बिहारी परब सतुआन

सतुआन भोजपुरी संस्कृति के काल बोधक पर्व ह। हिन्दू पतरा में सौर मास के हिसाब से सुरूज जहिआ कर्क रेखा से दखिन के ओर जाले तहिये ई पर्व मनावल जाला। एहि दिन से खरमास (खर-मास) के भी समाप्ति मान लिहल जाला। सतुआन के बहुत तरह से मनावल जाला, सामान्य रूप से आज के दिन जौ […]

काश, अजय बांगा अउर गुनीत मौंगा से खालिस्तान समर्थक लोग कुछ सिखित

आर.के. सिन्हा काश, खालिस्तान के पक्ष में नारेबाजी करे वाला लोग अजय बांगा अउर गुनीत मौंगा से कुछ प्रेरणा ले लित। ई दूनू जन भी कट्टर सिख ह लो आ ये लोग के हालिया उपलब्धि पर सारा देश गर्व कर रहल बा। बांगा ओ वर्ल्ड बैंक के अध्यक्ष बने जा रहल बाड़ें जेकर 189 सदस्य […]

भोजपुरी प्रकाशन के सइ बरिस

पुस्तक-समीक्षाडॉ. शंकर मुनि राय ‘ गड़बड़’ पुस्तक: भोजपुरी प्रकाशन के सइ बरिससंपादक: पं. गणेश चौबेविधा: साहित्य संकलनप्रकाशक : भोजपुरी अकादमी, पटनाप्रकाशक वर्ष: अगस्त 1983पृष्ठ: २००मूल्य: बीस रूपया भोजपुरी अकादमी पटना से १९८३ में छपल ई किताब भोजपुरी के बहुते महत्वपूर्ण प्रकाशन ह. ई एगो सम्पादित किताब ह. एकर सम्पादन कइले रही पंडित गणेश चौबे जी. […]

भोजपुरी साहित्य परम्परा आ परख

पुस्तक-समीक्षा सौरभ पाण्डेय पुस्तक- भोजपुरी साहित्य परम्परा आ परख  लेखक- डॉ० ब्रजभषण मिश्र विधा– आलेख प्रकाशक- सर्वभासा ट्रस्ट,  राजापुरी, उत्तमनगर, नई दिल्ली-110059 प्रकाशन वर्ष – 2021 पॄष्ठ संख्या – 168 मूल्य – 250 रुपया   रचनात्मकता आ उपलब्धी के नजर से देखल जाव त पाछिल साठ के दसक से भोजपुरी लेखन के जवन उठान बनल […]

अनिरुद्ध के पहिला काव्य-संग्रह पनिहारिन

पुस्तक-समीक्षा निरंजन प्रसाद श्रीवास्तव   पुस्तक : पनिहारिन (भोजपुरी काव्य संग्रह) लेखक : अनिरूद्ध विधा : काव्य प्रकाशक : सरोज प्रकाशन, 5, टैगोर हिल्स रोड, राँची प्रकाशन वर्ष : 1989 पृष्ठ संख्या : 96 मूल्य : 25 रुपया ‘पनिहारिन’, भोजपुरी कविता-संसार में भोजपुरी के पन्त आ वर्ड्सवर्थ का नाम से विख्यात भोजपुरी के यशस्वी कवि-गीतकार आ […]

पुस्तक-समीक्षा

पुस्तक-समीक्षा डॉ. नीरज सिंह                  स्वर्गीय बरमेश्वर सिंह कवनो परिचय के मोहताज नइखन। उहां के  भोजपुरी के एगो बहुत समर्थ रचनाकार रहनी हां जे एक साथ ही कविता आ कहानी दुनो क्षेत्र में सक्रिय रहीं। उहांके लिखल कविता के दुगो संग्रह प्रकाशित हो  चुकल बा। पहिला कविता संग्रह छंद मुक्त कविता के ह, जवना के […]