बुद्ध के युद्ध शिक्षा, रूस-यूक्रेन के कहानी आ वर्त्तमान संघर्ष

यशेन्द्र प्रसाद भगवान् बुद्ध कहले – “तथागत सिखावेले कि हर युद्ध, जेकरा में एक मानुस दोसरा मानुस के बध करेला, शोचनीय ह। लेकिन तथागत ई कबो ना सिखावेले के शांति बनावल रखे के हरसंभव परयास जब बिफल हो जाओ त न्यायसंत युद्ध करे वाला के निंदा होखो। जे युद्ध के कारण पैदा करेला ऊ अवश्य दोषी होला।” (17) ” तथागत स्वार्थ के पूर्ण समर्पण करे के अवश्य सिखावेले। लेकिन तथागत गलत शक्ति के सामने कवनो चीज के समर्पण करे के शिक्षा ना देले, चाहे ऊ शक्ति मानुस हो, देवता हो भा प्राकृतिक तत्त्व होखो। संघर्ष त रही, काहे कि समूचा जीवने कवनो ना कवनो तरह के संघर्षे ह, लेकिन संघर्ष करे वाला कहीं ऊ सत्य आ सदाचार के खिलाफ त स्वार्थ के संघर्ष नइखे करत !” (18) “हे सिंह!जे युद्ध में न्यायसंगत उद्देश्य खातिर जाता ओकरा शत्रुअन के बध करे खातिर तैयार रहे के चाहीं। काहे कि योद्धा लोगन के इहे नियति ह, आ अगर ओकर नियति ओकरा के धर लेले बा तब शिकायत करे के कवनो कारणे नइखे।” (22) “जे न्याय अउर सदाचार के पक्ष में बाटे ऊ कबो असफल ना होला, बलुक आपन उद्यम में सफल होला आ ऊ सफलता टिकाऊ भी होला।” (28) ” हे सेनापति ! ई सब समझ के तू युद्ध करs, आपन युद्ध शूरता से लड़s, लेकिन सत्य के योद्धा बन के ! तबे तथागत तहरा के असिरवाद दीहें !” (30) ( ‘धम्मपद‘ से ) xxxxxxxxxxxxxxxxxx यूक्रेन युद्ध के एक से एक दर्दनाक वीडियो आ फोटो के बमबारी हमनी सभ पर टीवी आ इंटरनेट के माध्यम से हो रहल बा। भारत के टीवी चैनल सब ‘ वॉर रूम’ खोल लेले बाड़े सन आ देखला से […]
रूस-यूक्रेन युद्ध आ ओकर विश्व पर प्रभाव

ज्योत्स्ना प्रसाद हमनी के पीढ़ियन से ई बात सुनत चलल आवतानी सन कि कवनों भी बड़ लड़ाई के मूल में- ज़र,जोरू आ ज़मीन एही तीनों चीज़न में से कवनों ना कवनों के प्रधानता रहेला। आजो कमोबेश ज़र आ ज़मीन ही युद्घ के मूल रूप से कारण रहेला। एकरा साथ ही समय के एह दौर में […]
कहाँ जाके रुकी ई युद्ध

बद्रीनाथ वर्मा यूक्रेन पर धुआंधार मिसाइल बरसा के रूस के लागल कि बस दु चार दिन में यूक्रेन घुटना के बल आ जाई लेकिन ई ओकर गलतफहमी साबित भइल। लड़ाई लगातार लंबा खिंचात जात बा। कब खतम होई आज के तारीख में केहू भी बतावे में समर्थ नइखे। उल्लेखनीय बा कि यूक्रेन के दुगो प्रांत […]
पुतिन के सनक आ जेलेंस्की के जिद के भेंट चढ़ल यूक्रेन

अनुरंजन झा रूस आ यूक्रेन के बीच के युद्ध तीसरा हफ्ता में आ गइल बा लेकिन का मजाल कि दूनू देश में कवनो जाने टस से मस हो जाए लो। एतना त तय बा कि हमला करे से पहिले रुस के इ बात के अँदाजा ना रहल होई कि इ लड़ाई एतना लंबा खिंची। खाली […]
रूस-यूक्रेन युद्ध में लउकत बा देस विघटन के मलाल

डॉ० रंजन विकास युद्ध कवनो नया चीज नइखे। जब से एह धरती प सृष्टि भइल, तबे से युद्ध चलल आ रहल बा। इहो बात सही बा जे देस, काल आ परिस्थिति के हिसाब से समय-समय प ओकर रूप-सरुप बदलत रहेला। युद्ध कवनो समस्या के समाधान ना हऽ। ई बात सभे जानेला आ पहिलहूँ के लोग […]