स्मृतिशेष मजदूर नेता रामदेव सिंह

लेखक: मनोज भावुक जन्मतिथि- 8 अक्टूबर 1935 पुण्यतिथि- 14 अप्रैल 2022 बाबूजी ना रहलें। ना रहलें हिंडाल्को के मजदूर नेता रामदेव बाबू। 14 अप्रैल 2022 के 87 बरिस के उमिर में उनकर निधन हो गइल। एक झटका में चल गइलें। भोरे उठ के पार्क में टहललें, सोसाइटी के गार्ड सब से रोज […]
केदार पाण्डेय से बाबा रामोदार दास आ फेर राहुल सांकृत्यायन कइसे बन गइलें राहुल बाबा

जन्मतिथि- 09 अप्रैल 1893 | पुण्यतिथि- 14 अप्रैल 1963 लेखक- मनोज भावुक पहिला बार जब हम जननी कि राहुल बाबा भोजपुरियो में किताब लिखले बाड़न, उहो नाटक… उहो एगो-दुगो ना, आठ गो त विश्वासे ना भइल। राहुल बाबा माने महापंडित राहुल सांकृत्यायन। बात 1996 के ह। तब हम बिहार आर्ट थियेटर, कालिदास रंगालय, पटना में […]
सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल हाय राम चिरई के जियरा उदास

लेखक- मनोज भावुक लोकधुन के सफल चितेरा चित्रगुप्त ना खाली भोजपुरी बलुक हिन्दी फिलिम के संगीत के भी अमर सितारा बानी। उहां के जनम 16 नवम्बर 1917 ई0 के बिहार, गोपालगंज जिला के करमैनी नाम के गांव में भइल। स्कूलिंग सिवान आ बनारस में भइल। पटना विश्वविद्यालय से अर्थशास्त्र में एम.ए. आ साथे-साथे पत्रकारिता […]
भिखारी ठाकुर: लोक जागरण के संदेश वाहक

ज्योत्स्ना प्रसाद “नौ बरस के जब हम भइलीं, विद्या पढ़न पाट पर गइलीं वर्ष एक तक जबदल मती, लिखे ना आइल राम गती मन में विद्या तनिक न भावत, कुछ दिन फिरलीं गाय चरावत ” भिखारी ठाकुर के विद्या आरम्भ भइल उनका नौ बरीस के भइला पर। बाकिर उनकर पढ़ाई में मन ना […]
गँवई संस्कृति के पोषक जनकवि कैलाश गौतम

जन्मतिथि – 8 जनवरी 1944 पुण्यतिथि – 9 दिसंबर, 2006 डा. पुष्कर ‘भक्ति के रंग में रँगल गाँव देखा, धरम में, करम में, सनल गाँव देखा। अगल में, बगल में सगल गाँव देखा, अमौसा नहाये चलल गाँव देखा।’ (अमौसा के मेला ) पंक्ति सुनते भा याद आवते कैलाश गौतम जी के चेहरा आ […]
डॉ० प्रभुनाथ सिंह के ईयाद में

लेखक : मनोज भावुक जन्मतिथि – 2 मई 1940 / पुण्यतिथि – 30 मार्च 2009 भोजपुरी आंदोलन के अगुआ डॉ० प्रभुनाथ सिंह के जन्मदिन ह 2 मई। 30 मार्च 2009 के दिल्ली से छपरा जात में गोंडा का लगे वैशाली एक्सप्रेस में हृदयाघात से उहाँ के मौत हो गइल। ओकरा एके दिन पहिले हमार […]
श्रद्धाँजलि- कवि अश्विनी कुमार ‘आँसू ‘

‘ टोअलो में टिसेला छिँउकिया के साटी राम ‘ जइसन गीतन के रचनाकार चंपारन के रहे वाला कवि अश्विनी कुमार ‘आँसू ‘ के 29 मई के निधन हो गइल। उहाँ के बिहार विश्वविद्यालय में भोजपुरी पाठक्रम लागू भइला पर पद्य आ गद्य संग्रह के संपादन में भरपूर सहयोग कइले रहीं। मंच अउर पत्रिका दुनों के […]
सेसर सृजनशील कर्मयोगीः जगन्नाथ

लेखक : भगवती प्रसाद द्विवेदी भोजपुरी के गालिब के रूप में लोकप्रिय जगन्नाथ जी 19 जनवरी 2020 के छियासी बरिस के उमिर पूरा क के सतासीवां साल में डेग बढ़वलें रहनीं। उहां के व्यक्तित्व-कृतित्व पर जब ‘परास‘ ( संपादकः डॉ. आसिफ रोहतासवी ) के ताजा अंक हमरा अतिथि संपादन में छपि के आइल, त फगुआ का पहिले उहां के अंक देखत दिल से हुलसल रहनीं, फेरू दार्शनिक […]
राहुल सांकृत्यायनः भोजपुरी साहित्य के गौरव

लेखक : प्रो. राजगृह सिंह बिहार के एकमा-मांझी के धरती ढेर उर्वर आ ऐतिहासिक हऽ। संत-शिरोमणि धरनी दास के जन्मभूमि मांझी के इतिहास बहुते पुरान बा। इहां गढ़ के खोदाई में जवनपुरान सामान मिलल बा, उ प्रमाणित करता कि ई गढ़ बुद्धकाल से भी पहिले के हऽ। काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के पुरातत्त्व विभाग तऽ इहां […]
श्रद्धांजलि : स्मृतिशेष अनिल अजिताभ

लेखक-निर्देशक अनिल अजिताभ के 4 मई के पटना में निधन हो गइल। चित्त बहुत अशांत बा। अभी जाये के उमर त ना रहल ह। भोजपुरी सिनेमा के एगो अइसन निर्देशक जेकरा पर नाज़ रहल ह, जेकरा से बहुत उम्मीद रहल ह, ओकर असमय गइल झकझोर देलस। जे भोजपुरी में बाहुबली आ रणभूमि जइसन फ़िल्म के […]