारी चारू ओर भड़कल, उ सम्पूर्ण भारत में ईस्ट इंडिया कंपनी आ ब्रिटिश राज के खिलाफ राजा, नवाब, जमींदार, सिपाही, युवा, किसान, रैयत, मजदूर सभके लामबंद कर देलस आ 1857 के भीषण क्रांति भइल। हालांकि अंग्रेज भारतीय लोगन के आपसी फूट आ अपना कूटनीति के चलते 1858 के मध्य आवत-आवत ई क्रांति के दमन कर देहलsसन बाकिर आजादी के बिआ त ओहि बेरा बोआ गइल रहे जवन 1947 में पूर्ण स्वतंत्रता के फल के रूप में मिलल।

1857 क्रांति के बम के सुतली में आगि लगावे वाला मंगल पांडे के जन्म 19 जुलाई 1827 में भइल रहे। उनके पिता जी के नाम दिवाकर पांडे रहे अउरी माई के नाम अभय रानी। युवा मंगल के 18 साल के उम्र में आजीविका चलावे खातिर ईस्ट इंडिया कंपनी के सेना में भर्ती होखे के पड़ल। ओह बेरा अंग्रेजन के कब्जा भारत के अधिकतर हिस्सा में हो गइल रहे आ ओकनी के अत्याचार दिन पर दिन बढ़ल चालू हो गइल रहे। पैदावार से ज्यादा लगान आ कठोर नियम कानून के चलते भारतीय लोग के मन में अंग्रेजन के प्रति गुस्सा बढ़े लागल रहे। मंगल पांडे के नियुक्ति बैरकपुर सेना छावनी में भइल रहे। उ 34वीं बंगाल नेटिव इंफॅन्टरी के पाँचवा कंपनी में सिपाही रहलन।

ओ बेरा देसी सैनिकन में अफवाह उड़ल रहे कि बहुते अंग्रेज सैनिक समुद्री मार्ग से आवत बाड़े सन आ इहाँ के भारतीय सैनिकन के मार दिहे सन। ओहि बेरा सैनिक के बीच बाइबल बँटला के अउरी ईसाई धर्म अपनवला पर विशेष सुविधा अउरी भत्ता देहला के भी खबर फइलल रहे। मंगल पांडे जइसन हजारों सिपाही ई सब के चलते ब्रिटिश राज से नाखुश रहलें। तबे सिपाहियन के नया राइफल एनफील्ड पी 53 के इस्तेमाल करे के फरमान आइल। एह राइफल में कागज के बनल कारतूस के फाड़ के ओकरा भीतर के बारूद राइफल में भर के चलावे के रहे। ई खबर फइलल कि ओह कारतूस में गाय अउरी सूअर के चर्बी से बनल ग्रीज लगावल बा। हालांकि ग्रीज ओह कागज के हर मौसम में नरम बनावे खातिर आ कारतूस के खराब होखे से बचावे खातिर लगावल गइल रहे। अब बात ई रहे कि एनफील्ड राइफल के एक हाथ पकड़े के पड़े, दूसरा हाथ से कारतूस धर के दांते से फार के नाली में भरे के पड़े। इहे बात सिपाहियन के खटक गइल। अधिकांश सिपाही हिन्दू-मुसलमान संप्रदाय के रहलें आ सबमें ई राय बन गइल कि अंग्रेज हमनी के धर्म भ्रष्ट करे खातिर ई खेल रचले बाड़ें सन। एने ईसाई में धर्मान्तरण के हल्ला सुनाते रहे।

हिन्दुस्तानी सिपाही लामबंद होखे लगलs सन। कुछ इतिहासकार के इहो मान्यता बा कि भारत में ईस्ट इंडिया कंपनी के बढ़त दबदबा के खिलाफ बगावत करे खातिर देश के राजा, जमींदार, धार्मिक नेता एकजुट होके के तैयारी करत रहलें। सभे के योजना रहे कि 31 मई 1858 के महाक्रांति होई आ एक साथे सगरो देश में अंग्रेजन के ऊपर धावा बोलाई जेकरा चलते ओकनी के पाँव उखड़ जाई। सच कहल जाव त जदि अइसन भइल रहित त देश 90 साल पहिलही आजाद हो जाइत। केतन मेहता त अपना फिलिम मंगल पांडे – द राइज़ींग में इहो देखवले बाड़ें कि मंगल पांडे कुछ अइसन नेता से मिलबो कइलें जे महा-क्रांति के योजना में शामिल रहे।

अकेले बोल देहलें अंग्रेज अफसरन पर धावा

29 मार्च 1857 के दुपहरिया में बैरकपुर में नियुक्त लेफ्टिनेंट बाग के पता चलल कि उनके कंपनी के कुछ सिपाही जे के मंगल पांडे अगुवाई करत रहलें, क्वार्टर बिल्डिंग के ओर आ रहल बाड़ें। सगरी परेड ग्राउन्ड में जमा बाड़ें आ भांग के नशा में धुत्त बाड़ें। मंगल पांडे सबसे विद्रोह करे के कहत बाड़ें आ जवन भी अंग्रेज सिपाही लउकी ओकरा के मार देबे के कहत बाड़ें। अबे इहे होत रहे तले लेफ्टिनेंट बाग घोड़ा पर चढ़ के परेड ग्राउन्ड में आ गइल। मंगल पांडे अकेले ओकरा से भिड़ गइलें आ ओकरा पर गोली चला देहलें। बाग बाँच गइल बाकिर ओकरा घोड़ा के गोली लाग गइल एही से घोड़ा आ बाग नीचे गिर गइलें। बाग अपना पिस्तौल से मंगल पर गोली चलवलस। मंगल पांडे खुद के बचा लेहलें अउरी तलवार लेके बाग पर हमला कर देहलें। कई जगह ओकर के काट के खूनम खून कर देहलें। ओहिजा सर्जेन्ट मेजर ह्यूसन भी पहुँच गइल आ मंगल पांडे ओकरो पर तलवार से वार करे लगलें। ह्यूसन जमादार ईश्वरी प्रसाद से मंगल पांडे के गिरफ्तार करे के कहलस। ईश्वरी पहिले से मंगल के पार्टी में रहलें, उ माना कर देहलें।

एतने में एगो सिपाही शेख पलटू मंगल पाण्डेय के डाँड़ में बांह डाल के पीछे से पकड़ लेहलस। मंगल पांडे तभियो तलवार चलावते रहलें। उहाँ बहुते देसी सिपाही रहलें लेकिन सब मूक दर्शक बनल रहलें। तब तक जनरल हीअरसे के एकर खबर लाग गइल रहे आ उ अपना दू गो अफसर बेटा के साथे अइलस आ सब सिपाहियन के धमकवलस कि मंगल पांडे के तुरते पकड़sलोग। जे ऑर्डर ना मानी, ओकर जान जाई। मंगल पांडे के जब लागल कि अब हम पकड़ा जाएब त उ खीस में अपना साथी सिपाहियान के गरीअवलें आ आपन बंदूक के नली छाती पर लगा के गोड़ के अंगूठा से ट्रिगर दबा देहलें। गोली फायर हो गइल, मंगल पांडे घायल होके धरती पर गिर गइलें। हालांकि कुछ दिन बाद जब उ ठीक भइलें त उनका पर मुकदमा चलल आ 18 अप्रैल के फांसी के दिन तय भइल। बाकिर एह घटना के बाद से चारु ओर मंगल पांडे के बग़ावत के चर्चा आगि लेखां फइलल आ उनका बहादुरी के तारीफ होखे लागल। एह से घबरा के अंग्रेजी हुकूमत मंगल पांडे के 8 अप्रैल के ही सरेआम फांसी पर लटका देहलस कि एगो नजीर पेश होखो आ फेर से कवनो सिपाही भा क्रांतिकारी बगावत करे से डेराव।

बाकिर भइल एकरा उल्टे। इतिहास गवाह बा कि मंगल पांडे के फांसी भारतीय दिल-दिमाग़ में आजादी के आग धधका देहलस आ ओकरा बाद पूरा भारत में जवन धमाका भइल, ओह से लंदन ले हिल गइल।


independence-day_2018080412025109.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min1700

डॉ. अमित कुमार मुन्नू

आज़ादी के लड़ाई में भोजपुरी माटी के बड़हन योगदान रहल बा l भोजपुरी के ई क्षेत्र वीर-बाँकुड़न के जन्मभूमिये रहल बा l भारत के पहिला राष्ट्रपति देशरत्न डॉ. राजेन्द्र प्रसाद, चंपारण आन्दोल के मुख्य यजमान बाबू ब्रजकिशोर प्रसाद, बिहार के पहिलका ग़ैर कांग्रेसी मुख्यमंत्री महामाया प्रसाद सिन्हा, आज़ादी पावे खातिर काला पानी के सजाय काटेवाला श्यामदेव नारायण, पटना सचिवालय पर तिरंगा झण्डा फहरावे के क्रम में शहीद उमाकांत सिंह, शहीद शिरोमणि फुलेना प्रसाद श्रीवास्तव, शहीद शुभलाल महतो, सीवान के शहीद सराय गोलीकांड में शहीद बच्चन विद्यार्थी, शहीद छट्ठू गिरि, टमटम हाँकेवाला शहीद झगड़ू साह l एकरे साथे सीवान ज़िला में शहीद सीताराम, बोधा बरई, रामसेवन राय, रामदेनी कुर्मी, मेवालाल पासवान, खखन डोम आ सीवान ज़िला के पहिला शहीद गंगा प्रसाद राय के साथे ‘बाबू’ (राजेन्द्र बाबू) के बड़ भाई महेन्द्र प्रसाद, श्रीमती प्रभावती देवी, वीरांगना तारा रानी श्रीवास्तव, श्रीमती राजवंशी देवी पर त बहुत लोग लिखल-पढ़ल आ एह लोगन के विषय में सब केहू जानेला, लेकिन आज़ादी के लड़ाई में सीवान के कई गो घटना, परिवार आ आदमी अइसनों बा जेकर जमीन पर काम आ योगदान त बहुत रहे बाकिर ओकरा के इतिहास के पन्ना में स्थान ना मिल सकल l एह से ओह लोगन के समर्पण के जानकारी क्षेत्रीय स्तर पर सिमट के रह गइल l काहेकि कवनों मन्दिर के चमकत कँगूरा त सबके ध्यान अपना ओर सहज ही आकृष्ट कर लेला l बाकिर ओह मन्दिर के नींव के मजबूती देबे खातिर ओह अँधकार के जवन ईंट आत्मसात कर लेले ओह ईंटन पर केकर ध्यान जाला ?

सन् 1921 में असहयोग आंदोलन के रचनात्मक पक्ष में दूगो काम बड़ा महत्त्व के करे के रहे-

1- राष्ट्रीय विद्यालय खोलल आ सरकारी स्कूलन के बहिष्कार

2- गाँव के झगड़न के अंगरेजन के कचहरी में ना भेज के पंचायत में ही ओकर निबटारा करावे के l

एही दूनू बातन पर आपन ध्यान केंद्रित करके सीवान ज़िला के कई लोग एह कामन में लाग गइल l सीवान में कई गो स्कूल खोलल गइल l जवना में ‘सीवान एकैडमी’ आ ‘कर्मयोगी स्कूल’ रहे l ‘सीवान एकैडमी’ स्कूल के अस्तित्व त आज नइखे l बाकिर ‘कर्मयोगी स्कूल’ आजो सरकारी स्कूल के रूप में चलता l

‘सीवान एकैडमी’ के संस्थापक आ सारण ज़िला परिषद के सदस्य बाबू बिलास बिहारी सहाय, वकील सन् 1921 में एह विद्यालय के राष्ट्रीय विद्यालय में परिणत कर देहनीं आ अपना उदेश्य के पूरा करे खातिर एह विद्यालय के प्रधानाचार्य अपना अनुज श्री रसिक बिहारी शरण, प्लीडर के बनवनीं l

बाबू रसिक बिहारी शरण देश-सेवा के काम में सुविधा होखे, एह खातिर उहाँ के छपरा के आपन चमकत वकालत के छोड़ के सीवान आ गइनीं आ उहईं वकालत करे लगनीं l इहाँ आके भी उहाँ के चैन से आपन वकालत ना कइनीं आ लगनीं देश के काम में गाँवा-गाईं के चक्कर लगावे l उहाँ के सीवान ज़िला के रघुनाथपुर थाना के पंद्रहियन गाँवन में ग्राम-पंचायत के काम खड़ा करे के बीड़ा उठवनीं l उहाँ के बड़ी लगन आ मेहनत से ओह काम के कइनीं आ ओह में सफल भी भइनीं l एतने भर ना उहाँ के दिघवलिया-सैचानी के पहिलका सरपंच भी भइनीं l ओह समय में इहाँ एतना पढ़ल-लिखल (एम. ए., एल. एल. बी.) सरपंच शायदे कोई दोसर बिहार में होखस l रसिक बाबू कांग्रेस के ‘मुठिया; (एक मुट्ठी अनाज कुल घर से) इकट्ठा करे में लोगन के हौसला बढ़ावनीं l कहल त इहाँ तक जाला कि इहाँ के जन-सम्पर्क एतना बेजोड़ रहे कि खाली सात-आठ गाँवन में पाँच महीना के भीतर चार-चार मन चाउर,आटा-दाल आदि ‘मुठिया’ के रूप में इहाँ के जमा क लेहनीं l जवना खातिर सारण ज़िला कांग्रेस कमिटी अपना सम्मेलन में इहाँ के विशेष धन्यवाद-पत्र देहलस l नमक-सत्याग्रह में रसिक बाबू आपन चमकत वकालत के छोड़ गाँव-गाँव में घूम-घूम के विदेशी वस्त्रन के बहिष्कार आ खादी के प्रचार के काम कइनीं l लोगन के खादी के इस्तेमाल करे खातिर प्रेरित कइनीं आ ओकरा पक्ष में जबरदस्त रूप से जनमत खड़ा कइनीं l इहाँ के एह कुल कामन में सर्वश्री रघुनाथ प्रसाद, धर्मनाथ मिश्र, बबन सिंह, गया दूबे आ वैदेही शरण दूबे के भरपूर सहयोग मिलल रहेl

एही तरह से राजेन्द्र बाबू के राष्ट्रपति के पद से सेवा-निवृत भइला पर सदाकत आश्रम में उहाँ के साहित्यिक-सचिव संत कुमार वर्माजी नमक आंदोलन के समय चैनपुर बाजार पर नमक बनावत, धरना देत बारह लोगन के साथे धरा गइनीं l पुलिस एह सब लोगन के बारह माइल उत्तर हसनपुरा बाजार पर अपना गाड़ी में बइठा के ले आइल आ एह बाजार में पहुँचला के बाद गाड़ी खराब के बहाना से गाड़ी ढकेले खातिर सबका के गाड़ी से उतार देहलस l एह लोगन के गाड़ी से उतरला के बाद एह लोगन के ओही जा छोड़ के पुलिस गाड़ी लेके भाग गइल l संत बाबू 13 अगस्त 1942 के जे पुलिस के डरे सीवान से भगनीं त अपना गाँवे दिघवलिया आ ओकरा बाद बलिया में जून 1943 तक फरारी के जिनगी बितवला के बादे सीवान लउकनीं l

सीवान में पटना कॉलेज जरवला के समाचार पढ़के विक्टोरिया मेमोरियल हाई इंग्लिश स्कूल आ डी. ए. वी. हाई स्कूल जरावे के काम युवा छात्रन के गुप्त संगठन ‘सिक्रेट सोसायटी’ के सदस्य लोग कइलस l एह दूनू स्कूलन के जरावे में सर्वश्री गोपीकृष्ण लाल दास, महेन्द्र कुमार, मोख्तार सिंह, विपिन बिहारी वर्मा, रामाधारप्रसाद अंशुमाली, रामचन्द्र प्रसाद, रवीन्द्रदत्त शुक्ल, श्याम किशोर तिवारी, नन्द कुमार उपाध्याय, परमानन्द यादव आ रमाकांत पाण्डेय के प्रमुख भूमिका रहे l

एह संगठन के संस्थापक सदस्य- गोपी कृष्ण लाल दास, महेन्द्र कुमार, रामचन्द्र प्रसाद, मोख्तार सिंह आ विपिन बिहारी वर्मा के सफल अगुआई में वी. एम. एच. इंग्लिश स्कूल में दू दिन ले हड़ताल करावे के काम अपना अंजाम तक पहुँचलl जवना के सफलता के उत्साह में आके ई लोगबबुनिया रोड के नीम के गाछ पर पुलिस के झाँसा देके झण्डा फहरवलसlओकरा बाद फौजदारी कचहरी पर झण्डा फहरावल गइल l जवना में श्री एस. सी. मुखर्जी एस. डी. ओ. साहेब राष्ट्रगान गइनीं आ ओकरा बाद उहाँ के लइकन पर लाठी चार्ज करा देहनीं l जवना में शंकर दास के गम्भीर चोट आइल l

एह संस्था के संस्थापकमहेन्द्र बाबू के अगुआई में पचरुखी आ सीवान में रेल लाइन आ ओकर खम्मा तुड़े के काम कइल गइल l एह काम में इहाँ के सहयोगी श्री रामनारायण प्रसाद रहनीं l सीवानजं. स्टेशन पर महेन्द्र बाबू आ श्याम किशोर तिवारी मिल के मढ़ौरा पुलिस के जवानन से रिवाल्वर छीन लेहलस आ भागे में सफल भी हो गइल l एह गुप्त संगठन के बइठक सीवान ज़िला के गाँवन में हमेशा होत रहे l बाद में एह संगठन के दिशा-निर्देश क्रांतिकारी नेता विद्या भूषण शुक्ल, वासुदेव नारायण सिन्हा, राजवंशी सिंह, जंगबहादुर सिंह (लाट साहेब) आ बिहार के टाइगर के रूप में चर्चित योगेन्द्र शुक्ल से मिले लागल l एही क्रम में सीवान के पंचमंदिरा के एह संगठन के एक गुप्त बइठक में जिलाभर के क्रांतिकारी लोग भाग लेहलस l जवना में योगेंद्र शुक्ल के देहल डायनामाइट से रेल पुलिया उड़ावे के काम के अंजाम तक पहुँचावे में रवीन्द्र नाथ शुक्ल, रामाधार प्र. अंशुमाली आ महेन्द्र कुमार सहित कुछ आउर लोग जान के बाजी लगा के पूरा कइलस l रवीन्द्र शुक्ल जी के पुलिस गिरफ्तार कइलस l अभी ई काम सेराइलो ना रहे कि सीवान थाना में राजेन्द्र गुप्ता के अगुआई में बम फेंक के ज़िला प्रशासन के चूल हिला देहल गइल l एह काण्ड में राजेन्द्र गुप्ता के बाकी सहयोगी श्याम किशोर तिवारी, महेन्द्र कुमार आ गोपीकृष्ण लाल दासत राजेन्द्र गुप्ता के साथ ही भाग गइल लोग l बाकिर थोड़े देर के बाद गुप्ता जी के घर से पुलिस उनका के धर दबोचलस आ ढंग से उनकर मरम्मत कइलस l गुप्ता जी पुलिस के ओतना मार बरदाश्त कर गइले l बाकिर अपना एह साथी लोगन के नाम ना बतवले l

एह संगठन के बाकी लोग भी अपना-अपना स्तर से सक्रिय रहे l जवना लोगन के नाम रहे-सर्वश्री वीरेन्द्र आज़ाद, रमा रमण, रामायण प्रसाद वर्मा, कपिलदेव श्रीवास्तव, पारसनाथ प्रसाद, बद्रीनाथ प्रसाद, रघुनाथ तिवारी, ललन प्रसाद, वीरेन्द्र, उमाशंकर द्विवेदी, सुरेन्द्र नाथ वर्मा, सूर्य नारायण सिंह (भोला बाबू), गणेश प्रसाद, नन्द किशोर, नारायण, विद्यानन्द दूबे, परमा यादव, किशोरी प्रसन्न सिंह, शुकदेव प्रसाद अग्रवाल, पुण्यदेव मिश्र, बद्री प्रसाद उर्फ बाबा, दीनानाथ, विश्वनाथ कलवार, राम अवतार प्रसाद, नगीना लोहार आ कौलेश्वर लोहार l एह में ई सब लोग राष्ट्रीय स्वयं-सेवक संघ के स्वयं–सेवक भी रहे आ राष्ट्रीय-आंदोलन में भी सक्रिय रहे l

एह तरह से सीवान ज़िला स्वतंत्रता-आन्दोलन के क्रम में आपन भूमिका बखूबी निभवले बा l

(परिचय-  डॉ. अमित कुमार मुन्नू l एम ए., एल. एल. बी., पीएच. डी., स्वतंत्र पत्रकार )


img242.jpg

Hum BhojpuriaSeptember 27, 20211min1650

भगवती प्रसाद द्विवेदी

जब 1857 में भोजपुरिया जवान मंगल पांडे के अगुवाई में सिपाही विद्रोह भइल, त सउंसे भोजपुरियन के लोहू उफान मारे लागल रहे आ जे जहवां रहे उहंवें से खिलाफत के सुर बुलंद कइल शुरू कऽ देले रहे। जन-जन में राष्ट्रीय चेतना के बोध करावे का गरज से देश के इतिहास, भूगोल, कुदरत, संस्कृति से लबरेज़ रघुवीर नारायण के ‘बटोहिया’ के सिरिजना भइल, जवन ‘भोजपुरी के वंदेमातरम्’ साबित भइल। बाकिर मुलुक के गौरवशाली इतिहास प पानी फेरेवाला अंगरेजन के करतूत प मनोरंजन बाबू के ‘फिरंगिया’ जब लिखाइल, त देश के-का छोट,का बड़-सभ केहुए के खून खौलि उठल आ घर-अंगना से खेत-खरिहान ले ओके गायन होखे लागल रहे। गांवागाईं भोजपुरी के कविताई गूंजि उठल रहे आ देश खातिर आपन जान तरहत्थी पर धऽके सभे मरि मिटे बदे तइयार हो गइल रहे। ‘बटोहिया’ आउर ‘फिरंगिया’ के तर्ज पर एगो अउरी गीत सिरिजाइल रहे ‘लुटेरवा’ आ ओकरा रचनिहार के नव महीना के कठोर जेहल के सजाइयो भुगुते के परल रहे।

‘लुटेरवा’ के अमर कवि रहलन गुंजेश्वरी मिश्र ‘सुजस’,जेकर जनम बिहार में ओह घरी के सारन जिला (अब सीवान) के बसंतपुर थानान्तर्गत गांव सैदपुर में भइल रहे। लरिकाइएं से कविताई में दिलचस्पी देखिके बाबूजी पंडित राजकुमार मिश्र उन्हुकर दाखिला छपरा के संस्कृत कॉलेज में करवा दिहलन। बाकिर गान्हीं बाबा के असहजोग आंदोलन में भागीदारी निभावत ‘सुजस’ जी पढ़ाई छोड़ि दिहलन। बाबूजी देशभक्ति से धियान भटकावे आ घर-परिवार से जोड़ेके दिआनत से शिवपुर सकरा थाना दरौली के केदारनाथ पाण्डेय के बेटी से उन्हुकर बियाह करवा दिहलन।

बाकिर गुंजेश्वरी मिश्र ‘सुजस’ त खुद के जंगे-आजादी खातिर समर्पित कऽ देले रहलन। सन् 1921 शुरू हो चुकल रहे।

‘सुजस’जी एगो नया गीत के सिरिजना कऽ दिहलन आ बेगर केहू से किछु बतवले छपरा के कमला प्रेस में जाके रातोरात आपन गीत ‘लुटेरवा’ के एक हजार कॉपी छपवा लिहलन। गीतकार का रूप में ऊ आपन नांव ना डललन आ छद्मनांव छापिके रेलगाड़ी में गा-गाके जनता के सुनावे लगलन। ऊ गांव-गांव में जासु आ ‘लुटेरवा’ गावत जनजागरन के अभियान चलावसु। उन्हुका गीत आ गायकी सुनि-पढ़िके सुननिहारन के करेजा फाटे लागत रहे। लोग मातृभूइं खातिर तन-मन-धन अर्पित करे आ सर्वस्व होम करे के किरिया खात रहे।

बाकिर ‘सुजस’ जी के गीत अंगरेजी शासन के नींन हराम कऽ दिहलस। भलहीं ओह पर उन्हुकर नांव ना रहे, बाकिर पुलिस के असलियत के भनक मिलि गइल। उन्हुका घरे जब पुलिस के छापा परल,त गीत के मूल पांडुलिपि आ छपल प्रति बरामद भइल। ‘सुजस’जी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। गांव-जवार के तमाम नामी-गिरामी संभ्रांत लोग जमानत लिहल। छपरा के जिलाधीश के इजलास में मोकदिमा चलल।

आखिरकार ‘सुजस’ जी के सश्रम कारावास के सजाइ सुनावल गइल-उहो नौ महीना के कठोर सजाइ। बाकिर उहवों कवि जी ‘लुटेरवा’ गीते के गायन करत रहलन।

दरअसल ‘लुटेरवा’ में देश में कारोबार करे आइल गोरन के लुटेरा साबित कइल गइल रहे। सांच बात कहला प सोझे जेहल के हवा खिआवल जात रहे। ‘लुटेरवा’ के शुरुआती पांती प अखियान कइल जाउ-

मक्का ओ मदीना अइसन जहान रहे,

पुन्न भूंइ भीत में मिलवले, लुटेरवा!

हमनी गरीब जब कुछ मंगलीं त

झट से तें जेहल देखवले,लुटेरवा!

कवि के कहनाम रहे कि लूट-खसोट करे का संगहीं अबोध लरिकन के जान लीहल आ संतसुभाव लोगन पर बर्बर अतियाचार भला केकर दिल ना दहला दी?

सब कोई मिलके दुखवा रोवत रहे

ताहि बीचे गोलवा गिरवले लुटेरवा।

चूनवा के गड़हा में साधुन के खड़ा कके 

ऊपर से पनिया गिरवले लुटेरवा।

छोट-छोट बालकन के घमवा में खेदि-खेदि 

सभनी के जमपुर भेजवले,लुटेरवा।

सुजस जी गीत में ओह घरी के किछु वारदातो के दिल के घवाहिल करेवाला चित्र उकेरत लिखले रहलन-

उहवां जो बृधा अरु सुशील सुदेव रहें 

लंगटहीं खाड़ तें करवले,लुटेरवा।

रायबरेली में दुखिया प्रजा के ऊपर

नाहक में गोलिया चलवले, लुटेरवा।

भारत के भाई-भाई के लड़वाके राज करेवाला ई लुटेरवा कतने कलाकारन के हाथ काटिके, आंखि फोरिके चउपट बना दिहलस। आगा के पांती में कवि कहत बा-

भाई में झगड़ा लगाइ ओ रिझाइकर 

पराधीन नामवा धरवले,लुटेरवा।

जहवां के लोग रहे ब्रह्मॠषि,राजॠषि,

सभनी के गदहा बनवले,लुटेरवा।

इहवां के शिक्षित सुजन शिल्पकार रहे,

पकड़ के भांड़ में झोंकवले,लुटेरवा।

कतना के हाथ काटि,कतना के आंखि फोरि

बिलकुल तें चउपट बनवले,लुटेरवा।

कपड़ा में चमड़ा के पालिस लगाइकर

साथहीं पलेगवा भेजवले,लुटेरवा!

 

बाकिर एकरा के विडंबने कहल जाई कि ‘बटोहिया’ आ फिरंगिया के गीतकार के जवन प्रसिद्धि मिलल, ऊ ‘लुटेरवा’ के गीतकार के ना मिलि पावल। बाकिर ना त कविवर गुंजेश्वरी मिश्र ‘सुजस’ जी के देश का प्रति सच्चा समरपन के भुलाइल जा सकेला, ना एह ‘लुटेरवा ‘ के यादगार पांती के। ‘सुजस’जी के सुजस जंगे-आजादी के इतिहास में दर्ज रही।



About us

भोजपुरी भाषा, साहित्य, संस्कृति  के सरंक्षण, संवर्धन अउर विकास खातिर, देश के दशा अउर दिशा बेहतर बनावे में भोजपुरियन के योगदान खातिर अउर नया प्रतिभा के मंच देवे खातिर समर्पित  बा हम भोजपुरिआ। हम मतलब हमनी के सब। सबकर साथ सबकर विकास।

भोजपुरी के थाती, भोजपुरी के धरोहर, भूलल बिसरल नींव के ईंट जइसन शख्सियत से राउर परिचय करावे के बा। ओह लोग के काम के सबका सोझा ले आवे के बा अउर नया पीढ़ी में भोजपुरी  खातिर रूचि पैदा करे के बा। नया-पुराना के बीच सेतु के काम करी भोजपुरिआ। देश-विदेश के भोजपुरियन के कनेक्ट करी भोजपरिआ। साँच कहीं त साझा उड़ान के नाम ह भोजपुरिआ।


Contact us



Newsletter

Your Name (required)

Your Email (required)

Subject

Your Message