बुढ़िया माई

लेखक: जयशंकर प्रसाद द्विवेदी १९७९ – १९८० के साल रहल होई , जब बुढ़िया माई आपन भरल पुरल परिवार छोड़ के सरग सिधार गइनी । एगो लमहर इयादन के फेहरिस्त अपने पीछे छोड़ गइनी , जवना के अगर केहु कबों पलटे लागी त ओही मे भुला जाई । साचों मे बुढ़िया माई सनेह, तियाग आउर […]

छोट सा शहर हमार रामनगर

लेखक: अजय कुमार पाण्डेय बिहार के पश्चिमोत्तर, नेपाल-उत्तर प्रदेश के सीमावर्ती जिला चंपारण के एगो भौगोलिक, ऐतिहासिक आ सांस्कृतिक दृष्टि से मशहूर आ महत्वपूर्ण शहर । उत्तरे-दखिने लमा-लामी बसल हमनी के शहर में एगो रेलवे स्टेशन जेकर नाम हरीनगर रहे, एगो हाई-स्कूल, एगो संस्कृत हाई स्कूल, दु गो मिडिल स्कूल आ तीन-चार गो प्राइमरी स्कूल रल स। […]

गौरी – हमार पैतृक गाँव

लेखक: डॉ. रंजन विकास गौरी हमार पैतृक गाँव हऽ। दरौली प्रखण्ड के अन्दर पड़ेला। हमार गाँव तीन नदी के बीच में घिरल बा। गाँव के पूरब में झरही नदी, दक्खिन में सरयू नदी आ पच्छिम में निकारी नदी बा। एकरा बादो हमरा गाँव में आज ले कबहूँ बाढ़ नइखे आइल। लगभग हर साल गर्मी आ […]

हम गाँव में बहुत कम रहनी बाकिर गाँव हमरा भीतर हमेशा रहल

लेखक: मनोज भावुक हमरा ईयाद बा जब हम छठवां-सातवाँ में पढ़त रहीं त माई हर साल गरमी आ जाड़ा के छुट्टी में बहरा से गाँवे निकल जाय। एकरा अलावे भी महिना-दू महिना पर गाँवे चलिए जाय। ओकर परान गाँवे में बसत रहे। हम नया-नया शहर में आइल रहीं। शहर माने रेनूकूट, सोनभद्र, उत्तर प्रदेश। हमरा […]

चुनौती बनल अवसर

लेखक- महेन्द्र प्रसाद सिंह सन 1990 के बात ह। हमार पहिलकी किताब, भोजपुरी नाटक, “बिरजू के बिआह” खातिर हमरे अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का ओर से जगन्नाथ सिंह पुरस्कार लेबे खातिर नेवतल गइल रहे।  हमरा 26 मई 1990 के रेणुकोट पहुंचे के रहे। अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 11वां अधिवेशन के आयोजन उंहवे […]

भोजपुरिया समाज के जीवट कथा

लेखक- विनय बिहारी सिंह तीन गो एकदम सांच आ रोचक घटना हमनी के भोजपुरिया समाज के लौह पुरुषता के उदाहरण बाड़ी सन। अइसे त अनगिनत घटना बाड़ी सन, बाकिर आजु तिनिए गो प्रेरक घटना पढ़ीं।  पहिला घटना– उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के कौनो गांव के घटना ह। लइकाईं में ई घटना सुनाके हमार ईया […]

भोर ना परे भात के खीर

डॉ. अन्विति सिंह गुजरल दिन के कुछ-कुछ घटना अइसन ह जवन अकसरहे चेहरा पर मुस्कान लिया देवेला आउर  याद अगर अम्मा, पापा आ मामा के तिकड़ी के होखे त सोने प सुहागा। ऊ लोग के सब याद हमार अनमोल थाती ह। जेतना बेर याद करीले ओतना बेर हम ओह समय के यात्रा क लेवेनी। जाड़ा […]

भोजपुरी में संस्मरण-लेखन

केशव मोहन पाण्डेय जब कवनो लेखक अपना निजी अनुभव के ईयाद क के कवनो मनई, घटना, वस्तु चाहें क्रियाकलाप के बहाने लिखेला त उ सब पाठक के मन से जुड़ जाला। पाठक अपना देखल-सुनल-भोगल समय-काल में ओह चीजन के, बातन के, जोहे-बीने लागेला। संस्मरण एगो अइसनके विधा ह, जवना के पढ़ के पाठक लेखक के […]