बरवा तर के भूतवा ए बाबा! (मनोज भावुक)

सिनेमा मनोज भावुक गाँव के रहे वाला बानी भा गाँव रउरा भीतर रहल बा त रउआ जरूर भूत, प्रेत, चुरईल के कथा-कहानी सुनले होखब। चनेसर चाचा ओह बरगद के पेड़ तर से राति में जात रहलें त एगो परछाईं पीछा कइलस। बटेसर बाबा से ओह पकड़ी के पेड़ तर एगो भूत खैनी मंगलस। फलाना […]
युद्धकाल के कुछ बेहतरीन फिल्म

मनोज भावुक लगभग एक महिना त निगिचाइले बा। ना केहू झुके खातिर तैयार बा, ना रुके खातिर। यूक्रेन के तरफ से साफ संकेत बा कि उ आत्मसमर्पण ना करी। मैरियूपोल में चल रहल भीषण जंग में भी यूक्रेन के सेना हथियार डाले से इंकार कर देले बा। यूक्रेन के राष्ट्रपति वोलोदिमिर जेलेंस्की के कहनाम बा […]
सिनेमा में बारिश, बारिश में सिनेमा

मनोज भावुक भादो चल रहल बा, अबे कुछ दिन पहिले सावन बीतल ह। ई दुनु महीना सबसे ढेर बरखा खातिर जानल जाला। ई महीना किसान के होठे मुस्की लिआवेला, त गोरी के अपना प्रेमी के इयाद में तड़पावेला। कहल जाला कि सावन में बड़ा त्योहार अउरी उत्सव होला त भादो आवते सब बंद हो जाला। […]
चिरई का जालवा में फँसल बहेलिया गोहार करेला

लेखक – मनोज भावुक जन्मतिथि – 1 अक्टूबर 1919 पुण्यतिथि – 24 मई 2000 गीतकार मजरुह सुल्तानपुरी प पोथी प पोथी लिखाइल बा। हिंदी सिनेमा में एक से बढ़ के एक गीत देले बाड़न उ। ओह पर बहुत कुछ नइखे कहे के। एह छोट आलेख में कहाइयो नइखे सकत। अँटबे ना करी। आँटे के त […]
बेतिया से बॉलीवुड के सफर मनोज बाजपेयी खातिर आसान ना रहल

जन्मदिवस विशेष: 23 अप्रैल 1969 लेखक- मनोज भावुक कुछ लोग के ज़िन्दगी के कहानी स्वेट मार्डेन, शिव खेड़ा, नेपोलियन हिल आदि के प्रेरक पुस्तक से कम रोचक आ मोटिवेशनल ना होला। कोरोना काल में अइसने कहानियन के जरूरत बा जे गहन निराशा में आशा के किरण जगावे। कहल जाला कि मन में हिम्मत होखे आ […]
होली पर रिलीज भइल खेसारीलाल आ निरहुआ के फिल्म

लेखक- मनोज भावुक फिल्म जगत में फेस्टिवल पर फिल्म रिलीज करे के फैशन बा। ओकर सम्बन्ध बिजनेश से भी बा। अबकी होली पर खेसारीलाल यादव आ दिनेश लाल यादव निरहुआ के फिल्म रिलीज भइल ह। आईं एह दूनू फिल्मन पर बात कइल जाय। खेसारीलाल यादव के फिल्म ‘सइयां अरब गइले ना’ कुछ कर गुजर […]
होठ प मुस्कान दबा के चले वाली हिरोइन हई आम्रपाली दुबे

लेखक- मनोज भावुक हिरोइन त सुन्दरे होला लो. ना रहित लोग त हिरोइन के बनाइत बाकिर आम्रपाली दुबे कुछ बेसिए सुन्दर बाड़ी. इंडियन क्लासिक लुक बा, भरल-पूरल देह आ होठ प बुझाला जे मुस्कान थिरकता. आज उनकर जन्मदिन ह. जन्मदिन के बधाई. जान जाईं कि छवे साल में छा गइल बाड़ी आम्रपाली दुबे. टॉप पर […]
अभिनेता रवि किशन के भोजपुरी में ब्रेक देवे वाला निर्माता मोहन जी प्रसाद ना रहनी

‘’ आप भोजपुरी में ब्रेक नहीं देते तो शायद मैं और मेरी पहचान अधूरी रह जाती ’’- रवि किशन लेखक- मनोज भावुक निर्माता-निर्देशक मोहन जी प्रसाद ना रहनी। 17 नवम्बर दोपहर 2 बजे मुंबई में उहाँ के निधन हो गइल। मोहन जी के भोजपुरी सिनेमा के तीसरा चरण भा मॉडर्न युग के जन्मदाता भी […]
आधुनिक भोजपुरी सिनेमा के स्टार (2001-2019)

लेखक : मनोज भावुक रविकिशन रविकिशन आधुनिक भोजपुरी सिनेमा के पहिला सुपरस्टार हउवें। उनकर शुरुआत हिंदी सिनेमा से भइल बाकिर उनका नाम आ दाम भोजपुरी से मिलल। 17 जुलाई 1969 के मुंबई के सातांक्रूज इलाका में उनकर जनम भइल। उनकर पिता जी पहिले मुंबई में दूध के व्यापार करत रहलें। जब बिजनेस ठप पड़े […]