केहू के असरा मत करिह, बस करिह अपना बल के

संजय कुमार पांडेय सिद्धांत केहू के असरा मत करिह, बस करिह अपना बल के। कोई भी देश के प्रमुख के ई पहिला जिम्मेदारी बा कि आपन देश के जनता के रक्षा के ध्यान रखीं आ कोई भी दूसरा देश के साथे कभी भी अपना स्वार्थ में या अपना आन में भा दोसरा के बहकवला में […]
शरणार्थी बने के मजबूर बाण यूक्रेनी

तारकेश्वर राय तारक समय बड़ा बलवान होला, ई कब केकरा सामने कवना रूप में आई कहल मोसकिल बा। देखीं ना कुछ समय पहिले तक यूक्रेन के नागरिक सपनो में ना सोचले होखिहन कि युद्ध जइसन कवनो बिपत से दू दू हाँथ करे के परी। काहे रूस रिसिया गइल आ यूक्रेन पर हमला कई दिहलस ? […]
रूस-यूक्रेन युद्ध

अखिलेश्वर मिश्र युद्ध कवनों भी स्थिति में समस्या के समाधान ना ह। युद्ध समस्या बढावेला। ई विश्व के कई तरह से प्रभावित करेला। कवनों भी देश के अपना सुरक्षा के चिंता होला आ रहे के भी चाहीं। एकरा वास्ते उ साम-दाम-दण्ड-भेद के भरपूर इस्तेमाल करे के चाहेला। हर देश अच्छा आ मनोनुकूल पड़ोसी चाहेला। भारत भी […]
यूक्रेन-एक अन्य परिपेक्ष

हरेन्द्र कुमार पाण्डेय 3 मार्च, 2022 के बिहार के मुख्यमंत्री के एगो बयान खूब चर्चा में आइल। उ साफतौर पर कहले जे उनका मालूम ना रहल ह कि भारत के हजारो-हजार पढुआ यूक्रेन जइसन देश में पढ़े गइल बाड़न। ए से नितीश कुमार के ईमानदारी त झलकता, साथही ईहो जाहिर होता कि भारत के भाग्य […]
रूस-युक्रेन युद्ध माने बरबादी के मंजर

मंजूश्री जब कवनो देश के मूढ़ मू़र्ख हठी अनुभवहीन नकलनवीस शासक मिल जाला तब तबाही बरबादी के मंजर देखे के मिलेला। युक्रेन के वर्तमान राष्ट्रपति के भी इहे हाल बा। हालाँकि उ चुनाव से ही आइल बाडे़ लेकिन कवनो राष्ट्र के निर्माण कइसे होला, राजनीति-कूटनीति का होला देसभक्ति के माने का होला, एगो नागरिक के […]
अमेरिका आ नाटो ग्रुप के लिहो-लिहो कइला से भइल बा ई हाल

अजय कुमार पांडेय लइकाई में हमनी के गोल में जौन सबसे खुराफाती लइका रहे, ओकर काम रहे कौनो के कौनो के लड़ा-भिड़ा के अपने अलगा हो के मजा लेहल। हमरा ईयाद बा, हमरा गांव में एगो नउआ, नौमी ठाकुर रलें। बोली में बड़ी मीठ, बाकिर रलें भारी बिसखोपड़ा। गांव में जेतना लड़ाई-झगड़ा आ बवाल होखे, […]
रूस-यूक्रेन झगड़ा के बिया त बहुत पहिले रोपा गइल रहे

मनोज भावुक रूस यूक्रेन युद्ध के चलत सवा महीना से ऊपर हो गइल बा अउरी यूक्रेन के हजारो नागरिक आ दुनू ओर के मिला के हजारों सैनिक के जान चल गइल बा। शहर के शहर तबाह भइल बाड़s सन तवन त अलगे बा। युद्ध हमेशा जान माल के नुकसान ही लेके आवेला। अब रिपोर्ट्स के […]
बुद्ध के युद्ध शिक्षा, रूस-यूक्रेन के कहानी आ वर्त्तमान संघर्ष

यशेन्द्र प्रसाद भगवान् बुद्ध कहले – “तथागत सिखावेले कि हर युद्ध, जेकरा में एक मानुस दोसरा मानुस के बध करेला, शोचनीय ह। लेकिन तथागत ई कबो ना सिखावेले के शांति बनावल रखे के हरसंभव परयास जब बिफल हो जाओ त न्यायसंत युद्ध करे वाला के निंदा होखो। जे युद्ध के कारण पैदा करेला ऊ अवश्य दोषी होला।” (17) ” तथागत स्वार्थ के पूर्ण समर्पण करे के अवश्य सिखावेले। लेकिन तथागत गलत शक्ति के सामने कवनो चीज के समर्पण करे के शिक्षा ना देले, चाहे ऊ शक्ति मानुस हो, देवता हो भा प्राकृतिक तत्त्व होखो। संघर्ष त रही, काहे कि समूचा जीवने कवनो ना कवनो तरह के संघर्षे ह, लेकिन संघर्ष करे वाला कहीं ऊ सत्य आ सदाचार के खिलाफ त स्वार्थ के संघर्ष नइखे करत !” (18) “हे सिंह!जे युद्ध में न्यायसंगत उद्देश्य खातिर जाता ओकरा शत्रुअन के बध करे खातिर तैयार रहे के चाहीं। काहे कि योद्धा लोगन के इहे नियति ह, आ अगर ओकर नियति ओकरा के धर लेले बा तब शिकायत करे के कवनो कारणे नइखे।” (22) “जे न्याय अउर सदाचार के पक्ष में बाटे ऊ कबो असफल ना होला, बलुक आपन उद्यम में सफल होला आ ऊ सफलता टिकाऊ भी होला।” (28) ” हे सेनापति ! ई सब समझ के तू युद्ध करs, आपन युद्ध शूरता से लड़s, लेकिन सत्य के योद्धा बन के ! तबे तथागत तहरा के असिरवाद दीहें !” (30) ( ‘धम्मपद‘ से ) xxxxxxxxxxxxxxxxxx यूक्रेन युद्ध के एक से एक दर्दनाक वीडियो आ फोटो के बमबारी हमनी सभ पर टीवी आ इंटरनेट के माध्यम से हो रहल बा। भारत के टीवी चैनल सब ‘ वॉर रूम’ खोल लेले बाड़े सन आ देखला से […]
रूस-यूक्रेन युद्ध आ ओकर विश्व पर प्रभाव

ज्योत्स्ना प्रसाद हमनी के पीढ़ियन से ई बात सुनत चलल आवतानी सन कि कवनों भी बड़ लड़ाई के मूल में- ज़र,जोरू आ ज़मीन एही तीनों चीज़न में से कवनों ना कवनों के प्रधानता रहेला। आजो कमोबेश ज़र आ ज़मीन ही युद्घ के मूल रूप से कारण रहेला। एकरा साथ ही समय के एह दौर में […]
कहाँ जाके रुकी ई युद्ध

बद्रीनाथ वर्मा यूक्रेन पर धुआंधार मिसाइल बरसा के रूस के लागल कि बस दु चार दिन में यूक्रेन घुटना के बल आ जाई लेकिन ई ओकर गलतफहमी साबित भइल। लड़ाई लगातार लंबा खिंचात जात बा। कब खतम होई आज के तारीख में केहू भी बतावे में समर्थ नइखे। उल्लेखनीय बा कि यूक्रेन के दुगो प्रांत […]