राउर पाती

‘ भोजपुरी जंक्शन ‘  के ऐतिहासिक आ सांस्कृतिक दस्तावेज ‘भोजपुरी जंक्शन’ के एने दूगो अइसन अंक आइल बा, जवन खास तौर से चरचा के मांग करत बाड़न स। पहिलका गिरमिटिया आ दोसरका दियरी-बाती-छठ अंक। एगो इतिहास रचे वाला, त दोसरका सांस्कृतिक चेतना जगावे वाला। इन्हनीं के अगर ऐतिहासिक आ सांस्कृतिक दस्तावेज कहल जाउ, त अतिशयोक्ति […]

डॉ. राजेंद्र प्रसाद दिहनी भोजपुरी फिल्म बनावे के आइडिया

लेखक – मनोज भावुक 16 फरवरी 1961, भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो ऐतिहासिक तिथि बा। आजे पटना के ऐतिहासिक शहीद स्मारक पर भोजपुरी के पहिला फिलिम ‘गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो’ के मुहूर्त समारोह संपन्न भइल आ अगिला दिने शूटिंग शुरू हो गइल। वरिष्ठ पत्रकार अउर भोजपुरी चलचित्र संघ के अध्यक्ष आलोक रंजन के अनुसार ई […]

स्मृति शेष: वात्सल्य के साक्षात् मूर्ति मृदुला सिन्हा

  आर.के. सिन्हा 18 नवम्बर 2020 के दिन भारतीय जनता पार्टी कार्यकर्तन खातिर खासकर बिहार से जुड़ल लोगन खातिर अत्यंत दुःखद रहल, जब मृदुला भाभी( गोवा के भूतपूर्व राज्यपाल मृदुला सिन्हा) के देहावसान हो गइल। सुबह लगभग 7 बजे ही बिहार के नव-नियुक्त उप-मुख्यमंत्री श्रीमती रेणु देवी के फोन आइल अउर उ चिंता भरल लहजा […]

हमनी के रजिंदर बाबू

संपादक- मनोज भावुक 26 नवम्बर 1949 के भारत के संविधान बनके तइयार भइल, लागू भइल 26 जनवरी 1950 के। कादो, विश्व के सभ संविधान के अध्ययन कके व्यापक विचार-विमर्श के बाद भारतीय संविधान तइयार भइल। संविधान निर्माण खातिर संविधान के प्रारूप समिति के 141 गो बइठक भइल आ एह तरह से 2 बरिस 11 महिना […]

ए कठमुल्लन से अब उदारवादी आ राष्ट्रभक्त मुसलमान लोग लड़ो

आर.के.सिन्हा फ्रांस अउर इटली में जेहादी कठमुल्लन के करतूतन से सारी दुनिया स्तब्ध बा। ई लोग बेवजह कत्लेआम करे से बाज नइखे आवत। बम बिस्फोट आ कत्लेआम कइल जा रहल बा। ई लोग कोरोनो के विश्वव्यापी काल में सारी दुनिया के सामने एगो लमहर चुनौती पेश क देले बा। सबसे गम्भीर बात ई बा कि […]

ए छठी मईया, सुनि लs अरजिया हमार

संपादक- मनोज भावुक हमरा बुझाला जे छठी मईया के भोजपुरी गाना बहुत पसंद बा। उ हर अरज गीतवे में सुनबे करेली। घर से घाटे निकले से लेके, घाट पर भर पूजा चाहे घाट से लौट के कोशी भरे या फेर भोरे अरघ देवे तक उहे– तिले-तिले गीत। गायको लोग ई बात बुझ गइल बा। दे […]

राउर पाती

कला, साहित्य आउर संस्कृति के जीयत-जागत चेहरा बा भोजपुरी जंक्शन भोजपुरी जंक्शन भोजपुरिया समाज के कला, साहित्य आउर संस्कृति के जीयत-जागत चेहरा बा। एकर हरेक अंक आपन खासियत राखेला। बाकिर भोजपुरी जंक्शन के 16-30 सितंबर 2020 अंक बहुत जानदार बा। एह अंक में भोजपुरी के धरोहर, चिंतक आउर लेखक आचार्य पांडेय कपिल जी पर भोजपुरी […]

बल्लभगढ़ से यूरोप तक फइलल इस्लामिक जेहादी

आर.के.सिन्हा कवनो युवक-युवती में प्रेम भइल या एकतरफा प्रेम भइल सदियन से चलत आ रहल सामान्य बात बा। इहो होला कि अनेक बार एक दोसरा के चाहे वाला में कई कारन से विवाह भी ना होखे। एकर तमाम वजह हो सकsता जेकर चर्चा क के राउर समय बर्बाद नइखीं करे के चाहत। लेकिन कवनो कन्या […]

गिरमिटिया : सियाह रात के सोनहुला भोर

संपादक- मनोज भावुक पहिलहूँ लिखले बानी। फेर कहsतानी। बिहार में का बा, यूपी में का बा, बम्बई में का बा, इण्डिया में का बा, उनका में का बा, इनका में का बा…. त ए जिनिगिये में का बा ??? .. आ जब कतहूँ कुछ हइलहीं नइखे तब हाय-हाय में का बा ? हमनिये के पूर्वज […]

निजी क्षेत्रन के प्रोत्साहन देवे पोलिटिकल पार्टी

  आर. के.सिन्हा बिहार एक बार फेर चुनावी समर खातिर तैयार बा। राज्य में राजनीतिक माहौल गरमा गइल बा। नेता लोग के जनसंपर्क अभियान जारी बा। केतना अच्छा होइत अगर अबकी बिहार विधान सभा चुनाव जाति के सवाल के बजाय विकास के मुद्दा पर ही लड़ल जाइत। ये मसला पर सभ क्षेत्रन में गम्भीर बहस […]