LORD_RAMA_30.jpg

Hum BhojpuriaMay 21, 20212min5500

मनोज भावुक

ई चइत के महीना हऽ. भगवान श्रीराम के जनम के महीना. अब राम से बड़ा नायक के बा ? जेतना राम पर लिखाइल बा, कहाइल बा, गवाइल बा आ मंचन भइल बा, सीरियल-सिनेमा बनल बा, ओतना कवना नायक पर काम भइल बा ?…आ बात खाली भइला के नइखे, भावना के बा. जवना भावना से लोक में राम के स्वीकार कइल गइल बा, उ भाव दोसरा कवनो नायक के नइखे भेंटाइल. साँच कहीं त जीवन के हर भाव में राम बाड़े. राम हर काल में प्रासंगिक बाड़े. कोरोना काल में भी.

लोक में राम, भोजपुरी साहित्य में राम, भोजपुरी कविता में राम, सिनेमा में राम, लोकगीतन में राम, हमनी के जीवन में राम, जीवन शैली में राम, अयोध्या में राम अउर हमनी के धड़कन में राम. हमनी के रोंआ-रोंआ में राम बाड़े, इहे एह लेख के सुर बा. राम के एही तरे के मौजूदगी कोरोना होखे चाहे दोसर कवनो आफत ओकरा से उबरे खातिर धैर्य, सबल अउर सकारात्मक सोच के दिशा सुनिश्चित करेला.

हमनी के लोकगीतन में राम जनम से लेके मृत्यु तक बाड़े. सोहर से लेके ‘ राम नाम सत्य है’ तक. हमनी के हर संस्कार में राम बाड़े. व्यवहार में राम बाड़े. गणना-गणित में राम बाड़े. भोजन-भजन में राम बाड़े. साँच पूछीं त राम रसायन आजो सब समस्या के समाधान बतावे में सक्षम बा. रामलीला आ रामचरित मानस आजो सबसे आसानी से समझ में आवे वाला दर्शन शास्त्र बा. सिनेमा-सीरियल खातिर सबसे इंटरेस्टिंग एक्शन बा, ड्रामा बा, इमोशन बा. मानी भा मत मानी राम के बिना राउर काम चले वाला नइखे.

भजिलऽ ए मनराम नाम ना तऽ फेर पाछे पछितइबs हो !

एह लोकप्रिय भजन से साफे पता चलsता कि भारतीय जनमानस के राम पर केतना भरोसा बा. विद्वान् लोग कहेला कि ऋग्वेद में भी राम के जिक्र बा लेकिन राम के स्थापित करे वाला पहिलका काव्य ‘वाल्मीकि रामायण’ ह. महर्षि वाल्मीकि राम के महापुरुष मनले बाड़े.

त्रेता युग में भगवान विष्णु राम का रूप में राजा दशरथ के बेटा बनके उतरलें, ई बात सबका पता बा. अब एह कथा के आ राम के चरित्र के गोस्वामी तुलसीदास अइसन गढ़लें कि राम ग्रन्थ के पन्ना से निकल के घर-घर में समा गइलें. तुलसी के राम चमत्कारी राम ना, गृहस्थ जीवन वाला राम, लोक के चिंता करे वाला राम बनलें. एही से उ लोक के चित प चढ़ के मन, प्राण आ  आत्मा में समा गइलें. गीत-संगीत में समा गइलें. राग-सुर पर उतर गइलें. ठेकान बा कि राम पर केतना भजन बा.

भजु राम जी के नाम भइया रेअति सुखदाई
एगो उहे अइहे काम भइया रेअति सुखदाई

भजने ना, बिआह-शादी के माड़ो तक ले राम गूँजे लगलें. अब राम से बढ़िया दूल्हा भारतीय जनमानस में दोसर केहू नइखे-

साजी बरात चलेलें राजा दशरथ
गगन गरद उड़ि जाए
आजु देखों कोसिला के गोद, रामचंद्र दूलहा बनें

अतने ना, फगुवा-चइता तक ले राम गवाये लगालें-

होरी खेले रघुवीरा अवध मेंहोरी खेले रघुवीरा
केकरे हाथ कनक पिचकारीकेकरे हाथ अबीरा
राम के हाथ कनक पिचकारीलछुमन हाथ अबीरा

चइता के त सब लइनिये रामा आ ए हो रामा से ख़तम होला.

संस्कार गीतन के बात करीं त सोहरे से राम जी के जय-जय होखे लागेला-

धनि धनि अयोध्या रउरो भाग त परम सुहावन हो, ललना कहवां जनमले राम त केकरा ही लछुमन नूँ हो।। केकरा जनमले भरत….उठे सोहर हो / कोसिला के जनमले राम, सुमित्रा के लक्ष्मण हो, ललना केकई के भरत अब त अयोध्या उठे सोहर नूँ हो”…

देखीं, चईत के रामनवमी पर ई सोहर त खूब गवाला-

चइत अंजोरिया के नवमी, त राम जनम लिहले हो, ललना बाजे लागल अवध बधाव, महलिया उठे सोहर हो”

बतावत चलीं कि भोजपुरी के पहिलका महाकाव्य रामे पर बा- ‘ अपूर्व रामायण ‘ . पूरबी पुरोधा महेन्दर मिसिर एकर रचना कइले बाड़े.

रउरा जान के ताजुब्ब होई कि भोजपुरी भाषा में पहिलका समीक्षा-आलोचना के पुस्तक भी रामेकथा से जुड़ल बा- कमला प्रसाद मिश्र ‘ विप्र ‘ के ‘ रामकथा परम्परा में मानस ‘.

गद्य में  गणेश दत्त ‘ किरण’ रचित उपन्यास ‘रावन उवाच ‘ के कवनो जबाब नइखे.

राम पर भोजपुरी काव्य पुस्तक त खूब लिखाइल बा. अविनाश चन्द्र ‘ विद्यार्थी ‘ के ‘ कौशिकायन’ आ ‘ सेवकायन ‘, कुंज बिहारी ‘ कुंजन ‘ के ‘ सीता के लाल’, राम बचन लाल श्रीवास्तव के ‘बनवासी की शक्ति साधना’, रामबृक्ष राय ‘विधुर’  के ‘सीता स्वयंवर’, तारकेश्वर मिश्र ‘ राही’ के ‘ लव कुश ‘ , विश्वनाथ प्रसाद ‘ शैदा ‘ के ‘ रावण-अंगद संवाद’, वीरेश्वर तिवारी के प्रबंधकाव्य ‘ लंका विजय ‘ , श्रद्धा नंद पांडेय के ‘ श्री रामकथा ‘, व्रतराज  दूबे ‘ विकल ‘ के  ‘ केकई माई ‘ , अनिरुद्ध त्रिपाठी ‘ अशेष ‘  के ‘ प्रेमायन’ , हीरा ठाकुर के  ‘ अंजनी के लाल ‘ , अमर सिंह के प्रबंधकाव्य ‘ मर्यादा पुरुषोत्तम ‘ आ ‘ विश्वामित्र ‘ , अनिरुद्ध त्रिपाठी ‘संयोग’ के ‘ रामप्रिया बनवासिनी ‘, ब्रजभूषण मिश्र के ‘ महावीर जी सदा सहाय ‘ , हीरालाल हीरा के ‘केने बाड़ी सीता ‘ , कुंज बिहारी ‘ कुंजन ‘ के  कुंजन रामायण, राम सुरेश पांडेय के ‘ रावन चरित मानस ‘ ,  भगवान मिश्र ‘ श्रीदास ‘ के ‘ बालकांड रामायण ‘ , बद्रीनारायण दूबे ‘ बक्सरी ‘ के ‘ राम रसायन ‘ , शिव भजन राय  ‘ वैरागी ‘ के ‘ कवित रामायण’ आ ‘ भजन रामायण ‘, भगवान सिंह ‘ भास्कर ‘ के ‘ भास्कर लोक रामायण ‘, रामलाल गजपुरी के ‘ रामचरित दर्शन ‘ , रामप्रवेश शास्त्री के ‘ रामभक्त हनुमान’ ,  हीरा प्रसाद ठाकुर के ‘ सबरी ‘ आ ‘ रामजी के बिआह ‘, बद्री नारायण दूबे के ‘ श्री राम चालीसा ‘ , गोरखनाथ शर्मा के ‘ सीताहरण’ आ व्रतराज दूबे ‘ विकल ‘ के ‘ सती उरमिला’ आदि प्रमुख बा.

भोजपुरी के राष्ट्रगीत ‘ बटोहिया ‘ के कवि बाबू रघुवीर नारायण जी के कृति ‘कुंवर विजयी रामायण’ में  युद्ध के प्रसंग देखीं –

राम यहि ठैयां भीम भय भरना हो ना

राम मारि डरलीं दैत्य कुम्भकरना हो ना

राम यहि ठैयां कैलीं घोर रनवां हो ना

राम मारि डरलीं विकट रवनवा हो ना

 

भिखारी ठाकुर रामभक्त रहलें. अपना नाटक में राम के खूब गवलें. ठाकुर जी के लिखल हई चौपाई देखीं-

राम नाम के भक्त जगत से तरि जालन तत्काल

कुतुबपुर के कहत भिखारी‘, बूढ़ जवान बाल

बहुत कुछ त वाचिक परम्परा में बा. मतलब लिखाइल नइखे बाकिर मंदिर पर झलकूटन में भा खेत-बधार आ नदी तीरे सुने के मिल जाई. कहे के मतलब कि हरवाही-चरवाही से लेके विद्वत मंडली तक राम के सत्ता बा. हमनी किहां एगो लोकप्रिय कहावत बा-

अन्हरी गइया के राम रखवइया

जेने ताकब ओने एह कहावत के एगो नया अर्थ खुली. अइसहूँ राम के जेतने जानब ओतने जाने के मन करी. उनकर महिमा अपरमपार बा. कोरोना काल में उ अउर करीब आ गइल बाड़े. कई जगह सब कुछ राम भरोसे बा. कवनो बात नइखे, दवा-बीरो के साथे ‘ राम रसायन तुम्हरे पासा’ के महामंत्र भी ईयाद रखीं अउर एह कोरोना महामारी से सम्पूर्ण विश्व आ मानवता के मुक्त करावे खातिर राम के नाव लेत रहीं. जय श्रीराम!


god-lord-ram-wallpaper-preview.jpg

Hum BhojpuriaMay 21, 20211min7230

मोहन पाण्डेय

भारतीय शास्त्र आ पुराण में लिखल बा कि जब-जब धरती पर अत्याचार, अधर्म, अउर पाप बढ़ि जाला तब-तब-भगवान कवनो ना कवनो रूप में अवतार लेके धरम के रक्षा करेलीं अउर पपियन के नास कइके धरती माई के भी दुख हरेलीं। अपने देश में मान्यता हवे कि असुरन के नाश करे खातिर भगवान समय-समय पर अवतार लिहले बानी। त्रेता युग में जब धरती अधरम आ अत्याचार से काँपि गइली आ असुरन के मायावी शक्ति से लोग बेहाल हो गइल तब भगवान खुद रघुकुल में माई कोशिल्या के गर्भ से अवतार लिहलीं। ऊ तिथि रहल चईत शुक्ल पक्ष के नवमी अउर भगवान अभिजीत नक्षत्र में अवतार लिहलीं। चारू ओर अपार खुशी फइलि गईल। बधाई बाजे लागल।

महल में तमाम तरह से खुशी के आयोजन कइल गइल।

रामचरित मानस के महान कवि भक्त गोस्वामी तुलसीदास जी एह समय के बहुते निम्मन बखान कइले बाड़ें-

नवमी तिथि मधुमास पुनीता। सुकल पक्ष अभिजित हरिप्रीता।

     मध्य दिवस अति सीत न घामा। पावन काल लोक विश्रामा।।

 

जब ब्रह्मा जी जनलीं कि अब भगवान के परगट भइले के समय आ गइल त सब देवता लोग विमान सजा-सजा के चलल। निरमल आकाश देवतन के समूह से भरि गइल। गन्धर्व लोग भगवान के गुणगान गावे लगल-

 

“सो अवसर विरंचि जब जाना। चले सकल सुर साजि विमाना।।

गगन विमल संकुल सुर जूथा। गावहिं गुन गन्धर्व बरूथा।।

 

गोस्वामी जी प्रभु के अवतार के बहुते मनभावन भाव लिखले बाड़ें-

“भए प्रगट कृपाला दीनदयाला कौशल्या हितकारी।

हरषित महतारी मुनि मन हारी अद्भुत रूप बिचारी।।

 

लोचन अभिरामा तन घनश्यामा निज आयुध भुज चारी।

भूषन बनमाला नयन विसाला सोभासिंधु खरारी।।

बालकाण्ड, पृष्ठ176,रामचरित मानस, गीताप्रेस, गोरखपुर।।

आखिर भगवान के राम रूप में अवतार काहें भइल ए बाति पर चर्चा कइल जरूरी बा।

भगवान भोलेनाथ से माई पार्वती पूछली कि हे भोलेनाथ भगवान के राम अवतार के कारण बताईं आ पूरा कथा बताईं।

“बालकाण्ड मे गोस्वामी जी लिखलीं। माई पार्वती पूछति हईं-

पुनि प्रभु कहहु राम अवतारा। बाल चरित पुनि कहहु उदारा।।

कहहु जथा जानकी बिबाहीं। राज तजा सो दूषन काहीं।।

 

(बालकाण्ड पृष्ठ 107रामचरित मानस, गीताप्रेस, गोरखपुर)

 

तब भोलेनाथ कहलन कि-

तस मैं सुमुखि सुनावऊँ तोहीं। समुझि परइ जस कारन मोही।।

जब जब होइ धरम कै हानी। बाढ़हिं असुर अधम अभिमानी।।

करहिं अनीति जाइ नहिं बरनी। सीदहिं बिप्र धेनु सुर धरनी।।

तब तब धरि प्रभु बिबिध सरीरा। हरहिं कृपानिधि सज्जन पीरा।।

 

(बालकाण्ड, पृष्ठ 117।रामचरित मानस, गीताप्रेस, गोरखपुर।।

 

मतलब इ कि जब जब धरम के हरास होला, नीच, अभिमानी, राक्षस बढ़ि जालें, अउर अइसन अन्याय करेलें कि ओकर वर्णन नाहीं कइल जा सकेला, तब तब कृपानिधान प्रभु अनेक दिव्य रूप में शरीर धारण करके सज्जन लोग के पीड़ा दूर करेलें।

भगवान शिव माई पार्वती से कह रहल बानी कि श्री हरि असुरन के मारि खातिर देवगण के स्थापित करेलीं अउर संसार में आपन निरमल यश फइलावेलीं। इहे कारण हवे श्री राम जी के अवतार के-

 

  असुर मारि थापहिं सुरन्ह राखहिं निज श्रुति सेतु।

  जग बिस्तारहिं बिसद जस राम जन्म कर हेतु।।

 

(बालकाण्ड,121) पृष्ठ 117

फिर आगे कहत बानीं कि ओही यश के गाके भगत लोग भवसागर पार क जालें। किरपा सिंधु भगवान भगत जन के हित के खातिर शरीर धारण करेलीं। भगवान के जनम के अनेक कारण बा जवन एक से बढ़ि के एक बा-

सोइ जस गाइ भगत भव तरहीं।कृपासिंधु जन हित तनु धरहीं।।

राम जनम के हेतु अनेका।परम बिचित्र एक तें एका।।

 

(बालकाण्ड, पृष्ठ118,रामचरित मानस, गीताप्रेस, गोरखपुर)

भगवान भोलेनाथ माई पार्वती जी से कहत बानी कि एक कल्प में भगवान बैकुण्ठनाथ, अपने द्ववारपाल विजय के असुर योनि से मुक्ति दिलावे खातिर वाराह अवतार लेके हिरण्याक्ष के अउर नृसिंह अवतार लेके हिरण्यकशिपु के नाश कइलीं। जवन जय विजय, सनकादि ब्रह्मर्षि गण के शाप से असुर कुल में जन्म लिहले रहलें। सनकादि ब्रह्मर्षि गण के शाप रहल कि जय विजय (श्री हरि के द्ववारपाल) तीन जनम तक असुर योनि में जन्म लिहें। रावण कुंभकर्ण के रघुकुल मणि के रूप में अवतार लेके नाश कइलीं।

राम जनम के हेतु अनेका।परम विचत्र एक ते एका।।

जनम एक दुइ कह ऊँ बखानी।सावधान सुनु सुमति भवानी।।

 

(मानस रहस्य पृष्ठ15,हनुमान प्रसाद पोद्दार, गीताप्रेस गोरखपुर)।

एगो प्रसंग अउर आवेला कि नैमिषारण्य में मनु अउर उनके पत्नी शतरूपा के तपस्या से खुश होके दर्शन दिहलीं तब श्री हरी जी वर माँगेके कहलीं तब मनु जी विनती कइलें कि हे कृपानिधान! रउवाँ से का छिपावे के बा, हम आप ही के समान पुत्र चाहत बानी-

दानि सिरोमनि कृपानिधि नाथ कह ऊँ सति भाउ।

चाह ऊँ. तुम्हहिं समान सुत प्रभु सन कवन दुराऊ।।

 

( रामचरित मानस, बालकाण्ड, पृष्ठ140गीताप्रेस गोरखपुर।।)

तब भगवान लक्ष्मीनारायण कहलीं कि अपने जइसन पुत्र कहाँ खोजे जाइब हम खुद तोहरे पुत्र के रूप में जन्म लेब। एह तरह से अयोध्या में राजा दशरथ अउर कौशल्या के पुत्र के रूप में भगवान अवतार लिहलीं। पहिले जन्म में इहे दशरथ अउर कौशल्या मनु व शतरूपा के रूप में रहलें।

उहवें नारद जी के श्राप के मान रखे के कारण भी भगवान नारायण के श्री राम के रूप में अवतार लेवेके पड़ल।

*भले भवन घर बायन दीन्हा।पावहुगे फल आपन कीन्हा।।

*बंचेहु मोहि जवनि धरि देहा।सोइ तनु धरहु श्राप मम एहा।।

कपि आकृति तुम कीन्हि हमारी।करिहहिं कीस सहाय तुम्हारी।।

मम अपकार कीन्ह तुम्ह भारी।नारि बिरह तुम्ह होब दुखारी।।

 

*।।बालकाण्ड, पृष्ठ130।।रामचरित मानस।।

 

भक्त वत्सल भगवान जी तुरंत भक्त के श्राप स्वीकार क लीहलीं अउर रघुकुल शिरोमणि के रूप में श्री अयोध्या में अवतार लीहलीं।।

अनेक कारण बा भगवान के अवतार के लेकिन सबके मूल में इहे बा कि जब-जब धरती पर अधरम बढ़ेला, धरती माई पाप के बोझ से व्याकुल हो जाली तब-तब भगवान नारायण, अनेक रूप में अवतार लेके भगत लोग के सुख देलीं अउर पपियन के नाश करेलीं।

भगवान नारायण के अवतार के ई कथा लोक में कल्याणकारी बा सुने अउर सुनावे वाला सबके कल्याण होखेला।

(परिचय- मोहन पाण्डेय हाटा, कुशीनगर में शिक्षक अउर वरिष्ठ साहित्यकार बानी)

 

 



About us

भोजपुरी भाषा, साहित्य, संस्कृति  के सरंक्षण, संवर्धन अउर विकास खातिर, देश के दशा अउर दिशा बेहतर बनावे में भोजपुरियन के योगदान खातिर अउर नया प्रतिभा के मंच देवे खातिर समर्पित  बा हम भोजपुरिआ। हम मतलब हमनी के सब। सबकर साथ सबकर विकास।

भोजपुरी के थाती, भोजपुरी के धरोहर, भूलल बिसरल नींव के ईंट जइसन शख्सियत से राउर परिचय करावे के बा। ओह लोग के काम के सबका सोझा ले आवे के बा अउर नया पीढ़ी में भोजपुरी  खातिर रूचि पैदा करे के बा। नया-पुराना के बीच सेतु के काम करी भोजपुरिआ। देश-विदेश के भोजपुरियन के कनेक्ट करी भोजपरिआ। साँच कहीं त साझा उड़ान के नाम ह भोजपुरिआ।


Contact us



Newsletter

Your Name (required)

Your Email (required)

Subject

Your Message